web analytics

टटका खबर, बियफे. 8 अप्रैल 2021

आखिरकार चुनाव आयोग के ममता बनर्जी के नोटिस भेजहीं के पड़ल. काल्हु बुध का दिने आयोग नोटिस भेजि के पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्री आ तृणमूल कांग्रेस के मलकिनी ममता बनर्जी से पूछलसि कि ऊ आपन सफाई मे का कहल चाहत बाड़ी से 48 घंटा का भितरे बतावसु. चुनाव आयोग के कहना बा के शुरुआती जाँच … Read more

 208 total views

टटका खबर, मंगल, 6 अप्रैल 2021

एक दिन में कोविड के सरीज बढ़े के गिनिती काल्हु आपन पुरान निशान पार करत एगो नया चोजी छू लिहलसि. काल्हु 5 अपेरैल के देश में कोरोना के एक लाख तीन हजार 558 नया मरीज मिललें. एकरा साथही देश भर में कोरोना छूताह हो चुकल लोगन के गिनिती सवा करोड़ पार हो गइल. अब ले … Read more

 161 total views

बुध 2 सितम्बर 2020 के टटका खबर भोजपुरी में

लालू प्रसाद के राजद वाला गठबन्हन में शामिल रहल हिन्दुस्तानी आवाम मोर्चा अब राजग में आ गइल बा. बुध का दिने जीतन राम माँझी राजग में शामिल हो गइलें. सुशील मोदी उनुकर स्वागत करत कहलन कि लालू के भाव खतम हो गइल बा आ एही चलते उनुका गठबन्हन में भगदड़ मच गइल बा. पहिले ऊ … Read more

 218 total views,  1 views today

छपरा न्यूज, 16 अक्टूबर 2016, अतवार

भसान का बाद अब पूजा समितियन पर मुकदमा शुरू होखे के दौर दूर्गा पूजा बीतला आ मूर्तिभसान हो चुकला का बाद अब प्रशासन पूजा समितियन पर तरह तरह के केस लादल शुरू क दिहले बा. बिहात सरकार हवनो तक प रोक लगा के आपन सेकूलरिज्म देखा चुकल बीया बाकिर कबो तजिया निकाले पर रोक लागल … Read more

 121 total views

एकमा में इलेक्ट्रानिक दुकान मे चोरी

सारण जिला के एकमा बाजार मे दुर्गा मंदिर का नियरा के एगो इलेक्ट्रानिक दुकान मे शनिचर के रात छान्ह पर लगावल एस्बेस्टस तूड़ के हजारो रुपिया के सामान चोरा लिहल गइल बा/ एह बारे मे थाना मे मुकदमा लिखवावल गइल बा.  395 total views

 395 total views

आर्मी ट्रेनिंग कैंप से लापता बा हरपुर के नवही

सारण जिला के एकमा थाना के हरपुर गांव के एगो नवही चार महीना पहिले आर्मी मे चुना गइल त घर वालन के खुशी के पार ना रहे. फेर ट्रेनिग ला नवही घर से गइल बाकिर पिछला महीना कैम्प से फोन आइल कि राउर लड़िका कैम्प से लापता हो गइल बा. तब से बेहाल घरवाला ओकर … Read more

 377 total views

छपरा न्यूज ८ फरवरी २०१४

बनियापुर इलाका के पिपरा गाँव में उमेश कुमार माँझी अपना मेहरारू के गरदन दबा के मुआ दिहलसि. बतावल जात बा कि भउजाई के प्यार में आन्हर उमेश के आएदिन अपना मेहरारू ललिता से झगड़ा होखत रहे. कई बेर एहीला मारोपिटाई करत रहुवे उमेश. शनिचर का दिने ओकरा प अपना मेहरारू ललिता के गला दबा के … Read more

 466 total views

एकमा टीसन प लालपुर आ भरहोपुर के लड़िकन का बीच मारपीट

छपरा-सिवान रेलखंड के एकमा टीसन प बुध का दिने कवनो बात प लालपुर आ भरहोपुर गाँव के लड़िकन का बीच मारपीट हो गइल. एह मारपीट में पाँच छह गो लड़िका घवाहिल हो गइले. जानकारी पवते एकमा पुलिस टीसन प चहुँपल बाकि तबले मारपीट करे वाला खसक गइल रहले. बतावल जात बा कि एह लड़िकन का … Read more

 442 total views

ट्रेन से कटा के दू गो औरतन के मौत

छपरा 04 नवम्बर (वार्ता) पूर्व मध्य रेलवे के सोनपुर रेल मंडल मे आज छपरा सिवान रेल खंड पर एकमा स्टेशन का नियरा एगो ट्रेन से कटा के दू गो औरतन के मौत हो गइल. पुलिस के कहना बा कि एकमा थाना के माने गांव के भगवान प्रसाद के पत्नी अड़तीस साल के कलावती देवी आ … Read more

