Go to ...
RSS Feed

उपचुनाव

कल्याणपुर विधानसभा सीट उपचुनाव में जदयू के जीत

समस्तीपुर जिला के कल्याणपुर विधानसभा सीट के उपचुनाव में जदयू के मंजू कुमारी लोजपा के रेखा देवी के सोलह हजार चार सौ बत्तीस वोट से हरा दिहली. कांग्रेस के अनिता राम तिसरका जगहा पर रहली.

बेटन का बहाने बापन के इम्तिहान

आजु दू गो उपचुनाव के वोट के गिनिती होखे वाला बा. टिहरी से उत्तराखंड मुख्यमंत्री विजय बहुगुणा के बेटा त जंगीपुर से राष्ट्रपति प्रणव मुखर्जी के बेटा चुनाव लड़त बाड़ें. दुनु सीट विजय बहुगुणा आ प्रणव मुखर्जी के संसद से इस्तीफा दिहला का चलते खाली भइल रहुवे.

एगो अउरी निर्विरोध चुनाव के तइयारी

बड़ बड़ जने दहाइल जासु गदहा पूछे कतना पानी! कन्नौज लोकसभा उपचुनाव में डिम्पल का खिलाफ खड़ा दुनु उम्मीदवार आपन नाम वापिस ले लिहलें आ डिम्पल यादव एगो इतिहास रच दिहली संसद ला निर्विरोध चुना के. अब आधिकारिक घोषणा होखल बाकी बा. एही तरह राज्यसभा सांसद बृजभूषण तिवारी का निधन से खाली भइल सीट पर

लागऽता डिम्पल निर्विरोध चुनइहें

कन्नौज लोकसभा सीट पर होखे जात उप चुनाव में सपा का तरफ से मुख्यमंत्री अखिलेश यादव के मेहरारू डिम्पल के उम्मीदवार बनावल गइल बा. डिम्पल का खिलाफ कांग्रेस, बसपा आ भाजपा में से कवनो दल आपन उम्मीदवार खड़ा करे के तइयार नइखे. बुध का दिने परचा दाखिल करे के आखिरी दिन होखी आ बुधे के

‹‹Newer Posts