web analytics

जान बचावे खातिर माँद में वापिस लवटे लगलें घासफूसिया

टटका खबर, शनीचर, जेठ अँजोरिया दूज, 2078 विक्रमी पश्चिम बंगाल विधानसभा चुनाव में भाजपा के बयार बहत देखि बहुते तृणमूलिया उधियात भाजपा में शामिल होखे आवत गइलें आ भाजपा सभका के सकारत चलि गइल. बाकिर चुनाव बाद जब फेरु ममता के निर्ममता वाली सरकार बनि गइल आ साफ हो गइल कि भाजपा में बेंवत नइखे … Read more

 25 total views

टटका खबर, शुक, जेठ अन्हरिया दूज, 2078 विक्रमी

छह बेर विश्व चैम्पियन रहल भारत के एमसी मैरीकोम दुबई में होखत 2021 एएसबीसी एशियाई महिला अउर पुरुष मुक्केबाजी चैंपियनशिप के फाइनल में पहुंच गइल बाड़ी. अब मैराकोम के एशियाई चैम्पियनशिप में सतवां बेर पदक मिलल तट हो गइल बा. मैराकोम 2008 में रजत पदक जीतला का अलावे 2003, 2005, 2010, 2012, अउर 2017 में … Read more

 41 total views

भोजपुरी पट्टी से 26 मार्च 2018, मंगल के 17 गो खबर

बिहार के औरंगाबाद में कर्फ्यू औरंगाबाद 26 मार्च (वार्ता). औरंगाबाद जिला प्रशासन रामनवमी जूलूस पर भइल पथराव का बाद भइल उपद्रव के देखत शहर में कर्फ्यू लगा दिहले बावे. उपद्रवी महाराजगंज बाजार के कई एक दुकान में आग लगा दिहले रहलें. हालांकि अब हालात काबू में बा. विद्यालय का नियरा से औरत के लाश मिलल … Read more

 47 total views

22 मार्च 2018, बियफे चार बजे ले भोजपुरी पट्टी से सात गो खबर

माई के प्रताप से एहिजा अंग्रेजनो के माथ नवावे पड़ल रहुवे देवरिया, 22 मार्च (वार्ता). देवरिया जिला मुख्यालय से करीब सात किलोमीटर दूर अहिल्वार गांव में अहिलवार देवी के प्रताप का आगे अंग्रेजनो के आपन फैसला बदलत माई के प्रताप का आगे माझ नवावे के पड़ल रहुवे. जानकार बतावेलें कि करीब 110 साल पहिले बनारस … Read more

 20 total views

भोजपुरी पट्टी से टटका खबर, 12 मार्च 2018, सोमार

वाराणसी आ पटना के बीचे सफर भइल आसान वाराणसी, 12 मार्च (वार्ता). प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आजु मंडुवाडीह रेलवे स्टेशन पर ‘‘जन शताब्दी एक्सप्रेस” के हरियर झंडी देखाके बिहार के राजधानी पटना ला रवाना करवलन. बतावल जात बा कि ई गाड़ी संख्या 15125 वाराणसी के मंडुवाडीह टीसन से रोज सबेरे सवा छह बजे रवाना होखल करी … Read more

 25 total views

मुगलसराय अब दीनदयाल

यूपी के चंदौली जिला में स्थित मुगलसराय टीसन के नाम जनसंघ के अध्यक्ष रहल स्व. दीनदयाल उपाध्याय का नाम प राखे के प्रस्ताव के केन्द्र सरकार मंजूरी दे दिहलसि. हालांकि ‘मुगल’ सराय में रहे वाला विपक्ष एकरा विरोध में बा. मोतिहारी में एगो समारोह में राज्य के परयटन मंत्री प्रमोद कुमार कहलन कि बिहार के … Read more

 15 total views

बिहार से अपराध आ हादसा के खबर

रोहतास जिला के सुरजपुर इलाका के बारुना गाँव में काल्हु शनिचर का रात बारात देखत घरी एगो घर के छत गिर गइला का चलते दू जने के मौत हो गइल आ दू दर्जन लोग घवाहिल हो गइल. मरे वाला बाप बाटी रहलें. सारण जिला के एकमा इलाका में कुछ बदमाश काल्हु तेजाब फेंक के तीन … Read more

 70 total views

दुर्घटना आ अपराध के खबर

बस्ती जिला के वाल्टरगंज इलाका के खरखरा गांव का नियरा एगो गाड़ी के धक्का से दुपहिया सवार दू जने के ठाँवे पर मौत हो गइल बलिया के भीमपुरा इलाका के अहिरौली गाँव का लगे ट्रक से गिट्टी उतारत घरी भहरात गिट्टी संगे गिरे से बाँचे खातिर एगो मजदूर हड़बड़ी में उपर से जात बिजली के … Read more

 61 total views

भोजपुरी पट्टी आ बिहार से हादसा आ अपराधन के खबर

भदोही जिला के औराई इलाका में नेशनल हाईवे पर दुपहिया से जात दू गो भाई कार के चपेटा में पड़ के मर गइलें. कारो पलट गइल आ ओकर ड्राइवरो घवाहिल हो गइल. जौनपुर जिला के बदलापुर इलाका के सरोखनपुर गांव का नियरा दुपहिया से जात महतारी बेटा रोडवेज बस के चपेटा में मर गइलें. तिसरको … Read more

