web analytics

ट्रक के चपेटा से युवती के मौत

वाराणसी 10 जनवरी (वार्ता) लोहता इलाका में आजु मोटरसाइकिल प पीछे बइठल एगो युवती ट्रक के धक्का से गिरल आ कचरइला से ओकर ओहिजे मौत हो गइल. पुलिस से जानकारी मिलल कि आजमगढ के बीस बरीस के अनन्ती राम इटारी गांव में अपना जीजा के घरे आइल रहे. आजु सबेरे उ पडोस के लडिका संगे … Read more

 50 total views

सडक हादसा में महतारी बाप समेत दू गो बेटन के मौत

आजमगढ 05 जनवरी (वार्ता) देवगांव कोतवाली के आजमगढ वाराणसी राजमार्ग पर काल्हु रात एगो ट्रक आ कार के टक्कर में एके परिवार के चार लोग के मौत हो गइल. बतावल जात बा कि गंभीरपुर इलाका के रामपुर गाँव के पैंसठ साल के सहदेव यादव के इलाज बनारस से करा के परिवार अपना घरे लवटत रहुवे … Read more

 40 total views,  5 views today

सड़का हादसन मे अध्यापक समेत दू जने के मौत

आजमगढ 04 जनवरी (वार्ता) आजमगढ जिला मे अलग अलग हादसा में एगो अध्यापक समेत दू जने के मौत हो गइल. पुलिस के मुताबिक तरवां इलाका के सिंहपुर सरैया गांव मे स्कूल में माटी लदाइल ट्रैक्टर ट्राली पलटला से ओहिजा खड़ा एगो अध्यापक अड़तीस साल के सुरेन्द्र यादव.दबा के मर गइले. दोसर घटना वरदह इलाका के … Read more

 38 total views,  1 views today

कुहा का चलते बस आ ट्रक के टक्कर में एक जने के मौत 15 जने घवाहिल

आजमगढ 17 दिसम्बर (वार्ता) तरवां इलाका मे मंगल का भोर मे घन कुहा का चलते एगो बस आ ट्रक में टक्कर हो गइल. एह हादसा में ट्रक चालक के मौत हो गइल आ बस के 15 गो सवारी घाहिल हो गइले. बस तरवां से आजमगढ आवत रहुवे जब खरिहानी बाजार का लगे ट्रक से टकरा … Read more

 40 total views

एगो छात्र के गोली मारके हत्या

आजमगढ 14 नवम्बर (वार्ता) आजमगढ शहर कोतवाली इलाका में साँझ बेरा कुछ अनाम हमलावर एगो छात्र के गोली मार के हत्या क दिहले. पुलिस बतावत बिया कि कंधरापुर इलाका के टंडवा गाँव के पचीस बरीस के तुलसी बंसी यादव बी.ए. फाइनल मे पढ़त रहे. ओकरा के आजु आराजीबाग मोहल्ला मे आजु साँझ कुछ लोग ओकरा … Read more

 40 total views

जहरीला शराब बेचे वाला दू गो मुख्य आरोपी गिरफ्तार

आजमगढ 05 नवम्बर (वार्ता) आजमगढ में पिछला महीना जहरीला शराब पीयला से भइल चालीस लोग के मौत का मामिला में शराब बेचे वाला दू गो मुख्य आरोपियन, कल्पनाथ यादव आ रामराज चौहान, के मुबारकपुर क्षेत्र से गिरफ्तार क लीहल बा. दुनु के जेल भेज दीहल गइल बा.  27 total views

 27 total views

युवक के गोली मार के हत्या

आजमगढ 26 अक्टूबर (वार्ता) आजमगढ जिले के रौनापार इलाका में काल्हु जेल से छूट के आइल एगो युवक के कुछ बदमाश घर चहुँपते गोली मार के मुआ दिहले. पुलिस ओह हत्यारन के खोजे में लागल बिया.  32 total views

 32 total views

फूहड़ मिस्ड काल रैकेट का खिलाफ एफआईआर

लखनऊ 21 अक्टूबर (वार्ता) बीसवीं वाहिनी पीएसी मे सेनानायक पद प तैनात आईपीएस अधिकारी अमिताभ ठाकुर आजु आजमगढ कोतवाली मे फर्जी मिस्ड काल रैकेट से जुड़ल मामिला पर एफआईआर लिखववलन. एफआईआर में लिखवावल गइल बा कि काल्हु अमिताभ ठाकुर आ उनका पत्नी नूतन मोबाइल फोन पर अज्ञात नम्बर 93780872199 से मिस्ड काल आइल. नूतन अपना … Read more

 30 total views

आजमगढ़ में जहरीला शराब पी के एकइस लोग मरल

आजमगढ़ में जहरीला शराब पीयला का चलते बीसन लोग के मौत हो गइल. घटना मुबारकपुर इलाका के ह जहाँ के छह गो गाँव के लोग एह जहरीला शराब से मरल बा. बतावल जात बा कि आदमपुर गाँव में काल्हु सँझिया गैरकानूनी तरीका से बेचात सस्ता शराब पीए का चक्कर में एह लोग के मौत भइल. … Read more

 39 total views

फाइलिन तूफान के असर पूर्वांचलो में पड़ल आ चौदह लोग मरल

उडीसा आ आन्ध प्रदेश मे आइल फाइलिन तूफान के असर पूर्वांचल के जिलो मे महसूस कइल गइल आ एह दौरान तेज हवा आ बरखा का चलते चौदह लोग के जान चल गइल बा आ हजारो एकड़ के फसल खराब हो गइल बा. बहुते गाछ, मकान, बिजली के खंभा एह तूफान में गिरल आ बुध का … Read more

