web analytics

उत्तर प्रदेश के खबर

(शुक, 30 दिसंबर) विधानसभा चुनाव से पहिले मायावती शुक का दिने अपना चार गो अउरी मंत्रियन के बर्खास्त कर दिहली. अबही ले करीब डेढ़ दर्जन मंत्रियन के या त बरखास्त कर दिहल गइल बा भा ऊ लोग त्याग पत्र दे दिहले बा. आजु एगो अउरी मंत्री ददन मिश्रा इस्तीफा दे दिहलन. मुलायम के कहना बा … Read more

 301 total views

उत्तर प्रदेश के खबर

(बुध, 28 दिसंबर) मायावती अपना दू गो अउरी मंत्रियन, गैर परम्परागत ऊर्जा राज्य मंत्री अकबर हुसैन आ विज्ञान प्रौद्योगिकी राज्य मंत्री यशपाल सिंह के, बर्खास्त कर दिहली. लखनऊ में आजु राजनीतिक दल के नुमाइन्दन के मुख्य चुनाव अधिकारी उमेश सिन्हा चुनाव के नियम कायदा के जानकारी दिहले. मान्यता मिलल हर पार्टी अपना दल के चालीस … Read more

 321 total views

उत्तर प्रदेश के खबर

(मंगल, 27 दिसंबर) विधान सभा चुनाव के मद्दे नजर राज्य के सगरी शराब उत्पादक, ठेकेदार आ विक्रेता से रोज के उत्पादन आ बिक्री के आंकड़ा ले के आबकारी विभाग के वेबसाइट पर डालल जरूरी कर दिहल गइल बा. सगरी होर्डिंग आ बैनर के हटावे उतारे के काम शुरू कर दिहल गइल बा. भाजपा आ जदयू … Read more

 311 total views

उत्तर प्रदेश के खबर

(सोमार, 26 दिसंबर) अपना चुनाव अभियान पर निकलल राहुल गाँधी सोमार का दिने सीतापुर में कहलन कि प्रदेश के विकास खातिर कांग्रेस के ले आई सभे. सपा नेता अखिलेश यादव के कहना बा कि प्रदेश में कांग्रेस आ बसपा का बीच सांठगांठ बन गइल बा. प्रदेश के चार गो मंत्रियन के बर्खास्तगी के देरी से … Read more

 256 total views

उत्तर प्रदेश के खबर

(अतवार, 25 दिसंबर) चुनाव घोषणा से उत्तर प्रदेश बोर्ड के परीक्षा के टरे के अनेसा हो गइल बा जवन पहली मार्च से होखे वाला रहुवे. प्रदेश में अठाईस फरवरी के आखिरी चरण के मतदान करावल जाई आ चार मार्च के वोट गिनल जाई. महामना पंडित मदनमोहन मालवीय के जन्मदिन पर आजु राज्य भर में श्रद्धांजलि … Read more

 294 total views

उत्तर प्रदेश के खबर

(शनिचर, 24 दिसंबर) उत्तर प्रदेश विधानसभा के चुनाव के घोषणा आजु निर्वाचन आयोग कर दिहलसि. राज्य में सात चरण में मतदान करावल जाई आ चार मार्च के वोट गिनल जाई. पहिला चरण के वोट चार फरवरी, दुसरका के आठ फरवरी, तिसरका एगारह फरवरी, चउथका पन्द्रह फरवरी, पँचवा उनईस फरवरी, छठवाँ तेईस फरवरी आ सातवाँ वोटिंग … Read more

 322 total views

उत्तर प्रदेश के खबर

(शुक, 23 दिसंबर) कांग्रेसी नेता बेनी प्रसाद वर्मा अपना के अन्ना हजारे से बड़हन नेता बतावल कहले बाड़े कि आजु ले उनुका पर कवनो आरोप नइखे लागल. कहलन कि यूपी में अन्ना के कवनो प्रभाव नइखे. केन्द्र सरकार झाँसी के रानी लक्ष्मीबाई मेडिकल कॉलेज के दिल्ली के एम्स का तरह विकसित करी आ ओहिजा एमबीबी॓एस … Read more

 286 total views

उत्तर प्रदेश के खबर

(बियफे, 22 दिसंबर) मायावती कहले बाड़ी कि अगर सीबीआई के लोकपाल का अधीन ना कइल गइल त बसपा एह विधेयक के समर्थन ना करी. खाद्य सुरक्षा बिल के मायावती कांग्रेस के चुनावि स्टंट बतवले बाड़ी. चालू मौसम में जाड़ा से मरे वालन के गिनिती एक सौ तैंतीस हो गइल बा आ गलन वाला जाड़ा अबहियो … Read more

 281 total views

उत्तर प्रदेश के खबर

(बुध, 21 दिसंबर) कड़ाका के जाड़ा से यूपी में अबहीं ले एक सौ से बेसी मौत हो चुकल बा आ ई गिनिती अबहीं अउरी बढ़े वाला बा. गोरखपुर जिला में बुध का दिने राप्ती नदी में एगो नाव पलटला का चलते ओहपर सवार सात गो लड़िका डूब के मर गइलें. आ एगो लड़िका के अबहियो … Read more

 260 total views

उत्तर प्रदेश के खबर

(मंगल, 20 दिसंबर) प्रदेश के चार गो राज्य में बाँटे के प्रस्ताव केन्द्र सरकार कुछ सवाल उठावत फेर राज्य सरकार का लगे भेज दिहलसि. केन्द्र जानल चाहत बावे कि एह विभाजन के पूरा रूपरेखा का रही. सीमा का होखी, राजधानी कहवाँ बनी, कर्जा कइसे बँटाई आ अधिकारियन के बँटवारा कइसे होखी एह सब सवालन के … Read more

