आरक्षण
देश के लोकप्रिय नेता नरेन्द्र मोदी का बारे में कहल जाला कि आजु ले ऊ कवनो दू गो चुनाव एक मुद्दा पर नइखन लड़ले आ हर बेर उनकर मैदान अलग होला आ उनुका खेल के नियम उहे होला जे ऊ चाहेलें. एक बेर फेरु ई कहाउत साँच होखे जा रहल बा. नरेन्द्र मोदी के दुसरका
नयी दिल्ली 17 अप्रेल. देश में एह घरी विपक्ष जइसन माहौल बनावे में लागल बा ओह माहौल में आरक्षण आ एससी एसटी एक्ट के अउरी बरियार कइल छोड़ि के दोसर कवनो राह नइखे लउकत. लमहर छलांग लगावे खातिर निहुरल बेजाँय ना मानल जाई. हालांकि मौदी भक्त मिडिल क्लास में आ आरक्षण विरोधी सवर्णन में मौजूद
चारा घोटाला में सजा पा चुकल आ राजद गोल के अध्यक्ष लालू प्रसाद यादव यूपी विधानसभा चुनाव में काल्हु से अपना दामाद के प्रचार क के समाजवादी गोल ला प्रचार करे के शुरुआत करीहें. जान जाईं जे बिहार में लालू के गोल का साथे सरकार चलावा वाला नीतीश कुमार एह चुनाव में कवनो गोल के
यूपी चुनाव ला 403 में से 371 सीट पर उम्मीदवार दे चुकल भाजपा के सूची में एकहु मुस्लिम नाम नइखे। जबकि दोसरा तरफ सपा, कांग्रेस, बसपा मुस्लिम वोट खातिर हर संभव कोशिश करत बाड़े। ऊपर से भाजपा के प्रदेश अध्यक्ष आज दावा कइलन की भाजपा के सरकार बनल त अयोध्या में राम मंदिर बनवा दीहल
आजु राज्यसभा में सांसद आ बसपा सुप्रीमो मायावती कहली कि दलितन आ जनजातियन के सरकारी आ निजी दुनू क्षेत्र में प्रोमोशनो में आरक्षण के सुविधा दीहल जाव. संगही संगे सवर्णो लोग के रिझावे खातिर कहली कि गरीब सवर्णनो के आर्थिक आधार पर आरक्षण मिले के चाहीं. जानते बाड़ी कि अइसन होखे वाला नइखे त बाँग
सात जिला के पचपन सीट में से 42 पर लड़त भाजपा आ 26 गो पर लड़त राजद एह दौर के मोदी बनाम लालू बना दिहले बावे. पूरा चुनाव भलही नीतीश बनाम मोदी के होखो. एह दौर में भाजपा नीत राजग के कोशिश बा कि निर्णायक बढ़त ले लेव जबकी अपना वजूद के लड़ाई लड़त लालू
दशहरा का बाद चुनाव प्रचार करे आइल पीएम मोदी के एगो नया आक्रामक रुप लउके लागल बा अब. दशहरा से पहिले चार गो परिवर्तन रैली अउर आठ गो चुनाव सभा क चुकल मोदी अइसन हमलावर अंदाज में ना लउकत रहलें. बाकिर अतवार का दिने अपना चारो सभा में मोदी अपना विरोधियन पर जम के हमला
बिहार भाजपा के अध्यक्ष रहल डा. सी. पी. ठाकुर आजु आरक्षण खतम करे के माँग क के चुनावी माहौल में बॅड़ेरा उठा दिहलन. कहलन कि आजादी का बाद महज दस साल खातिर आरक्षण के बात कहल गइल रहुवे बाकिर ई आजु ले चलल आवत बा आ अब एकरा के खतम क देबे के चाहीं. भाजपा
लखनऊ 16 जनवरी (वार्ता) प्रान्तीय चिकित्सा सेवा संघ प्रदेश सरकार के ओह फैसला के स्वागत कइले बा जवना में प्रान्तीय चिकित्सा एवं स्वास्थ्य सेवा संवर्ग मे तैनात डाक्टरन के प्रदेश के मेडिकल कॉलेजन में पीजी करे ला तीस फीसदी जगहा आरक्षित क दीहल गइल बा. सरकार के एह फैसला से सरकारी नौकरी में आवे वाला
एटा 16 जनवरी (वार्ता) उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री रह चुकल एटा के सांसद कल्याण सिंह आरोप लगवले बाड़न कि कांग्रेस, सपा आ बसपा मिल के पिछड़ा वर्ग के मिलल आरक्षण के फायदा मुसलमानन के देबे के साजिश रचत बाड़ी स. कहलन कि मुस्लिम आरक्षण का बाद पिछड़ा वर्ग के मिले वाला सताइस फीसदी आरक्षण में