 47 total views

दू गाड़ी में राखल चार ड्रम स्प्रीट का साथ दू आदमी गिरफ्तार

सोमार का दिने आजमगढ जिला के मुबारकपुर इलाका में खुफिया जानकारी का आधार पर पुलिस दू गाड़ियन से चार गो ड्रम में राखल 1200 लीटर रेक्टीफाइड स्प्रिट बरामद कइलसि. एह मामिला में दू जने के गिरफ्तारो कर लिहलसि पुलिस. पुलिस अधीक्षक अरविन्द सेन बतवले कि खुफिया जानकारी का बाद जब सठियांव रेलवे क्रासिंग का लगे … Read more

 36 total views

बस कंडक्टर से लूट

आजमगढ जिला के अतरौलिया में लखनऊ से आजमगढ आवत परिवहन निगम के बस के कंडक्टर से 10 हजार रुपिया लूट के लुटेरा फरार हो गइले सँ. (वार्ता)  30 total views

 30 total views

आजमगढ़ में वैन का चपेटा में पड़ के दू भाईयन के मौत

आजमगढ जिला के कप्तानगंज में कौड़िया का लगे साइकिल से जात दू गो भाई एगो वैन से लागल धक्का से ठाँवे पर मर गइलें. एह लोग का मौत से खिसियाइल लोग देर ले सड़क पर जाम लगा दिहल. बाद में पुलिस समुझा बुझा के जाम हटवलसि. (वार्ता)  40 total views

 40 total views

आजमगढ़ में मोटरसाइकिल गड़हा में गिरला से तीन जने मरले

आजमगढ़ जिला के मुबारकपुर में काल्हु शुक का दिने एगो मोटरसाइकिल गड़हा में गिर गइल जवना से ओह पर सवार तीन जने के मोत ओहिजे हो गइल.  55 total views,  5 views today

 55 total views,  5 views today

सांसद रमांकांत यादव के परिवार के चार जने के सड़क दुर्घटना में मौत

बियफे का दिने आजमगढ़ के भाजपा सांसद रमाकांत यादव के परिवार के चार लोग के मौत मथुरा से दिल्ली जाए का रास्ता में हो गइल बा. ई लोग मथुरा में जन्माष्टमी देखला का बाददिल्ली लवटत रहुवे जब एह लोग के कार सड़क पर खड़ा दोसरा गाड़ी से टकरा गइल. एह हादसा में सांसदो घवाहिल भइल … Read more

 70 total views

सर्वेश सिंह सीपू के विधवा धरना पर बइठे के चेतावनी दिहली

आजमगढ़ जिला में विधायक रहल सर्वेश सिंह सीपू के हत्या के जाँच सीबीआई अबले शुरू नइखे कइले. एह पर सपा सरकार के दोषी बतावत सर्वेश सिंह सीपू के विधवा परिवार समेत धरना पर बइठे के चेतावनी दिहले बाड़ी. सीपू के पत्नी वंदना सिंह एह अनदेखी से बहुते दुखी बाड़ी. उनकर कहना बा कि सपा का … Read more

 45 total views,  5 views today

आजमगढ़ में सड़क हादसा में सात लोग घवाहिल

आजमगढ़ जिला के मुहम्मदपुर बाजार का लगे एगो बोलेरो का चपेटा में दू गो अलग अलग मोटरसाइकिल पर सवार दू आदमी घवाहिल हो गइलें, एह लोग के गंभीर हाल मे जिला अस्पताल में भरती करावल गइल बा. एगो अउर एक्सीडेंट जहानागंज इलाका के सुम्भी बाजार का लगे भइल जब एगो कुकुर बचावे में एगो मोटरसाइकिल … Read more

 40 total views,  1 views today

आजमगढ़ का टाड़ी गाँव में घर गिरला से मरद मेहरारू के मौत

काल्हु आजमगढ़ जिला के जहानागंज इलाका के टाड़ी गाँव में एगो पुरान मकान बरखा का पानी से कमजोर हो के गिर पड़ल जवना से घर का भीतर सूतल मरद मेहरारू के दर्दनाक मौत हो गइल. प्रदेश में एह तरह के घटना में पिछला चौबीस घंटा में नाहियो त एगारह लोग के जान चल गइल बा. … Read more

 30 total views

आरक्षण समर्थक छात्रनेता के गिरफ्तारी से विद्यार्थी आन्दोलित

आरक्षण समर्थक छात्र नेता आ इलाहाबाद विश्वविद्यालय छात्रसंघ अध्यक्ष दिनेश यादव के पुलिस गिरफ्तार कर लिहले बिया. उनका साथे अउरियो करीब डेढ़ दर्जन बवाली पकड़ाइल बाड़े. एह गिरफ्तारी के विरोध करत शिब्ली नेशनल कालेज के छात्रनेता श्रीराम यादव अकेला विद्यार्थियन के एगो बइठक शनिचर का दिन बोलवले आ ओह बइठक में सरकार से माँग भइल … Read more

 50 total views

अस्सी साल पुरान पुल टूटला का चलते आवाजाही मुश्किल भइल

आजमगढ़ जिला के बरदह-अंबारी रोड पर बधवां महादेव मंदिर का लगे नदी पर बनल पुल अतना टूट गइल बा कि ओह पर से कवनो बड़का वाहन पार ना कर सके. छोटका वाहन जइसे तइसे चलत बाड़ी स. जान जाईं जे एह पुल के साल 1904 में बनावल गइल रहुवे बाकिर सही देखरेख ना भइला का … Read more

 25 total views