Go to ...
RSS Feed

आजमगढ

टटका खबर, 24 अप्रैल 2017, सोमार

सुप्रीम कोर्ट का आदेश बा कि यूपी मे हर साल 33 हजार पुलिसवालन के बहाली क के चार साल में सगरी खाली जगहाभर दीहल जाव, राज्यपाल राम नाईक के आदेश से इलाहाबाद विश्वविद्यालय के भौतिक विज्ञान विभाग के प्रो0 राजा राम यादव के वीर बहादुर सिंह पूर्वाचंल विश्वविद्यालय जौनपुर के कुलपति नियुक्त कइल गइल बा.

टटका खबर, 19 मार्च 2017, अतवार

देश के राजनीति के एगो नया आ पुरहर इशारा करे वाला घटना में गोरखपुर से पाँच बेर सांसद चुनाइल आ हिन्दुत्व के परचम फहरावे वाला नेता योगी आदित्यनाथ के आजु उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री का रुप में किरिया धरा दीहल गइल. एह मौका प पीएम मोदी, भाजपा अध्यक्ष अमित शाह, भाजपा के पुरनिया नेता लालकृष्ण

टटका खबर, 8 मार्च 2017, बुध

यूपी विधानसभा चुनाव के सतवां आ आखिरी दौर के चुनावो शान्ति का साथे पूरा हो गइल. पिछलका दौरन का मुकाबले एह दौर में सबले बेसी वोटिंग भइल. कुल्ह मिला के साठ फीसदी वोटर अपना वोटिंग अधिकार के इस्तेमाल कइले. पाँचो राज्यन के चुनाव पूरा होखे में यूपी के अलापुर आ उत्तराखंड के कर्णप्रयाग सीत प

टटका खबर, 6 मार्च 2017, सोमार

यूपी विधानसभा चुनाव के सतवाँ आ आखिरी दौर के वोटिंग खाति होखे वाला प्रचार के काम आजु साँझ पाँच बजे से रोक दीहल गइल. एह दौर के वोटिंग 8 मार्च का दिने होखे वाला बा. एह दिन सात जिलन के 40 गो सीट ला वोटिंग होखी. चुनाव आयोग के निर्देश का चलते अब 8 मार्च

टटका खबर, 28 फरवरी 2017, मंगल

भारत रत्न आ आजाद हिन्दुस्तान के पहिलका राष्ट्रपति डॉ. राजेन्द्र प्रसाद के 54वीं पुण्यतिथि के अवसर पर आजु उनुका के सरधा से याद कइल गइल आ देश में कई जगहा कार्यक्रम में उनुका के श्रद्धांजलि दीहल गइल. पटना के बांसघाट प राजकीय समारोह में बिहार के राज्यपाल रामनाथ कोविंद आ मुख्यमंत्री समेत अनेके खासमखास लोग

टटका खबर, 15 फरवरी 2017, बुध

सिवान के बाहुबली नेता आ सिवान से राजद सांसद रहल शहाबुद्दीन के सिवान जेल से हटा के तिहाड़ जेल भेजे के आदेश सुप्रीम कोर्ट दे दिहलसि आ इहो कहलस कि उनुका प चलत सगरी मामिला के सुनवाई वीडियो कान्प्फ्रेंसिंग से करावल जाव. एह फैसला के स्वागत करत भाजपा के बड़ नेता आ केन्द्रीय मंत्री रहल

टटका खबर, 8 फरवरी 2017, बुध

तेरह मार्च से रउरा अपना खाता से जतना जरुरत होखे ओतना रुपिया निकाल सकब. अबहीं ई सीमा 24 हजार के बा. 20 फरवरी से एकर सीमा बढ़ा के पचास हजार क दीहल जाई जवन 13 मार्च से एकदमे खतम हो जाई. राजद अध्यक्ष लालू प्रसाद यादव अपना दामाद राहुल यादव के समर्थन में बुध का

बसिया खबर, 6 फरवरी 2017, सोमार

(परोसे के रहली टटका बाकि समय ना मिलला का चलते बासी हो गइल बा सोमार के खबर. बाकि अरुआइल नइखे. पढ़ि के देखीं. वइसहूं भोजपुरियन के फुरसत कहाँ बा भोजपुरी साइत प आवे के. तबो पकावल परोसत रहीलें कि आजु ना त काल्हु अइबे करी सभे.) बिहार के मुख्यमंत्री आ जदयू के राष्ट्रीय अध्यक्ष नीतीश

टटका खबर, 4 फरवरी 2017, शनिचर

यूपी विधानसभा चुनाव ला प्रचार करत पीएम मोदी आजु मेरठ में कहलन कि भाजपा के सरकार बनल त गन्ना किसानन के सगरी बकाया 14 दिन का भितरे चुका दीहल जाई. कहलन कि समाजवादी गोल का चलते राज्य पिछड़त बा. मऊ के कोपागंज इलाका में आजु डाढ़ी चट्टी का नियरा एगो टेम्पो ए जीप के टक्कर

टटका खबर, 25 जनवरी 2017

दुनिया के शेयर बाजारन के रुख आ बजट से पहिले बैंकिंग अउर फाइनेंस कंपनियन के शेयर में भइल जोरदार लिवाली से आजु मुम्बई शेयर बाजार हाल के तीन महीना में सबले ऊँचाई ध लिहलसि. पांच राज्यन में होखे जात विधानसभा चुनाव के देखत चुनाव आयोग भारतीय रिजर्व बैंक से निहोरा कइले बा कि उमीदवारन के