पटना 10 जनवरी (वार्ता) बिहार लोजपा के छात्र इकाई आजु दिल्ली विश्वविद्यालय मे ओहिजा के लोकल छात्रन ला दाखिला में नब्बे फीसदी आरक्षण दिहला का खिलाफ दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल के पुतला जरवलसि आ प्रदर्शन कइलसि. छात्र लोजपा के प्रदेश अध्यक्ष संजीव सरदार के कहना बा कि अइसनका होखल बहुत गलत बात बा. दिल्ली
इलाहाबाद 14 दिसम्बर (वार्ता) उत्तर प्रदेश में सरकारी नौकरियन में ओबीसी आ एससी एसटी के आरक्षण देबे के मामिला अब तूल पकड़ले जात बा. एह बारे में अनेके निहोरा इलाहाबाद उच्च न्यायालय में दायर भइल बा जवना में एह आरक्षण के जारी राखे प सवाल उठावल गइल बा. अइसने एगो निहोरा प इलाहाबाद उच्च न्यायालय
उत्तर प्रदेश में 35 हजार 500 पुलिस कर्मियन के बहाली में अब ओह जातियन के आरक्षण के फायदा ना मिल पाई जवना जातियन के प्रतिनिधित्व सरकारी सेवाअन में पूरा हो गइल बा. एहसे ओइसन जाति के आरक्षण लाभ पर रोक लगा दीहले बा. ई आदेश काल्हु जारी करत न्यायमूर्ति सुधीर अग्रवाल साफ कइले कि पर्याप्त
इलाहाबाद उच्च न्यायालय सरकार, राज्य लोक सेवा आयोग आ अउरी फरीकन से एह बात के जवाब मँगले बावे कि आयुर्वेदिक चिकित्सा सेवा में चिकित्सा अधिकारियन के 325 पद खातिर 24 अगस्त 2013 के जारी विज्ञापन में अनुसूचित जाति के आरक्षण काहे ना दिहल गइल. एह मामिला के अगिला सुनवाई एक अक्टूबर के होखे वाला बा.
बुध का दिने संसद में आरक्षण का मुद्दा पर सुप्रीम कोर्ट के फैसला के विरोध करत सपा मुखिया मुलायम सिहं यादव कहलन कि अगर फैसला बदलल ना गइल त देश भर में दंगा आ आन्दोलन भड़क जाई. सुप्रीम कोर्ट एगो याचिका पर फैसला देत सुपरस्पेशिलिटी में आरक्षण के गलत बतावत रद्द कर दिहले बावे. एही
आरक्षण समर्थक छात्र नेता आ इलाहाबाद विश्वविद्यालय छात्रसंघ अध्यक्ष दिनेश यादव के पुलिस गिरफ्तार कर लिहले बिया. उनका साथे अउरियो करीब डेढ़ दर्जन बवाली पकड़ाइल बाड़े. एह गिरफ्तारी के विरोध करत शिब्ली नेशनल कालेज के छात्रनेता श्रीराम यादव अकेला विद्यार्थियन के एगो बइठक शनिचर का दिन बोलवले आ ओह बइठक में सरकार से माँग भइल
एगो दूरगामी फैसला में पटना हाई कोर्ट काल्हु कहलसि कि कवनो बहाली खातिर होखे वाला प्रारंभिक परीक्षा में आरक्षण ना लगावल जा सके. कोर्ट के कहना बा कि आरक्षण के नियम ओही में लगावल जा सकेला जवना के परिणाम पर बहाली होखे वाला होखे जबकि प्रीलीम से त मुख्य परीक्षा ला छँटनी भर होखेला. हालांकि
लोकसेवाआयोग के परीक्षा में आरक्षण के नयका नियम वापिस होखला का बाद अब सपा समर्थक पिछड़ा वर्ग के अभ्यर्थी बवाल खड़ा कर दिहले बाड़ें. काल्हु दिन भर इलाहाबाद में ओह लोग के झड़प रहि रहि के पुलिस से होत रहल. तीन तीन बेर बातचीत कर के समस्या के समाधान के राह निकाले के कोशिश बेकारे
परीक्षा के हर चरण में आरक्षण लगावे के यूपी सरकार का फैसला का खिलाफ प्रतिभागी अदालत के शरण लिहले बाड़े. इलाहाबाद हाई कोर्ट एह बाबत सरकार से कुछ सवाल पूछले बिया जवना के जवाब सोमार २२ जुलाई ले देबे के बा. प्रतिभागियन के विरोध एह बात पर बा कि अब प्रारंभिक परीक्षा, मुख्य परीक्षा, आ
काल्हु पटना गाँधी मैदान में बिहार दिवस समारोह के उद्घाटन करत मुख्यमंत्री नीतीश कुमार घोषणा कइलन कि अब राज्य में हर तरह के पुलिस बहाली में पैंतीस फीसदी जगहा औरतन ला आरक्षित रही. पहिले ई आरक्षण तीने फीसदी के रहुवे. बतवलन कि बिहार सरकार नारी सशक्तिकरण ला समर्पित बिया. इहो कहलन कि अबसे सगरी सहकारी
Older Posts››