उपचुनाव
बिहार के दस गो विधानसभा सीट पर भइल उपचुनाव के वोट आजु गिनात बा. अबहीं भाजपा गठबन्हन पाँच जगहा से आ लालू गठब्नहनो पाँचे सीट से आगे चलत बा. पिछला बेर भाजपा के छह गो सीट रहल आ लालू गठबन्हन के चार गो. एह हिसाब से भाजपा नुकसान में चलत बिया. परबत्ता से जदयू, मोहनियां
बिहार विधानसभा के दस गो खाली भइल सीटन पर आजु वोट डलाई, चुनाव के सही तरीका से करावे खातिर हर जगहा के प्रशासन चउकस बा, सारण जिला प्रशासन दियारा इलाका मे नावो से पेट्रोलिंग करावल तय कइले बा. बुध का दिने जगहे जगहे वाहन चेकिंग भइल. आजु सबेरे सात बजे से वोटिंग शुरू बा. छपरा
बिहार के दस गो विधानसभा सीट खातिर होखे जात उपचुनाव प सभकर नजर टिकल बा. भाजपा नेता लोग के कहना बा कि परिणाम चउँकावे वाला होखी आ दसो सीट राजग का पाले आई. जबकि विरोधी जदयु-राजद-कांग्रेस वालन के दावा बा कि दसो सीट उहे जीतिहें. भाजपा नीतीश-लालू गठबंधन के ठगबंधन बतावत बिया. कुछ दिन पहिले
अतवार का दिने छपरा के रामजयपाल सिंह यादव कालेज का मैदान मे लालू प्रसाद आ नीतीश कुमार एक मंच प मौजूद रहले. विधानसभा चुनाव मे भाजपा के हरावे खातिर दुनू जने वइसही एके साथ हो गइल बाड़े जइसे बाढ़ का चलते साँप आ नेउर एके गाछ पर शरण ले लेले. कबो लालू के जंगल राज
कुछ दिन पहिले बिहार के मुख्यमंत्री के बयान आइल रहे कि अगर चुनाव में जदयू राजद कांग्रेस गठबन्हन के बहुमत मिलल त नीतीश कुमार मुख्यमशत्री बनीहे. एह बयान का बाद बिहार के राजनीति गरमा गइल बा. राजद के कहना बा कि अबहीं एह तरह के कवनो बातचीत भा फैसला नइखे भइल. एह बयान का चलते
नरकटियागंज, राजनगर, जाले, छपरा, हाजीपुर, मोहिउद्दीनगर, परबत्ता, भागलपुर, बाँका, आ मोहनिया विधानसभा सीट पर होखे वाला चुनाव के अधिसूचना पिछला 26 जुलाई के जारी हो गइला का बाद परचा दाखिला के काम शुरु हो गइल बा. एह सीटन ला तीन गो गोलबन्दी सामने आइल बा. भाजपा आ लोजपा के गोलबन्दी, कांग्रेस राजद आ जदयू के
अगिला 21 आगस्त के बिहार विधानसभा के 2 गो सीट ला होखे वाला उपचुनाव में नीतीश कुमार के जदयू, लालू प्रसाद के राजद आ कांग्रेस तीनो मिल के लड़ीहे. राजद चार सीट प, जदयू चार सीट प आ कांग्रेस दू सीट पर लड़ी. अइसहीं वाममोर्चा के भाकपा माले पाॅच गो प, माकपा तीन गो प
बिहार में दस गो विधानसभा सीट पर होखे जात उपचुनाव ला एक तरफ भाजपा नीत राजग आ दोसरा तरफ जदयू, राजद, कांग्रेस, वाम दल वगैरह पार्टियन के घेराबन्दी शुरु हो गइल बा. भाजपा के कहना बा कि राजग के सगरी दल एह उपचुनाव ला पूरा से तइयार बाड़े. ओने जदयू नेता आ बिहार के मुख्यमंत्री
चुनाव आयोग शनिचर का दिने बिहार के दस गो खाली विधानसभा सीट पर उप-चुनाव करावे के एलान क दिहलसि. नरकटियागंज, राजनगर सुरक्षित, जाले, छपरा, हाजीपुर, मोहिउद्दीन नगर, परबत्ता, भागलपुर, बाँका आ मोहनिया सीट पर अगिला 21 अगस्त के वोट करावल जाई. एह ला अधिसूचना 27 जुलाई के जारी होखी आ 2 अगस्त ले परचा दाखिल
कर्नाटक में भइल दू गो लोकसभा सीट खातिर भइल उपचुनाव में कांग्रेस जनता दल सेकुलर के हरा दिहलसि. भाजपा आ येदियुरप्पा के पार्टी एह चुनाव में आपन उमेदवार ना दिहले रहुवे आ घुमा फिरा के जनता दल सेकुलर के समर्थन दिहले रहुवे. एह चुनाव में कुमारस्वामी के पत्नी आ प्रधानमंत्री रहल देवगोडा के पतोहु चुनाव
