web analytics

टटका खबर, शुक, जेठ अन्हरिया दूज, 2078 विक्रमी

छह बेर विश्व चैम्पियन रहल भारत के एमसी मैरीकोम दुबई में होखत 2021 एएसबीसी एशियाई महिला अउर पुरुष मुक्केबाजी चैंपियनशिप के फाइनल में पहुंच गइल बाड़ी. अब मैराकोम के एशियाई चैम्पियनशिप में सतवां बेर पदक मिलल तट हो गइल बा. मैराकोम 2008 में रजत पदक जीतला का अलावे 2003, 2005, 2010, 2012, अउर 2017 में … Read more

 276 total views

भोजपुरी पट्टी से 18 अगस्त 2018 के छह गो खबर

बस्ती में सरयू नदी का बाढ़ से 50 गांव आफत में बस्ती, 18 अगस्त (वार्ता) उत्तर प्रदेश के बस्ती जिला के हर्रैया तहसील के पचासो गो से अधिका गाँव सरयू नदी के बाढ़ से घेराइल बा. अधिकारियन के कहना बा कि आजु शनिचर का दिने नदी खतरा के निशान से 55 सेमी ऊपर बहत बिया. … Read more

 337 total views

भोजपुरी पट्टी से अतवार 6 मई 2018 के 6 गो खबर अउर

घर के तीन बेकत के मौत के खबर सुन के बेहोश भइली पत्नी आज़मगढ़, 06 मई (वार्ता) आजमगढ़ के कंधरापुर इलाका में कार का चपेटा में आके दादा-पोता के मौत हो गइल आ ई खबर सुन के पहिलहीं से अस्पताल में भरती विकलांग पिता के जान निकल गइल. पुलिस बतवलसि कि कप्तानगंज के कौड़िया बाजार … Read more

 226 total views,  1 views today

आजमगढ़ में नाबालिग से बलात्कार वाला गिरफ्तार

आजमगढ़ 20 अप्रैल (वार्ता). आजमगढ़ के कप्तानगंज इलाका में एगो बारह बरीस के लड़िकी से बलात्कार भइला का खबर सामने आइल बा. पुलिस सूत्र बतवलें कि कप्तानगंज इलाका में काल्हु सँझिया बारह बरीस के लड़िकी दिशा मैदान ला घर से निकलल रहुवे. बीचे में गाँवे के मनमोहन उर्फ राजा दुबे ओकरा के धर लिहलसि आ … Read more

 160 total views

आजमगढ़ मुठभेड़ में दू गो इनामी बदमाश समेत चार गो गिरफ्तार

आज़मगढ़ 15 अप्रैल (वार्ता). आजमगढ़ जिला में अलग-अलग मुठभेड़ में 20-20 हजार के दू गो इनामी बदमाशन समेत चार गो के पुलिस गिरफ्तार कइले बिया. एह मुठभेड़न में दू गो बदमाश आ दू गो पुलिसवाले घवाहिल हो गइलें. पुलिस अधीक्षक अजय साहनी बतवलें कि भोर मे गंभरपुर आ रानी के सराय इलाकन में भइल पुलिस … Read more

 104 total views

सात गो गाड़ी चोरन के धइलसि बलिया पुलिस

बलिया 30 मार्च (वार्ता). बलिया पुलिस आजु एगो अंतरराज्यीय वाहन चोर गिरोह के भंडाफोड़ करत सात गो बदमाशन के गिरफ्तार क लिहलसि. एहनी का लगे से 18 गो चोरावल मोटरसाइकिल मिलल बा. पुलिस अधीक्षक एस पी गांगुली बतवलें कि शहर कोतवाली पुलिस आ स्वाट टीम साथे मिलके पिपरा माफी चौराहा से गाड़ी चोर गिरोह के … Read more

 100 total views

रंगमंच से जुड़ल कलाकार फिलिमन में असफल होइए ना सके : गोविंद नामदेव

आजमगढ़ 29 मार्च (वार्ता). रंगमंच के अभिनय के बारीकि समुझावे के एगो मजगर माध्यम करार देत बालीवुड अभिनेता गोविंद नामदेव कहलन कि रंगमंच से जुड़ल कलाकार फिलिमन में कबो असफल होइए ना सके. नामदेव आजु एहिजा पत्रकारन से बतियावे में कहलन कि थिएटर अभ्यास के माध्यम ह. कलाकार जतने अधिका अभ्यास करी ओतने निखरत जाई. … Read more

