Go to ...
RSS Feed

इसरो

कुकुरन के चिन्हवा दिहलसि चन्द्रयान-2

भारत के अन्तरिक्ष अनुसंधान संगठन इसरो के मिशन चन्द्रयान-2 अपना अधिकतर मकसद में सफल साबित होखला का बावजूद अपना उपलब्धि के चित्रांकित करे में असफल हो गइल. काहे कि आखिरी मौका पर ओकर लिंक फेल कर गइल आ ऊ विक्रमलैन्डर से ओकरा उतरला के आंकड़ा हासिल ना कर पवलसि. चन्द्रयान-2 के प्रक्षेपण से लगाइत विक्रमलैन्डर

टटका खबर, सोमार, 5 जून 2017

भारतीय अंतरिक्ष अनुसंधान संगठन – इसरो – आजु अंतरिक्ष के क्षेत्र में एगो बड़हन उपलब्धि हासिल करत आपन आजु तकले के सबले भारी आ शक्तिशाली रॉकेट जीएसएलवी मार्क-3 से भारतीय संचार उपग्रह जीसैट-19 के सफल प्रक्षेपण आंध्र प्रदेश के श्रीहरिकोटा से कइलसि. एकरा पहिले भारी उपग्रहन के छोड़े खातिर विदेश के सहायता लेबे के पड़त

टटका खबर, 15 फरवरी 2017, बुध

सिवान के बाहुबली नेता आ सिवान से राजद सांसद रहल शहाबुद्दीन के सिवान जेल से हटा के तिहाड़ जेल भेजे के आदेश सुप्रीम कोर्ट दे दिहलसि आ इहो कहलस कि उनुका प चलत सगरी मामिला के सुनवाई वीडियो कान्प्फ्रेंसिंग से करावल जाव. एह फैसला के स्वागत करत भाजपा के बड़ नेता आ केन्द्रीय मंत्री रहल