 312 total views

उत्तर प्रदेश के खबर

(अतवार, 18 दिसंबर) लखनऊ में अतवार का दिने मुस्लिम क्षत्रिय वैश्य सम्मेलन में मायावती कहली कि अगिला दू तीन दिन में विधानसभा चुनाव के घोषणा हो सकेला. कहली कि अयोध्या में बाबरी ढाँचा गिरावे में कांग्रेस आ भाजपा के मिलिभगत रहुवे. कहली कि बसपा चाहेले कि मुसलमानन आ गरीब सवर्णन खातिर आरक्षण दिहल जाव. राज्य … Read more

 305 total views

उत्तर प्रदेश के खबर

(शनिचर, 17 दिसंबर) कड़ाका ठंड का चलते राज्य में बिजली के मांग बहुते बढ़ गइल बा. सरकार के कहना बा कि बिजली सप्लाई में कमी ना होखे दिहल जाई. जबकि बलिया शहर में काल्हु दिन भर बिजली ना रहल आ आजुवो उहे हाल बा. प्रदेश के प्रशिक्षण निदेशालय सिपाही बने वाला करीब 33,000 रंगरूटन से … Read more

 294 total views

उत्तर प्रदेश के खबर

(शुक, 16 दिसंबर) राज्य सरकार आदेश दिहले बिया कि सगरी ग्रामसभा के बइठकन के वीडियोग्राफी करावल जाव आ ओकरा के सम्हार के राखल जाव. बसपा सांसद धनंजय सिंह का खिलाफ गैंगस्टर कानून लगा दिहल गइल बा. पिछला साल अप्रेल में जौनपुर के केराकत थाना इलाका में टोलटैक्स का झगड़ा में दू आदमी के गोली मार … Read more

 320 total views

उत्तर प्रदेश के खबर

(बियफे, 15 दिसंबर) इलाहाबाद उच्च न्यायालय मायावती सरकार से तीन हफ्ता का भीतर जबाब मँगले बावे कि कैबिनेट सचिव शशांक शेखर सिंह का खिलाफ भठियरपन के आरोप में मुकदमा दर्ज करावे के अनुमति काहे ना दिहल जाव. राहुल गाँधी के कहना बा कि मायावती आ मुलायम जाति के राजनीति कइलन जवना चलते राज्य के विकास … Read more

 362 total views

उत्तर प्रदेश के खबर

(सोमार, 12 दिसम्बर) समाजवादी पार्टी के झटका देत ओकर राज्यसभा सांसद रशीद मसूद सोमार का दिने कांग्रेस में शामिल हो गइलन. एह बाति के घोषणा दिल्ली में दिग्विजय सिंह कइलन. अपना इस्तीफा का बारे में रशीद मसूद के कहना बा कि आजम खाँ पूरा पार्टी पर काबिज हो गइल बाड़न. बतावल जात बा कि रालोद … Read more

 287 total views

उत्तर प्रदेश के खबर

(अतवार, 11 दिसम्बर) बसपा सांसद धनंजय सिंह के हत्या के एगो पुरान मामिला में अतवार का दिने लखनऊ में गिरफ्तार कर लिहल गइल. धनंजय एकरा के सरकार के साजिश बतवले बाड़न. लखनऊ में राहुल गाँधी अतवार का दिने इस्लामिक संस्थान के प्रमुख मौलाना राबे हसन नदवी से भेंट कइले. रालोद नेता अजित सिंह सोनिया गांधी … Read more

 279 total views

उत्तर प्रदेश के खबर

(शनिचर, 10 दिसम्बर) राज्य के सगरी मण्डल मुख्यालयन पर पेंशन अदालत आयोजित करे के निर्देश दिहल गइल बा आ पेंशन से जुरल सगरी मामिला के जानकारी वेबसाइट पर डाले के कहल गइल बा. शनिचर साँझ लागल पूर्ण चन्द्र ग्रहण रात के एगारह बजे खतम भइल. एह दौरान श्रद्धालु लोग अन्न जल ग्रहण ना कइल आ … Read more

 287 total views

उत्तर प्रदेश के खबर

(बियफे, 8 दिसंबर) झारखंड में कोयला किंग कहाये वाला सुरेश सिंह के बुध का रात गैंगवार में हत्या कर दिहल गइल. पन्द्रह साल से कोयला के कारोबार पर वर्चस्व बनवले सुरश सिंह के भतीजी के शादी बलिया के विधानपार्षद रविशंकर सिहं उर्फ पप्पू सिंह के भाई से भइल बा, एह नाते सुरेश सिंह के संबंध … Read more

 303 total views

उत्तर प्रदेश के खबर

(बुध, 7 दिसंबर) यूपी में राहुल के जनसम्पर्क अभियान के दुसरका दौर अब 13 दिसम्बर से शुरू होखी. राज्य सरकार के सैनिक कल्याण खातिर संवेदनशील बतवली मुख्यमंत्री मायावती. लखनऊ में बुध का दिने एगो निजी डेंटल कॉलेज के बस नहर में गिरला से ओह पर सवार तीन लोग के मौत हो गइल. बरेली जिला में … Read more

 315 total views

उत्तर प्रदेश के खबर

(सोमार, 5 दिसंबर) कांशीराम नगर जिला में आजु मंगल का दिने रोडवेज बस आ ट्रक का टक्कर में छव गो सवारियन के मौत हो गइल आ सतरह गो घवाहिल हो गइलें. महाराजगंज जिला में सशस्त्र सीमा बल अउर पुलिस मिल के एगो नेपाली तस्कर के करीब 10 लाख रुपिया के चरस का साथे गिरफ्तार कर … Read more

 302 total views