web analytics

सुप्रीमो कोर्ट देखा दिहलसि कि कानून मजहब देखि के लागू होला

(टटका खबर, मंगल, आषाढ़ अँजोरिया एकादशी, 2078 विक्रमी) काँवड़ यात्रा पर सुओमोटो दखल देबे वाला सुप्रीम कोर्ट बकरीद पर दलीलो सुने ला तइयार नइखे. कह दिहलसि कि बकरीद का मौका पर कोरोना प्रतिबंघन पर केरल सरकार के दीहल छूट रोके के आदेश ना दी. केरल सरकार से जबाब मँगले बा आ आजु ओह मामिला पर … Read more

Loading

गद्दारन के गिरोह बन गइल बिया कांग्रेस

टटका खबर, अतवार, जेठ अँजोरिया तृतिया, 2078 विक्रमी गद्दारन के गिरोह बन गइल बिया कांग्रेस. ई कहना बा भारतीय जनता पार्टी के. शनीचर का दिने भाजपा के बोलतुआ संबित पात्रा कहलन कि कांग्रेस पार्टी देशद्रोहियन के ‘क्लब’ हवे जवन ‘टूल किट’ के पालन करत हमेशा से देश के खोंखड़ करे में लागल बिया. मुंबई हमला … Read more

Loading

टटका खबर, बियफे. जेठ अन्हरिया प्रतिपदा, 2078 विक्रमी

काल्हु आइल भयंकर समुद्री तूफान यास उत्‍तर-पश्चिम ओर बढ़त कमजोर हो गइल. भारतीय मौसम विभाग के कहना बा कि एह तूफान से अंडमान निकोबार द्वीप समूह, ओडिशा, अउर पश्चिम बंगाल में सबले बेसी नुकसान भइल बा. घनघोर बरखा आ आन्ही से किनाते के कई एक गाँव में बाढ़ आ गइल आ कई जगहा तटबंध टूट … Read more

Loading

टटका खबर, सोमार, वैशाख अन्हरिया चतुर्दशी, 2078 विक्रमी

भारतीय जनता पार्टी के अड़ियल हिन्दू नेता हिमंत बिस्व सरमा आजु असम के मुख्यमंत्री के पद के किरिया धरीहें. एह मौका पर देश के गृह मंत्री अमित शाह आ पूर्वोत्तर क्षेत्र के राज्यन के कुछ मुख्यमंत्रियन के उपस्थित रहे के उमेद बा. निवर्तमान मुख्यमंत्री सर्बानंद सोनोवाल के अब केन्द्र सरकार में मंत्री बनावल जाए के … Read more

Loading

आजमगढ़ से अखिलेश आ आजम लड़ीहें रामपुर से

पिछला लोकसभा चुनाव में अखिलेश यादव के बाबूजी मुलायम सिंह यादव सांसद चुनाइल रहलें. अबकी ओह सीट से अब अपने लड़े के फैसला कइले बाड़न. आजु उनुका गोल से एह बाति के एलान हो गइल. मुलायम सिंह के नाम अबकी सपा के स्टार प्रचारको में शामिल नइखे कइल गइल. हालांकि ऊ सासंदी के चुनाव लड़ीहें … Read more

Loading

हम नचनियन के मुंह ना लगाईं – कहलन आजम खान

रामपुर,11 मार्च (वार्ता). समाजवादी गोल के फायरब्रांड नेता मोहम्मद आजम खान आजु अपना जमाना के मशहूर अदाकारा आ सांसद रह चुकल जया प्रदा पर घटिया टिप्पणी करत कहलें कि – हम नचनियन के मुंह ना लगाईं. आजम खान आजु एहिजा भइल एगो सार्वजनिक कार्यक्रम के दौरान कहलन कि पद्मावत बनल बा. सुननी हँ कि खिलजी … Read more

Loading

लाल कपड़ा देख जइसे साँढ़ भड़केला वइसहीं भड़कलन आजम खान

सनिचर राते यूपी का बुलंदशहर में होखत एगो समारोह में चहुँपल सपा के बड़का नेता आ अखिलेश सरकार में मंत्री आजम खान मजलिस-ए-इत्तेहादुल मुस्लिमीन (एमआईएम) के नेता असदुद्दीन ओवैसी के पोस्टर देखते भड़क गइलन. मंच पर बइठबो ना कइलन आ लगलन आपन भँड़ास निकाले. पहिले त कार्यक्रम के आयोजक आ अपना पुरान दोस्त बदरूल इस्लाम … Read more

Loading

भड़काऊ भाषण देबे का आरोप प आजम खान आ अमित शाह प रोक

भड़काऊ भाषण मामिला में चुनाव आयोग कड़ा फैसला लेत सपा नेता आ मंत्री आजम खान अउर भाजपा नेता अमित शाह के चुनावी रैली आ रोड शो करे प रोक लगा दिहलसि. चुनाव आयोग आपन जांच में पवलसि कि आजम खान आ अमित शाह जानबूझ के एह तरह के भड़काऊ भाषण दिहलें. दुनू जने प मुकदमो … Read more

Loading

अखिलेश से इस्तीफा आ आजम पर मुकदमा मंगलसि भाजपा

मुजफ्फरपुर के दंगा पर एगो खबरिया चैनल पर देखावल स्टिंग आपरेशन का बाद आजम खाँ आ अखिलेश सरकार के फजीहत के हालात बन गइल बा. स्टिंग आपरेशन मे भइल खुलासा का बाद भाजपा माँग कइले बिया कि मुख्यमंत्री इस्तीफा देसु आ आजम का मुकदमा चलावल जाव. (वार्ता)

Loading