महाराजगंज लोकसभा सीट पर भइल उपचुनाव में राजद उम्मीदवार प्रभुनाथ सिंह अपना मुकाबिले चुनाव लड़े आइल बिहार के मंत्री पी के शाही के लगभग एक लाख सैंतीस हजार वोट से हरा दिहलें. एह चुनाव के नीतीश कुमार अपना नाक के लड़ाई बनवले रहलें बाकिर सफलता हाथे ना लागल. कांग्रेस के उम्मीदवार जितेन्द्र स्वामी कवनो तरह
महाराजगंज लोकसभा उपचुनाव में अपना उम्मीदवार प्रभुनाथ सिंह के शानदार जीत का उमेद से खुश लालू प्रसाद कहलन कि महाराजगंज के हार नीतीश कुमार के निजी हार माने के चाहीं. कहलन कि जनता हमनी ले आगा चलेले आ खुद जनते हरा दिहलसि नीतीश कुमार के लिफाफाबाजी के. ई खबर लिखत घरी ले चुनाव परिणाम सामने
महाराजगंज लोकसभा सीट से उपचुनाव में राजद के प्रभुनाथ सिंह जीत का हिसाब से आगे हो गइल बाड़ें आ जदयू उम्मीदवार पी के शाही आपन हार सकार लेले बाड़ें. अबहीं अंतिम परिणाम सामने नइखे आइल. गुजरात से दूनु लोकसभा आ चारो विधानसभा सीट पर भाजपा निर्णायक बढ़त बना लिहले बिया, पश्चिम बंगाल के हावड़ा लोकसभा
इलाहाबाद जिला के हँडिया विधानसभा सीट से सपा विधायक महेश नारायण सिंह का निधन का चलते होखे वाला उपचुनाव में आजु वोट डलात बा. तेरह जने मैदान में बाड़ें. सपा एहिजा से स्व॰ महेश नारायण सिंह के बेटा के उम्मीदवार बनवले बिया. कांग्रेस, भाजपा आ बसपो के उम्मीदवार मैदान में बाड़ें.
महाराजगंज लोकसभा सीट पर होखे वाला चुनाव ला प्रचार आजु साँझ पाँच बजे से थथम जाई. एके साल खातिर होखत एह चुनाव के नीतीश कुमार आ लालू प्रसाद के नाक के सवाल बना दिहल गइल बा. दुनु तरफ से जीत खातिर हर दाँव खेले के तइयारी बा. बीच में कांग्रेसो आपन पूरा जोर लगवले बिया
महाराजगंज लोकसभा उपचुनाव शांति आ बिना पक्षपात करावे ला जिला प्रशासन पन्द्रह लोग के जिलाबदर कर दिहले बा. आ सैंतीस जने के अपना थाना में सबेरे साँझ हाजिरी लगावे के आदेश दिहले बा. जिलाबदर होखे वालन में घुरापाली के राकेश सिंह भुअरा, बेलदारी गांव के खेलाड़ी राय, कोपा टंड़वा के कन्हैया सिंह, जानकी नगर कोपा
महाराजगंज लोकसभा उपचुनाव में सगरी दल अपना उम्मीदवार के जितावे खातिर प्रचार करे में जी जान से लागल बाड़ी सँ. सभे दावा करत बा कि ओकरे उम्मीदवार जीती बाकिर भितरे भीतर सभकर पसीना छूटत बा काहें कि जनता के मूड के थाह नइखे लागत.
इलाहाबाद जिला के हंडिया विधानसभा सीट पर सपा विधायक महेश नारायण सिंह के निधन का चलते होखे वाला उपचुनाव में चौदह जने चुनाव मैदान में बाड़े. पन्द्रह लोग परचा दाखिल कइले रहुवे जवना में से एक जने परचा वापिस ले लिहलन. अब चौदह लोग मैदान में रह गइल बा.
इलाहाबाद जिला के हंडिया विधानसभा सीट पर होखे जात उपचुनाव खातिर आजु पहिलका परचा दाखिल भइल. ई सीट सपा विधायक महेश नारायण सिंह के निधन से खाली भइल बा आ सपा एहिजा से उनुका बेटा प्रशान्त कुमार सिंह के टिकट दिहले बिया. भाजपा का तरफ से एह सीट पर विद्याकांत तिवारी के उम्मीदवार बनावल गइल
हालही में बलिया के जिगिनी आ खड़ीचा गाँव में ग्राम प्रधान खातिर उपचुनाव करावल गइल. मनियर ब्लाक में जिगिनी के प्रधान रहल रामजनम चौहान के निधन से खाली सीट पर भइल उपचुनाव में स्व॰ रामजनम चौहान के पत्नी कौशल्या देवी के श्यामबिहारी राजभर के पत्नी मीरा देवी उनसठ वोट से हरा दिहली.गड़वार ब्लॉक के खड़ीचा
Older Posts››
‹‹Newer Posts