 103 total views

भोजपुरी पट्टी से 26 मार्च 2018, मंगल के 17 गो खबर

बिहार के औरंगाबाद में कर्फ्यू औरंगाबाद 26 मार्च (वार्ता). औरंगाबाद जिला प्रशासन रामनवमी जूलूस पर भइल पथराव का बाद भइल उपद्रव के देखत शहर में कर्फ्यू लगा दिहले बावे. उपद्रवी महाराजगंज बाजार के कई एक दुकान में आग लगा दिहले रहलें. हालांकि अब हालात काबू में बा. विद्यालय का नियरा से औरत के लाश मिलल … Read more

 186 total views

भोजपुरी पट्टी से 25 मार्च 2018 के नव गो खबर

अयोध्या में रामजन्मोत्सव के धूम अयोध्या, 25 मार्च (वार्ता). भगवान श्रीराम के जन्म स्थली अयोध्या में चैत्र रामनवमी मेला में लाखों श्रद्धालु सरयू नदी में स्नान ला डुबकी लगवलें. आ प्रमुख मंदिरन में भगवान श्रीराम के जन्मोत्सव मनवलें. कनक भवन मंदिर में जनम के विशेष कार्यक्रम आयोजित भइल. दुपहरिया ठीक बारह बजते मर्यादा पुरुषोत्तम के … Read more

 121 total views

भोजपुरी पट्टी से साँझ चार बजे तक के सात खबर, 19 मार्च 2018, सोमार

बिहार में प्रॉपर्टी डीलर के गोली मारिके हत्या आरा 19 मार्च (वार्ता). भोजपुर जिला के भोजपुर इलाका में दौरागंज के आदित्य कुमार सिंह का घरे आजु सबेरे कुछ बदमाश चहुँपले आ दरवाजा खटखटवले सँ. आ आदित्य जइसहीं दरवाजा खोलले उनुका के गोली मार दिहले सँ बदमाश आ फरार हो गइले सँ. आदित्य के ओहिजे मौत … Read more

 134 total views

उपचुनाव का बाद यूपी में बड़का अधिकारियन के तबादला

लखनऊ 17 मार्च (वार्ता). लोकसभा उपचुनाव के भोटगिनाई का दौरान सवालन का घेरा में आइल गोरखपुर के जिलाधिकारी राजीव रौतेला समेत 37 गो आईएएस अधिकारियन के तबादला आदेश जारी हो गइल बा. अधरतिया का बाद जारी भइल एह आदेश में गोरखपुर के जिलाधिकारी राजीव रौतेला के देवी पाटन मण्डल के आयुक्त, कानपुर विकास प्राधिकरण के … Read more

 93 total views

मंगल, 9 जनवरी 2018, खास-खास खबर

नई दिल्ली में दुनिया के तमाम देशन से आइल भारतीय मूल के सांसदन के पहिलका सम्मेलन के संबोधित करत पी एम मोदी ओह लोग से गोहार कइनी कि भारत के विकास बढ़ावे में उत्प्रेरक के आपन भूमिका निबाहे. चीन के नाम लिहले बिना पीएम मोदी के कहना रहल कि भारत कबहियों कवनो दोसरा देश के … Read more

 128 total views

टटका खबर, शुक, 5 जनवरी 2018

मध्यप्रदेश का इंदौर शहर के कनाड़िया इलाका के बिचौली मर्दाना बाईपास पर शुक का दिने एगो नामी प्राईवेट स्कूल के बस के जोरदार टक्कर सामने से आवत एगो च्रक से हो गइल. एह हादसा में पाँच गो विद्यार्थियन आ ड्राइवर के मौत हो गइल आ दर्जनो घवाहिल हो गइलें. प्रधानमंत्री नरेन्‍द्र मोदी शुक का दिने … Read more

