Go to ...
RSS Feed

आरा

भोजपुरी पट्टी के खबर (बियफे, 9 अप्रैल 2015)

(बुध, 8 अप्रैल के खबर) यमन से भारत के लोग के सही सलामत बचा निकाले के दौर बियफहु का दिने जारी रही. एह बीच सुने में आवत बा कि एगो गिरोह एगो भारतीय के बन्हक बना लिहले बा. 140 गो नर्सन के निहोरा मानत एक दिन के समय अउर दिहल गइल बा. भारत के एह

भोजपुरी पट्टी के खबर भोजपुरी में (बुध, 8 अप्रैल 2015)

(मंगल, 7 अप्रैल के खबर) अधिकारी आ कर्मचारियन के तबादला के कतना करी एकर कोटा तय क दिहलन यूपी के मुख्यमंत्री. मंत्री आ विभागाध्यक्ष लोग दसे फीसदी तबादला कर पाई. बाकी के तबादला मुख्यमंत्री कार्यालय के अनुमति का बादे हो पाई. तबादला 30 जून से पहिले कर लेबे के होखी ना त ओकरा बाद फेरू

भोजपुरी पट्टी के खबर (मंगल, 7 अप्रैल 2015)

(सोमार, 6 अप्रैल के खबर) बक्सर रामरेखाघाट के हाई स्कूल के एगो मास्टर साहब के कपार कुछ लड़िका फोड़ दिहले सँ. मास्टर साहब नगर थाना में शिकायत लिखवले बाड़न. बक्सर जिलाधिकारी रमण कुमार छुट्टी से वापस लवटला का बाद अपना मातहत अधिकारियन पर बरखल शुरु क दिहलन आ अनुमंडलाधिकारियो के खबर ले लिहलन. एह बात

भोजपुरी में देश दुनिया के खबर (बियफे, 2 अप्रैल 2015)

(बुध, 1 अप्रैल के खबर) पेट्रोल आ डीजल के दाम में आजु बियफे के फेरू कटौती क दिहल गइल बा. दुनिया के बाजार में तेल के दाम घटला का चलते बियफे से पेट्रोल 49 पइसा आ डीजल में 1 रुपिया 21 पइसा के कमी हर लीटर पर कइल गइल बा. प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी बुध का

भोजपुरी पट्टी के खबर (मंगल, 17 मार्च 2015)

(सोमार, 16 मार्च के खबर) इलाहाबाद जिला न्यायालय में दरोगा से अझुरइला का चलते भइल वकील के हत्या का खिलाफ देश भर के वकील विरोध दिवस मनवले सोमार का दिने आ बिहार यूपी के अदालतन में कतहीं कवनो काम ना हो पावल. एह लोग के शिकायत बा कि गोली मारे वाला दरोगा के हीरो काहे

भोजपुरी पट्टी के खबर (सोमार, 16 मार्च 2015)

(अतवार, 15 मार्च के खबर) सोमार से वाराणसी सिटी से गाजीपुर सिटी का बीच एगो नया डीएमयू चलावल जाई जवन नौ बजे सिटी से खुल के साढ़े एगारह बजे गाजीपुर चहुँपी आ ओहिजा से वापसी में तीन बजे गाजीपुर से खुली साँझ सवा पाँच बजे सिटी टीसन चहुँपी. सोमारे से छपरा मंड़ुआडीह डीएमयू के बंद

भोजपुरी पट्टी के खबर (अतवार, 15 मार्च 2015)

(शनिचर, 14 मार्च के खबर) गाजीपुर जिला के शादियाबाद इलाका के करीमुल्लाहपुर गाँव में एगो औरत अपना तीन गो बेटन के फाँसी पर लटकवला का बाद अपनहूँ फाँसी पर लटक के जान दे दिहलसि. हालांकि ओकरा नइहर के लोग ओकरा मरद आ ससुर पर हत्या करे के आरोप लगावत मुकदमा लिखववले बाड़े. बलिया जिला के

भोजपुरी पट्टी के खबर (शनिचर, 14 मार्च 2015)

(शुक, 13 मार्च के खबर) बुध का रात बक्सर में भइल सड़क हादसा का बाद भइल बवाल खातिर चार गो मुकदमा दर्ज कइले बिया पुलिस आ डेढ़ हजार लोग का खिलाफ एफआईआर लिखले बिया. एहमें 45 लोग के नामजद आरोपी बनावल गइल बा. रोहतास जिला के काराकाट इलाका के धवनी गांव में बियफे का रात

भोजपुरी पट्टी के खबर (शुक, 13 मार्च 2015)

(बियफे, 12 मार्च के खबर) बक्सर शहर के सिंडीकेट आ गोलंबर के इलाका बुध का सगरी रात जरत रह गइल. सड़क हादसे में चार आदमी के मौत आ एक दर्जन लोग के घवाहिल भइला का बाद खिसियाइल लोग के बवाल देखत इहे बुझाव कि पुलिस प्रशासन पर से लोग के भरोसा उठ गइल बा. प्रशासन

भोजपुरी पट्टी के खबर (बियफे, 12 मार्च 2015)

(बुध, 11 मार्च के खबर) इलाहाबाद जिला कचहरी में बुध का दिने एगो दरोगा से कुछ वकील के कहा सुनी हो गइल. बाद में सीढ़ी पर धक्का मुक्की में नीचे फेंकाए के अनेसा देखत आपन जान बचावे ला दरोगा अपना सर्विस रिवाल्वर से गोली चला के एगो वकील के मार दिहलसि. बाद में खिसियाइल वकील

भोजपुरी पट्टी के खबर (बुध, 11 मार्च 2015)