 451 total views

ट्रेन से कटा के एहो नवही के मौत

सारण जिला में एकमा टीसन का लगे आजु एगो नवही के ट्रेन से कटला से मौत हो गइल. रेल पुलिस से पता चलल कि छपरा सिवान रेल खंड पर एकमा टीसन का लगे रेल पटरी पार करत एगो नवही कटिहार से अमृतसर जात आम्रपाली एक्सप्रेस से कटा गइल आ ठाँवे पर ओकर मौत हो गइल. … Read more

 422 total views

खाना पकावत में पचरुखिया गाँव के एगो औरत के मौत

सारण जिला के एकमा थाना के पचरुखिया गाँव में खाना बनावत घरी एगो औरत जर गइल. हादसा का बाद ओकरा के तुरते ले जा के एकमा के एगो नर्सिंग होम में भरती करावल गइल बाकिर ओकर खराब हालत देख डाक्टर ओकरा के पटना रेफर कर दिहलन. पटना जाए का राहे में ओकर मौत हो गइल. … Read more

 441 total views

एकमा मठिया का नियरा छह लाख के गहना लूट लिहले स बदमाश

शुक का साँझ एकमा थाना के मठिया गांव का नियरा कुछ बदमाश मोटर साइकिल से पीछा लागल आ के एकमा में आपन दुकान बन्द कर के लवटत स्वर्ण व्यापारी रमेश उर्फ पलटू सोनी से छह लाख रुपिया के गहना लूट के फरार हो गइले सँ.  429 total views

 429 total views

एकमा प्राथमिक स्वास्थ्य केन्द्र पर तोड़फोड़

बियफे का सबेरे हंसराजपुर के एगो छह साल के लइकी के साँप कटला का बाद घर के लोग एकमा स्वास्थ्य केन्द्र पर ले आइल. लइकी के हालत खराब देख ओहिजा मौजूद डाक्टर ओकरा के छपरा जिला अस्पताल ले जाए के सलाह दिहलें बाकिर राहे में दाउदपुर ले जात जात ओकर मौत हो गइल. जवना का … Read more

 387 total views

अपना मेहरारू के जान लेबे वाला हत्यारोपी पकड़ाइल

एकमा थाना के तिलकार गाँव के पंकज श्रीवास्तव के पुलिस यूपी के रामपुर से गिरफ्तार कर लिहलसि. पंकह पर अपना पत्नी सुधा के हत्या के आरोप बा. सुधा दाउदपुर के चमरहिया गाँव के रहली.  409 total views

 409 total views

राजद नेता कामेश्वर सिंह मुन्ना गोल बदलीहें

अपना पार्टी से नाराज कामेश्वर कुमार सिंह मुन्ना जे पिछला चुनाव में एकमा विधानसभा से राजद उम्मीदवार का तौर पर चुनाव लड़ल रहलें अब जदयू में शामिल होखे के एलान कइले बाड़न. एह एलान से पहिले ऊ अपना समर्थकन संगे बइठक कइलें.  519 total views

 519 total views

नवही क्रिकेटर रविकांत सिंह के शानदार स्वागत

अंडर-19 विश्वकप जीते वाली क्रिकेट टीम में शामिल रविकांत सिहं मंगल का दिने जब अपना गाँव छपरा जिला के एकमा प्रखंड के सेंदुआर चहुँपलन त उनकर शानदार स्वागत भइल. सेंदुआर स्कूल से आपन पढ़ाई करे वाला रविकांत कहलन कि गाँवे आ के बेहद खुशी मिलल.  396 total views

 396 total views

विद्युतिकरण के माँग खातिर सड़क जाम

बढ़ेया गाँव के लोग शुक का दिने एकमा प्रखंड में बिजली विभाग के कार्यालय का सोझा छपरा-पटना मेन रोड जाम कर दिहल. ऊ लोग अपना गाँव के विद्युतिकरण के माँग करत रहुवे. बाद में ओह लोग के आश्वासन दे के जाम हटावल गइल.  417 total views

 417 total views

देवरिया पुलिस एकमा से छह जने के गिरफ्तार कइलसि

सोमार के देवरिया पुलिस एकमा के हरपुर गाँव आ सिवान जिला के सिसवन नोनिया पट्टी से कुल मिला के छह लोग के पकड़ ले गइल. एह लोग पर देवरिया के एगो लड़िका के अपहरण आ फिरौती वसूलला का बादो हत्या कर देबे के आरोप बा. गिरफ्तार लोग में अंजन तिवारी देवरिया के रामगुलाम टोला के … Read more

 436 total views