Go to ...
RSS Feed

आमी

भूलन बाबू के पुण्य तिथि

आमी के प्रख्यात समाजसेवी रहल स्वर्गीय अवधेश कुमार सिंह के पुण्य तिथि आज उनकर बनावल स्कूल शक्ति शांति अकादमी आमी के प्रांगण में श्रद्धा का साथ मनावल गइल। एह मौका पर इलाका के खासमखास लोग मौजूद रहल आ अवधेश बाबू के, जिनका के भूलन बाबू का नाम से याद करेला सब लोग, आपन श्रधांजलि दीहल।

पहिला पुण्यतिथि पर अवधेश सिंह के प्रतिमा लगावल गइल

सारण जिला के दिघवारा इलाका के आमी में शक्ति शान्ति अकादमी के संस्थापक स्व. अवधेश कुमार सिंह के प्रतिमा स्कूल परिसर में लगावल गइल आ एह प्रतिमा के अनावरण जगदम कालेज छपरा के पूर्व प्राचार्य डा. प्रमेन्द्र रंजन सिंह कइलन. एह मौका पर बोलावल सरधांजलि समारोह में अवधेश बाबू के परिजन, शिक्षा क्षेत्र से जुड़ल

आमी घाट पर दू गो लड़िका डूबलें

बुध का दिने दिघवारा का लगे आमी के मशहूर अंबिका मंदिर पर पूजा करे आइल वैशाली जिला के फतेहपुर निवासी सुरेश सिंह के लड़िका आनंद कुमार गंगा नदी में नहाए उतर गइल आ पँवड़ के नदी पार करे लागल. ओकरा साथे ओकर साथी बिदुपुर के अविनाश आ गौतमो रहलें. गौतम घाट पर बइठल एह लोग