(मंगल, 10 मार्च के खबर) बिहार विधानसभा में आजु नीतीश सरकार के आपन बहुमत साबित करे के बा. एह वोटिंग में जीतन राम माँझी आ उनकर समर्थक विधायको नीतीशे का पक्ष में वोट करीहें ना त विधायिकी छीना जाई. मंगल का दिने लोकसभा में भूमि अधिग्रहण, पुनर्वास आ पुनर्स्थापन विधेयक पारित हो गइल. सरकार एह

भोजपुरी पट्टी के खबर (मंगल, 10 मार्च 2015)

(सोमार, 9 मार्च के खबर) आरा न्यूज भोजपुर जिला के कश्यपनगर पुलिस लाइन मुहल्ला में सोमार का दिने पानी में डूबला का चलते पैंसठ बरीस के एगो आदमी के मौत हो गइल. गायक अभिनेता पवन सिंह के पत्नी नीलम के खुदकुशी करे के कारण के कवनो थाह नइखे लागल अबले. केहू कुछ बतावे के तइयार

भोजपुरी पट्टी के खबर (सोमार, 9 मार्च 2015)

(अतवार 8 मार्च के खबर) आरा न्यूज आरा के उदवंत नगर इलाका के सिंह कालोनी में फगुआ का दिने भइल गोलीबारी का मामिला में धराइल तीन जने के जेल भेज दिहल गइल बा जबकि एक जने के तलाशल जात बा. फगुआ ले के आरा में अलग-अलग जगहा भइल घटनन का चलते तीन जने के मौत

भोजपुरी पट्टी से खबर (मंगल, 3 मार्च 2015)

(सोमार 2 मार्च के खबर) सोमार से सीबीएसई बोर्ड के इंटर परीक्षा शुरु हो गइल. परीक्षा में कड़ाई का चलते बहुते विद्यार्थी इम्तिहाने छोड़ दिहलन. कुछ जगहा नकल करत परीक्षार्थियन के निकाले के खबर बा. शुक का दिने होली पड़ला का चलते नमाजियन के कवनो दिक्कत मत होखे एह चलते हर जगहा जिला प्रशासन चेतवले

भोजपुरी पट्टी से टटका खबर

(शनिचर, 28 फरवरी के खबर) हप्ता में तीन दिन चले वाली छपरा-लखनऊ एक्सप्रेस के संचालन पहली मार्च से शुरू हो जाई. 15053/15054 नंबर वाला एह गाड़ी के रेल राज्य मंत्री मनोज सिन्हा वाराणसी टीसन से झंडी देखा के रवाना करइहें. भारत के पहिलका राष्ट्रपति देशरत्न डा. राजेन्द्र पसाद के 52 वीं पुण्यतिथि का मौका पर

भोजपुरी पट्टी से टटका खबर (21 फरवरी)

(शुक, 20 फरवरी के खबर) केन्द्रीय स्वास्थ्य मंत्री जेपी नड्ढा आ गोरखपुर से भाजपा सांसद योगी आदित्यनाथ शुक का दिने गोरखपुर मेडिकल काॅलेज अस्पताल के निरीक्षण कइले आ अस्पताल के विकसित करे के भरोसा दिहले. दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय के कर्मचारी संघ के चुनाव में मनीष त्रिपाठी अध्यक्ष, राजबहादुर गौतम महामंत्री आ संतोष सिंह के

भोजपुरी पट्टी से खबर

अबहिए पता चलल बा कि बिहार के मुख्यमंत्री जीतन राम माँझी इस्तीफा दे दिहलन काहे कि उनुका पता चल गइल कि उनुका लगे बहुमत नइखे. बाकिर एह दौरान नीतीश कुमार के सत्ता लोलुप चेहरो उजागर क गइले जीतन. (बियफे 19 फरवरी के खबर) बक्सर जिला के डुमरांव व्यवहार न्यायालय के हरियाणा फार्म से हटाके डुमरांव

देश दुनिया के खबर भोजपुरी में (बियफे, 19 फरवरी 2015)

(बुध, 18 फरवरी के खबर) पटना उच्‍च न्‍यायालय जीतनराम मांझी सरकार के बड़हन नीतिगत फैसला लेबे पर रोक हटा दिहलसि त माँझी कैबिनेट नया फैसलन के बरखा करा दिहलेंं. एह फैसलन में सरकारी नौकरी में 35 फीसदी महिला आरक्षण, पुलिस में हर साल तेरह महीना के तनखाह, किसान सलाहकारन आ होमगार्डन के मानदेय में बढ़ोतरी,

देश दुनिया के खबर भोजपुरी में (बुध, 18 फरवरी 2015)

(मंगल, 17 फरवरी के खबर) ईसाईयन के एगो समारोह में शामिल होखे चहुँपल प्रधानमंत्री मोदी कहलन कि उनकर सरकार देश में कवनो संप्रदाय के नफरत पसारे ना दी आ धार्मिक आजादी के मान राखी. हालांकि हाल ही में दिल्ली के एगो स्कूल में भइल चोरी के घटना का बाद मीडिया में बेवजह के बवाल खड़ा

देश दुनिया के खबर भोजपुरी में (मंगल, 17 फरवरी 2015)

नमस्कार! आजु महाशिवरात्रि का दिने रउरा सभे ला शुभकामना करत टटका खबर पर पेश बा सोमार 16 फरवरी के खबर. Download Music – Embed Audio Files – TatkaKhabar-16-Feb-15 श्रीलंका में पिछला महीना भइल चुनाव जीतला का बाद पहिला बेर विदेश यात्रा पर निकलल श्रीलंका के राष्ट्रपति मैथ्रिपाला सिरिसेना सोमार का दिने प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी से

Older Posts›› ‹‹Newer Posts