web analytics

विधायक रहल नेता के बेटा के गोली मारल गइल

आजमगढ़ जिला के सदर इलाका के दलसिंगार मुहल्ला में शनिचर का साँझ विधायक रहल रामबली यादव के बेटा महेन्द्र यादव के गोली मार दीहल गइल. गोली मारे के घटना घर का लगहीं भइल आ जब घाहिल नवही घर का अहाता में जान बचावत भागल त अपराधी ओहिजा ले ओकरा के चहेट मरलें. घाहिल महेन्द्र के … Read more

 145 total views

यूपी : अपराध आ हादसा

गुजरात से कमाई क के घरे लवटत एगो नवही ट्रेन से वाराणसी आइल आ ओहिजा से प्राइवेट बस पकड़ के गाजीपुर चहुँपल. एहिजा रौजा बस स्टैंड पर उतरत घरी ओकरा के पीछे से आवत एगो ट्रक कचारत निकल गइल आ ओकर ओहिजे मौत हो गइल. नवही सुहवल थाना के बड़ौरा गाँव के रहुवे. मिर्जापुर के … Read more

 176 total views

दस लाख के इनामी आजमगढ़िया आतंकी मारल गइल

इस्लामिक स्टेट में आतंकी बने जाए खातिर भारतो से करीब दू दर्जन नवही सीरिया भा इराक जा चुकल बाड़न आ ओहमें से नाहियो त छह जने के जान जा चुकल बा. इस्लामिक स्टेट वाले हिन्दुस्तानी आतंकियन के कुकुरो बराबर ना मानसु आ घटिया काम करे पर मजबूर कइल जाला एहनी के. आ कई बेर त … Read more

 226 total views

गाजीपुर में होखे वाला सेना बहाली के पंजीयन 7 नवंबर से शुरु

अगिला साल 6 जनवरी का दिन से छह गो पूरबी जिलन के नवही सेना बहाली खातिर गाजीपुर में होखे वाला बहाली रैली में शामिल हो सकीहें. एह खातिर पंजीयन शनिचर 7 तारीख से शुरु होखे जा रहल बा आ लोग आनलाइन पंजीयन करा लेव. बहाली रैली 6 जनवरी से शुरु हो के 17 जनवरी ले … Read more

 130 total views

छेड़खानी से आजिज आ के जान दे दिहलसि एगो लड़िकी

आजमगढ़ जिला के कप्तानगंज इलाका के एगो गांव के लड़िकी शुक का रात में फाँसी लगा के जान दे दिहलसि. अपना सुसाइड नोट में ऊ गाँवे के तीन गो नवहियन पर छेड़खानी करे के अछरंग लगवले बिया. लिखले बिया कि शुक का दिने मेला देखे गइल रहुवे तबो ई लोग ओकरा से छेड़खानी कइलसि आ … Read more

 144 total views

बलिया न्यूज (अतवार, 13 सितंबर 2015)

यूपी के पौने दू लाख शिक्षा मित्रन के सपना सपने रह गइल काहे कि इलाहाबाद हाई कोर्ट एह लोग के सहायक शिक्षक बना के सरकार के नियमित सेवा में ले आवे के फैसला के रद्द कर दिहलसि काहे कि एह लोग के बहाली सही तरीका से ना कइल गइल रहुवे. अदालत कहलसि कि सहायक शिक्षक … Read more

 220 total views

सिपाही के गोली मरले बदमाश

आजमगढ़ के कोतवाली इलाका में रात में गश्त लगावत पुलिस के हर्रा इलाका में कुछ संदिग्ध लोग लउकल त सिपाही रजनीश ओकनी के पकड़े के कोशिश कइलन. एह पर बदमाश उनुका के गोली मार के भाग गइले सँ. सिपाही के अस्पताल में भरती करावल गइल बा. अइसने एगो घटना संत रविदास नगर में भइल जहाँ … Read more

 191 total views

रंजिश का चलते आजमगढ़ में एगो नवही के गोली मारल गइल

आजमगढ जिला के महाराजगंज इलाका के तर्कवारा गाँव में शनिचर का देर रात कुछ अज्ञात हमलावर घर मे घुस के एगो बाइस साल के नवही देवनाथ के गोली मार के हत्या कर दिहले. पुलिस मामिला दर्ज कर के तहकीकात में लागल बिया. (वार्ता)  162 total views

 162 total views

सडक दुर्घटना मे दम्पति के मौत

आजमगढ जिला के महाराजगंज इलाका में बियफे का दिने भइल सडक दुर्घटना मे एगो दम्पति, मरद मेहरारू, के मौत हो गइल. पुलिस प्रवक्ता के मुताबिक चांदपुर मिश्रपुर के अब्दुल हाकिम अपना बीबी सैबुनिशा संगे कन्धरापुर इलाका में बाजार का लगे एगो सवारी वाहन का चपेटा मे आ गइलें आ दुनु जने के ठाँवे पर मौत … Read more

 178 total views