Go to ...
RSS Feed

आईपीएल

टटका खबर, बुध, वैशाख अन्हरिया नवमी, 2078 विक्रमी

भारत आ ब्रिटेन अब एक दोसरा के रणनीतिक साझेदार बनि के रहिहें. काल्हु प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी आ ब्रिटेन के प्रधानमंत्री बोरिस जॉनसन का बीच भइल ऑनलाइन शिखर बईठक में एकरा साथही आठ गो अउर समझौतो पर दस्तखत भइल. सुप्रीम कोर्ट पश्चिम बंगाल आवास उद्योग नियमन कानून 2017 के असंवैधानिक बतावत रद्द कर दिहलसि. राज्य द्वारा

टटका खबर, अतवार, वैशाख अन्हरिया षष्ठी, 2078 विक्रमी

आजु कुछ देर बाद चार गो राज्य विधानसभा आ एगो केन्द्र शासित प्रदेश पुड्डुचेरी विधानसभा चुनाव में पड़ल मतन के गिनिती शुरु होखे जा रहल बा. अनुमान बा कि असम, पश्चिम बंगाल आ पुड्डुचेरी में भाजपा नीत गठबन्हन के जीत होखी. केरल में अब तक के इतिहास पलटत बँवारा गोल फेरु सत्ता में आ जाई

टटका खबर, मंगल, चईत पूर्णिमा, 2078 विक्रमी

रउरा सभे के हनुमान जयंती पर हार्दिक शुभकामना. रउरा सभका आशीर्वाद से भोजपुरी के पहिलका वेबसाइट अँजोरिया के विश्वव्यापी रैंक आजु अबहीं 3 लाख 30 हजार 877 आ देश में रैंक 23 हजार 746 के बा. पश्चिम बंगाल विधानसभा के सतवां डेग के मतदान काल्हु सोमार का दिने छोटमोट हिंसा का साथे करा लीहल गइल.

टटका खबर, सोमार, चतुर्दशी, चईत अँजोरिया, 2078 विक्रमी

काल्हु अपना मन का बात कार्यक्रम में प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी कहलन कि कोरोना के पहिलका लहर के हरवला का बाद हौसला से भरल देश दुसरको लहर के तूफान से पार पा ली. कहलन कि कोरोना के दुसरका लहर हमनी के धीरज आजमावत बा. कहलन कि लोग अफवाहन पर ध्यान ना दे के एकरा से निपटे

टटका खबर, अतवार, त्रयोदशी. चईत अँजोरिया 2078 विक्रमी

राष्ट्रपति भवन में काल्हु भइल एगो सादा समारोह में न्यायमूर्ति एन. वेंकट रमणा के भारत के प्रधान न्यायाधीश के किरिया धरावल गइल. ऊ देश के 48वां प्रधान न्यायाधीश होइहें. 16 महीना ले अपना पद पर रहला का बाद न्यायमूर्ति रमणा अगिला साल 26 अगस्त के सेवानिवृत हो जइहें. एह किरिया धराई समारोह में राष्ट्रपति रामनाथ

टटका खबर, बुध, नवमी. चईत अँजोरिया, 2078 विक्रमी

रउरा सभे के श्रीरामनवमी के पावन पर्व पर हार्दिक अभिनन्दन आ शुभकामना. बिना कवनो पूर्व सूचना प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी काल्हु सँझिया में राष्ट्र का नामे आपन संदेश देत संत प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी कहनी कि तूफान बनिके आइल कोरोना महामारी के दुसरकी लहर एगो बड़हन चुनोती बनल बा बाकिर हमनी का एकजुट हो के धीरज, अनुशासन,

टटका खबर, शुक, चईत अँजोरिया चतुर्थी, 2078 विक्रमी

चुनाव के चार डेग चल चुकला आ पाँचवा उठे जा रहल डेग का बादो तृणमूल कांग्रेस खेला होबे के उमेद नइखे छोड़ले. जइसे एगो हैदराबादी मुस्लिम नेता के बयान आइल रहुवे कि पन्द्रह मिनट ला पुलिस हटा लीहल जाव त ऊ हिन्दुवन के सफाया करवा दीहें. कुछ वइसने गलतफहमी पलले ममता बनर्जी सोचत बाड़ी कि

खबर भोजपुरी में (सोमार, 11 मई 2015)

अतवार का दिने अयोध्या चहुँपल केन्द्रीय गृहमंत्री राजनाथ सिंह श्रीराम जन्मभूमि मंदिर आ हनुमानगढ़ी के दर्शन कइलन आ कहलन कि राम मन्दिर बनवाए खातिर तइयार होखला का बावजूद भाजपा का लगे राज्यसभा में बहुमत ना रहला का चलते कानून बनावल संभव नइखे. ई पूछला पर कि राज्यसभा में बहुमत मिलला का बाद का होखी त

राजस्थान रायल्स छह विकेट से हरा दिहलसि रायल चैलेंजर्स के

अबु धाबी में शनिचर का दिने भइल आईपीएल के मैच में अबले के तिसरका सबसे कम रन बने के रिकार्ड बन गइल जब राजस्थान के प्रवीण तांबे के शानदार गेंदबाजी का बदौलत रायल चैलेंजर्स के पूरा टीम पन्दरहे ओवर का खेल में महज सत्तर रन पर निपट गइल. बाद में खेले उतरल राजस्थान रायल्स के

आईपीएल बीसबीसा में कोलकाता नाइट राइडर्स के जीत

शनिचर के भइल आईपीएल बीसबीसा मैच में कोलकाता नाइट राइडर्स पूणे वैरियर्स के चौंतीस रन से हरा दिहलसि. एह जीत का बाद कोलकाता के टीम अंक तालिका में दुसरा जगहा पर जम गइल बिया जहाँ से अब ओकरा के हटावल ना जा सके.

मुंबई आ चेन्नई के जीत, बैंगलुरू कोलकाता के हार

आईपीएल के बीसबीसा मैच में सोमार का दिने बैंगलुरू में खेलल मैच में मुंबई इंडियंस बैंगलुरू रॉयल चैलेंजर्स के एगो शानदार मैच में पाँच विकेट से हरा दिहलसि. रायल चैलेंजर्स छ विकेट का नुकसान पर 171 रन बनवले रहलें जवना के जवाब में मुंबई इंडियंस दू गेंद बाकी रहते पाँच विकेट का नुकसान पर 173

बीसबीसा में किंग्स इलेवन पंजाब चार विकेट से जीतल

अतवार का दिने मोहाली में भइल आईपीएल बीसबीसा टूर्नामेट में किंग्स इलेवन पंजाब के डेविड हसे नाबाद पै्सठ रन आ गुरकीरत सिहं के नाबाद उनतीस रन का बदौलत चार विकेट से डेक्कन चार्जर्स के हरा दिहलसि. गुरकीरत 241.66 के स्ट्राइक रेट से बारह गेंद पर एगो छक्का आ चार गो चउका समेत उनतीस रन बनवलन.