Go to ...
RSS Feed

आरक्षण

ऊँच जाति के गरीब लोग के आरक्षण के विरोध कइलन शिवानन्द

बिहार जदयू के प्रवक्ता शिवानंद तिवारी बिहार सरकार के आलोचना करत कहले बाड़न कि पता ना काहे ला ऊँच जाति आयोग बनावल गइल बा. कहलन कि ऊँच जाति के गरीबन के कवनो तरह के आरक्षण ना मिले के चाही काहे कि ई व्यवस्था पिछड़ा आ अनुसूचित लोगन ना बनावल गइल बा.

आंगनबाड़ी कार्यकर्त्रियन के बहाली में आरक्षण खतम

इलाहाबाद हाई कोर्ट अपना फैसला में काल्हु आंगनबाड़ी कार्यकर्त्रियन आ सहायकन के बहाली में आरक्षण के पूरा से हटा दिहलसि. एह ला जारी सरकारी नोटिफिकेशनो के रद्द कर दिहलसि कोर्ट आ कहलसि कि चार हफ्ता का भितरे नया नियम बना लिहल जाव.

मुसलमानन खातिर आरक्षण के पैरवी कइलन आजम खाँ

यूपी के नगर विकास मंत्री आजम खाँ काल्हु कहलन कि नौकरियन में मुसलमानो के आरक्षण मिले के चाहीं. आ एकरा ला संविधान में संशोधन करे के चाहीं. कहलन कि अगर दलित आरक्षण खातिर संविधान संशोधन हो सकेला त मुसलमानो खातिर होखे के चाहीं काहे कि मुसलमान के हालत दलितो से बदतर बा.

‹‹Newer Posts