बलिया न्यूज, 20 फरवरी 2016

बलिया सिकन्दरपुर रोड पर बोड़िया गांव का लगे एगो स्कूल बस आ आल्टो के टक्कर में पाँच जने घवाहिल हो गइलें. आल्टो पर कैथवली गाँव के एगो परिवार सवार रहुवे. चंदौली के सैयदराजा इलाका के नौबतपुर गांव का लगे काल्हु शुक का सबेरे रेल लाइन पार करत घरी एगो लड़िका के मौत ट्रेन से कटा

एक त बाँड़ अपने गइलें नव हाथ के पगहो ले गइलें

वाराणसी में चलत सेना बहाली रैली में फर्जी प्रवेश पत्र बनवा के घुसल दू गो नवहियन से जब कागज माँगल गइल त बैग ले के आवे के बात कह के दुनू ओहिजा से सरक लिहलें आ आगा जा के भाग परइलें. बाकिर धरा गइल ओहनी के ऊ दोस्त जवना के प्रवेश पत्र के फोटोकॉपी करा

भोजपुरी पट्टी से हादसा आ अपराधन के खबर

लूटल ट्रक आ चार गो दोसर गाड़ियन का साथे जौनपुर के सिरकोनी इलाका के शादीपुर गाँव का लगे से पाँच गो लूटेरन के पुलिस ध लिहलसि. आजमगढ़ के बऊवापुर गाँव में मंगल सँझिया एदो नवही के चहेट के गोली मार दिहले सँ बदमाश. मऊ के कोपागंज इलाका के डीसीएसके मोड़ का लगे मंगल सँझिया एगो

पूर्वांचल से अपराध के खबर

बलिया के सिकन्दरपुर में एगो गहना दुकान में शनिचर रात सेन्ह मार के लाखों रुपिया के गहना आ 31 लाख रुपिया चोरा ले गइलें स चोर. सहतवार टीसन पर सियाल्दह एक्सप्रेस पर चढ़त घरी गिर पड़ला से बघांव के एगो नवही के मौत हो गइल. आजमगढ़ के हाफिजपुर का लगे मुबारकपुर के बम्हौर गांव के

भोजपुरी पट्टी से अपराध आ हादसा के खबर

सोमार का सबेरे गाजीपुर जिला जेल के डिप्टी जेलर संगे एगो कैदी मारापिटी कइलसि जवना का बाद चहुंपल बड़का अधिकारी मामिला शांत करवलें. कैदी अपना गलती खातिर माफी मांग लिहलसि. जौनपुर जिला में इलाहाबाद जौनपुर रोड पर पुरउपुर नहर का नियरा सोमार का दिने एगो डंपर से कचरा के मोटरसाइकिल से जात दूगो नवहियन के

कांग्रेसी नेता के हत्या के अछरंगी अंगद यादव के सरेंडर

आजमगढ़ के बरदह इलाका के सम्मोपुर गाँव के रहे वाला कांग्रेसी नेता राजनारायण सिंह के हत्या पिछला शनिचर का दिने पल्हनी ब्लाॅक का नियरा क दीहल गइल रहे. एह मामिला में उनुकर पत्नी राजनारायण के भतीजा सुनील सिंह आ एगो भाजपा नेता अंगद यादव पर हत्या करे के अछरंग लगावत थाना में शिकायत लिखवले रही.

गाजीपुर में सेना बहाली रैली

अगिला महीना 6 जनवरी से 17 जनवरी का बीच गाजीपुर के सैदपुर में करमपुर गाँव के स्टेडियम में सेना बहाली रैली के आयोजन होखे वाला बा. एह रैली खातिर सत्तर हजार से बेसी नवही आपन पंजीकरण करवा चुकल बाड़ें. रैली के प्रभारी कर्नल विनीत प्रभात जिला प्रशासन आ पुलिस अधिकारियन का साथे बहाली रैली वाला

अपराध आ हादसा के खबर आजमगढ़, सोनभद्र, गाजीपुर, बलिया से

आजु शनिचर का दिने आजमगढ़ जिला के सिधारी इलाका के बेलइसा में सबेरे टहले निकलल उत्तर प्रदेश कांग्रेस कमेटी के को-ऑपरेटिव सेल अध्यक्ष अउर एडवोकेट राजनारायण सिंह के गोली मार के हत्या क दीहल गइल. गोली लगला का बाद उनकर मौत ठांवे पर हो गइल. सोनभद्र जिला के कोठा टोला इलाका के एगो खदान भसला

हादसा आ अपराध से जुड़ल खबर यूपी से

गाजीपुर जिला के भुड़कुड़ा इलाका के दलित बस्ती में ऊँख पेरत एगो आदमी के गमछी ओह में धरा गइल आ ऊ गमछी का साथही मशीन में खिंचात चल गइल. एह हादसा में ओकर ठावें पर मौत हो गइल. आजमगढ़ जिला के जहानागंज इलाका के दयालापुर गाँव का नियरा एगो स्कार्पियो का धक्का से टेम्पो पलट

विधायक रहल नेता के बेटा के गोली मारल गइल

आजमगढ़ जिला के सदर इलाका के दलसिंगार मुहल्ला में शनिचर का साँझ विधायक रहल रामबली यादव के बेटा महेन्द्र यादव के गोली मार दीहल गइल. गोली मारे के घटना घर का लगहीं भइल आ जब घाहिल नवही घर का अहाता में जान बचावत भागल त अपराधी ओहिजा ले ओकरा के चहेट मरलें. घाहिल महेन्द्र के

Older Posts›› ‹‹Newer Posts