 227 total views

टटका खबर, बियफे, 4 जनवरी 2018

यूपी के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ बियफे का दिने आजमगढ़ जिले के सठियांव ब्लॉक का किसान सहकारी मिल के मैदान में आसवनी आ एथेनॉल प्लांट समेत पांच सौ बावन करोड़ रुपिया के अनेके परियोजनन के शिलान्यास भा लोकार्पण करत कहनी कि उहाँ के सरकार राज्य के बाईस करोड़ लोगन के सुरक्षा के जिम्मेदारी आ नवहियन अउर … Read more

 108 total views

टटका खबर, मंगल, 2 जनवरी 2018

देश में चुनाव लड़े वाला गोल के चंदा देबे वाला लोग, फर्भ, संस्था भा कंपनी अब स्टेट बैंक के निर्धारित शाखा से एक हजार से ले के एक करोड़ रुपिया तक के बॉण्ड खरीद के ओह गोल के दे सकीहें. चंदा पावे वाला आ देबे वाला अपना अपना खाता में एकर जिक्र करीहें बाकिर ई … Read more

 115 total views

टटका खबर, सोमार, 1 जनवरी 2018

अमरीका के राष्ट्रपति डॉनल्ड ट्रंप पाकिस्‍तान का खिलाफ कड़ा रूख अपनावत ओकरा के झूठा आ फरेबी बतवले बाड़ें. नया साल का पहिलके दिने पाकिस्तान के अउरी सहायता करे से मना क दिहलें. एकरा बाद पाकिस्‍तान के विदेश मंत्री ख्‍वाजा आसिफ आ प्रधानमंत्री शाहिद खाक़ान अब्‍बासी बइठका कइलें आ कहलें कि अमेरिका के जल्दिए जबाब मिल … Read more

 93 total views

टटका खबर, अतवार, 31 दिसम्बर 2017

मशहूर अभिनेता आ तमिल सुपरस्टार रजनीकांत आपन अहजह खतम करत बरीस का आखिरी दिने एलान कइए दिहलन कि ऊ आपन राजनीतीक गोल बनइहें आ तमिलनाडु विधानसभा के सगरी सीट प आपन उमेदवार लड़इहें. उनुका एह एलान का बाद भाजपा में खुसुरपुसुर शुरु हो गइल बा कि उनुका गोल से हाथ मिला के तमिलनाडु में भाजपा … Read more

 100 total views

टटका खबर, शुक, 29 दिसम्बर 2017

मेघालय में अगिला साल विधानसभा के भोट होखे वाला बा आ एकरा से कुछ महीना पहिलहीं कांग्रेस के पाँच गो विधायकल समेत आठ गो विधायक भाजपा के अगुअई वाला राजग शामिल हो गइलें. एह गोलबदलू जमात में उप मुख्यमंत्री रावेल लिंगदोहो शामिल बाड़न. हालांकि एह पाला बदल का बादो अबहीं मेघालय सरकार का लगे बहुमत … Read more

 112 total views

बिहार आ यूपी में बाढ़ के कहर से अबले 623 लोग के मौत

बिहार के समस्तीपुर, मुजफ्फरपुर आ दरभेगा समेत अउरी इलाकन में आइल बाढ़ से अबहीं ले नाहियो त 514 लोग के जान जा चुकल बा. लाखो लोग एह आफत से बेघरबार हो गइल बा. यूपी के गोरखपुर, लखीमपुर खीरी, बलिया, आजमगढ़, कुशीनगर, महाराजगंज आ सिद्धार्थनगर में आइल बाढ़ से अबहीं ले 109 लोग के जान जा … Read more

 94 total views

टटका खबर, 8 जून 2017, बियफे

बँवारा राजनीतिक गोलन के छात्र ईकाईयन का तरफ से आजु बियफे के बिहार बन्द करे के गोहोर लगावल गइल रहुवे. बाकिर एह गोहार के कवनो खास असर देखे के ना मिलल. आरा टीसन प कुछ लुहेड़ा लईका संघमित्रा एक्सप्रेस के कुछ देर ले रोक रखले. राजद मुखिया पुलिस के सलाह दिहले रहलन कि विरोध करेवालन … Read more

 109 total views