Go to ...

टटका खबर

Online Bhojpuri Newspaper

RSS Feed

इलाहाबाद

टटका खबर, 26 सितम्बर 2017, मंगल

भारत अउर अमरीका के रक्षा मंत्रियन के भेंट अउर बातचीत का बाद जारी बयान में कहल गइल बा कि कतहिंयो आतंकवाद के सुरक्षित शरणस्‍थली रहे बने के बर्दाश्‍त ना कइल जा सके. आजु भारत के रक्षा मंत्री निर्मला सीतारामन आ अमरीका के रक्षा मंत्री जेम्‍स मेटिस के नई दिल्‍ली में भेंट अउर बातचीत भइल. मॉरिशस

पीए के शुद्ध पानी ला पूर्वांचल के मिली 1583 करोड़

केंद्र सरकार पूर्वांचल समेत यूपी के दस जिलन में पीए के शुद्ध पानी के इंतजाम करावे ला 1583 करोड़ खरच करे के मंजूरी दे दिहलसि. एह में से 87 फीसदी केन्द्र सरकार दी जबकि 13 फीसदी खरच राज्य के करे पड़ी. इलाहाबाद, सोनभद्र, गाजीपुर, बलिया, कुशीनगर, देवरिया, गोरखपुर, बस्ती अउर बहराइच में होखे जात एह

वाराणसी इलाहाबाद का बीच आजु से बिजली के इंजन

वाराणसी आ इलाहाबद का बीच आजु से बिजली के इंजन से चले लगीहें स रेलगाड़ी. एह रुट के बिजलीकरण नवम्बरे में हो गइल रहुवे आ ओकरा बाद से मालगाड़ी चला के लाईन जाँचल गइल. बाद में पूर्वा एक्सप्रेस चलावल गइल बिजली इंजन से. अब एह रूट के बिजलीकरण पूरा तौर पर हो जाई जब सगरी

भोजपुरी पट्टी के खबर (बियफे, 12 मार्च 2015)

(बुध, 11 मार्च के खबर) इलाहाबाद जिला कचहरी में बुध का दिने एगो दरोगा से कुछ वकील के कहा सुनी हो गइल. बाद में सीढ़ी पर धक्का मुक्की में नीचे फेंकाए के अनेसा देखत आपन जान बचावे ला दरोगा अपना सर्विस रिवाल्वर से गोली चला के एगो वकील के मार दिहलसि. बाद में खिसियाइल वकील

टटका खबर : 14 सितंबर 2014

टटका जानकारी आजु हिन्दी दिवस ह. आजुए जेएनयू के छात्रसंघ चुनाव के रिजल्ट आवे वाला बा. जिउतिया परसो 16 सितंबर के मनावल जाई. 13 सितंबर के पड़ल वोट 16 सितंबर के गिनल जाई. 17 सितंबर के विश्वकर्मा जयन्ती आ नरेन्द्र मोदी के जन्म दिन पड़ी. ओही दिन चीन के राष्ट्रपति भारत यात्रा पर अइहें आ

टटका खबर : 12 सितंबर 2014

टटको में टटका खबर भोजपुरिका डाॅट काॅम पर प्रकाशित होखल करी आ दिन भर के खबर बिटोर के बाद में एहिजा सिलसिलेवार डालल जाई. टटका भारत करोडों रूपिया के सारधा चिट फंड घोटाला में आरोपी आ पश्चिम बंगाल के पुलिस महानिदेशक रहल तृणमूल कांग्रेस नेता रजत मजुमदार के 16 सितंबर तक ले सीबीआई के हिरासत

इलाहाबाद में सीसैट का खिलाफ लंगटे हो के विरोध जतावल गइल

काल्हु इलाहाबाद में समाजवादी छात्र सभा के कुछ सदस्य लंगटे खड़ा हो के निरंजन डाट पुल पर सीसैट के विरोध जतवले. कुछ देर खातिर ओहिजा जनता एक्सप्रेस रुकल आ लोग एह लोग के लंगटई देखल. कहल लोग कि अगर सीसैट ना हटल त बवाली आन्दोलन करी लोग.

बलिया न्यूज ८ फरवरी २०१४

पुलिस महानिदेशक बनला का बाद पहिला बेर अपना गाँवे, बलिया के अवाँया गाँव, आइल रिजवान अहमद बतवलन कि सरकार जल्दिए चालीस हजार सिपाहियन के बहाली करी. रिजवान अहमद के उनका गाँवे प गार्ड आफ आनर दिहल गइल. मऊ जिला के हलधरपुर थाना के सहुआरी गाँव के सैकड़ो साल पुरान शिवमन्दिर प लागल सोना के त्रिशूल

माघ मेला के सगरी तइयारी पूरा

इलाहाबाद 11 जनवरी (वार्ता) इलाहाबाद मे 14 जनवरी से शुरु होखे जात माघ मेला ला जिला प्रशासन सगरी तइयारी क लेले बा. आधिकारिक प्रवक्ता बतवावत बाड़े कि गंगा यमुना आ सरस्वती के संगम पर 14 जनवरी मकर संक्रांति के नहान से माघ मेला शुरू होखी आ 27 फरवरी महाशिवरात्रि ले चली. एह मेला में सुरक्षा

मुख्य न्यायाधीश डा.धनंजय वाई चन्द्रचूड शपथ लिहलन

इलाहाबाद 31 अक्टूबर (वार्ता) न्यायमूर्ति धनंजय वाई चन्द्रचूड इलाहाबाद उच्च न्यायालय के मुख्य न्यायाधीश के शपथ लिहलन. शपथ राज्यपाल बी.एल. जोशी दिअवले. एह समारोह में प्रदेश के मुख्य सचिव समेत अनेके प्रशासनिक आ पुलिस अधिकारी मौजूद रहले. न्यायमूर्ति धनंजय वाई चन्द्रचूड के जनम 11 नवम्बर 1959 के भइल रहे. दिल्ली विश्वविद्यालय से लॉ की डिग्री

Older Posts››