web analytics

कोतवाल के गिरफ्तारी के बात गलत बतवले आईजी मीणा

पहिले बतावल गइल रहे कि विधायक रह चुकल आ बसपा नेता सीपू सिंह के हत्या का मामिला में कोतवाल के निलंबित कर के गिरफ्तार कर लिहल गइल बा. बाकिर जोनल आईजी जी एल मीणा कहलन कि कोतवाल के पूछताछ खातिर हिरासत में लिहल गइल रहे बाकिर गिरफ्तार नइखे कइल गइल. अब हिरासत में लिहला आ … Read more

 175 total views

आजमगढ़ से बसपा विधायक रह चुकल सिपू सिंह के हत्या

आजु शुक का दिने कुछ अपराधी आजमगढ़ से बसपा विधायक रहल सर्वेश सिंह उर्फ सिपू सिंह के गोली मार दिहलें. एह गोलीबारी में सिपू सिंह के गनरो के गोली लागल बा. पैंतीस साल के सिपू सिंह के ठाँवे पर मौत हो गइल. बतावल जात बा कि आजु सबेरे करीब दस बजे जब सिपू सिंह आपना … Read more

 185 total views

बसपा सांसद रहल गाँधी आजाद के निधन

बसपा का तरफ से दू हाली राज्यसभा में सांसद रहल आजमगढ़ पवनी के गाँधी आजाद के सत्तर साल का उमिर में काल्हु निधन हो गइल. आजाद पिछला कई महीना से बेमार चलत रहलन. उनकर अंतिम संस्कार आजु आजमगढ़ के पवनी गाँव में कइल जाई.  185 total views,  5 views today

 185 total views,  5 views today

आजमगढ़ में बिआह में गोली चलला से एगो लड़िका मरल

आजमगढ़ के जीवनपुर इलाका के चाँदपार गाँव में एगो बारात के जनवासा में नाच गाना होखत घरी केहू फायर कर दिहल जवना से एगो लड़िका के मौत हो गइल आ एगो औरत घवाहिल हो गइल. केहु बतावत नइखे कि गोली के चलावल.  162 total views,  5 views today

 162 total views,  5 views today

आजमगढ़ में सिलिंडर फटला से दू जने के मौत

आजमगढ़ जिला के रौनापार खास में काल्हु एगो बिआह समारोह में गैस के सिलिंडर फाट गइल आ एह दुर्घटना में दू जने के मौत हो गइल. दू आदमी झँउसाइल हालत में अस्पताल में भरती करावल गइलें. एह दुर्घटना में बगल के एगो घर में आग लाग गइल आ संपति के बहुते नुकसान भइल.  153 total views

 153 total views