 61 total views

मदनपुर पुलिस फायरिंग का खिलाफ विधानसभा में जम के बवाल

सोमार का दिने बिहार विधानसभा में औरंगाबाद जिला के मदनपुर में पिछला दिने भइल पुलिस फायरिंग का खिलाफ भाजपा आ राजग विधायक जम के विरोध जतवले. भाजपा एह मामिला के न्यायायिक जाँच करावे आ मरे वालन के परिवार के दस दस लाख रुपिया मुआविजा देबे के माँग कइले बाड़े.  61 total views

 61 total views

औरंगाबाद में पुलिस फायरिंग से दू जने के मौत

बिहार के औरंगाबाद में शनिचर का दिने मदनपुर में जुलूस निकाल के विरोध जतावत लोग के काबू करेला पुलिस गोली चलवलसि जवना में एगो औरत आ एगो आदमी के मौत हो गइल. गाँव वाले एहला विरोध करत रहलन कि आए दिन सर्च अभियान का नाम पर पुलिस तंग करेले. पुलिस के कहना बा कि जुलूस … Read more

 80 total views

सूर्योपासना के महापर्व छठ आजु से शुरू हो गइल

पटना 06 नवम्बर (वार्ता) सूर्योपासना के चार दिन वाला महापर्व छठ के आजु नहाय खाय से शुरू हो गइल. छठ महापर्व के पहिला दिने व्रती लोग नदी तालाबन में नहा के शुद्ध घी मे बनल अरवा भोजन कइल. एकरा बाद काल्हु दिन भर खरना करत रार में एक बेर दूध आ गुड़ से बनल खीर … Read more

 88 total views

औरंगाबाद मे विस्फोट का बाद अगल बगल के जिलन में तलाशी अभियान

बिहार के औरंगाबाद जिला में सात लोग के मरइला का बाद उग्रवाद प्रभावित गया आ रोहतास जिलन मे माओवादियन का खिलाफ तलाशी अभियान चलावल जात बा. पुलिस बतावत बिया कि औरंगाबाद से लगले गया जिला के उग्रवाद से सबले अधिका प्रभावित डुमरिया आ इमामगंज थाना के घन जंगलन मे माओवादियन के गिरफतारी ला सघन तलाशी … Read more

 73 total views

हथियार आ डेढ़ लाख रूपिया संगे दू गो अपराधी गिरफ्तार

बिहार के औरंगाबाद में घोरहत मोड़ का लगे एगो घर से पुलिस दू गो अपराधियन के गिरफ्तार कर लिहलसि, एहनी का लगे से अनेके हथियार आ डेढ़ लाख रूपिया बरामद भइल. पुलिस के जानकारी मिलल रहे कि कुछ अपराधी घोरहत मोड़ का नियरा एगो घर मे जुटल बाड़े त पुलिस ओह गर पर छापामारी कर … Read more

 37 total views

औरंगाबाद में ट्रक से कचरा के तीन लोग के मौत

बिहार के औरंगाबाद जिला के बारुण इलाका में हाईवे पर सिरीस पुल का लगे एगो ट्रक से कचरा के तीन लोग के मौत हो गइल. पुलिस के कहना बा कि भोजपुर जिला के बिहिया इलाका के कुछ लोग एगो पिकअप वैन पर मवेशी लादके वाराणसी ओरी जात रहले जब ओह वाहन के चक्का पक्चर हो … Read more

 55 total views

औरंगाबाद में एगो चौकीदार के गोली मार के हत्या

बिहार के औरंगाबाद जिला के कुटुम्बा इलाका के चनकप गांव मे काल्हु देर रात कुछ अपराधी एगो चौकीदार के गोली मार के हत्या कर दिहलन. बतावल जात बा कि कुटुम्बा थाना के चौकिदार मानिक चंद पासवान रात में आपन ड्यूटी खतम कर के लवटत रहले. तबहिए चनकप गांव का लगे पहिले से घात लगा के … Read more

 51 total views

बिहार के औरंगाबाद में भइल नक्सली हमला में पाँच गो सुरक्षाकर्मियन के मौत

औरंगाबाद जिला के गोह थाना के रफीगंज रोड पर जाजापुर गांव का लगे एमवीएल कंपनी के कैंप पर बुध का रात में नक्सली हमला कर दिहलें आ कैप पर तैनात तीन गो सैप जवान आ दू गो निजी सुरक्षा गार्डन के मार दिहलें. सोलह गो सैप जवान लापता बाड़ें. नक्सली एह हमला में ढेरे रायफल … Read more

 55 total views

नक्सली यात्री बस जरवलें

बिहार के औरंगाबाद जिला के देव इलाका में आजु सबेरे नक्सली छह गो गाड़ी फूंक दिहलें जवना में एगो यात्री बस रहल. ओकनी के गोलीबारी से एक आदमी के मौत हो गइल आ एक जने घाहिल हो गइलें. बस जरावे के घटना कंचनपुर गांव के नियरा भइल. ओहिजा नक्सली बस रोकवा के सवारियन के नीचे … Read more

 40 total views

औरंगाबाद के देव में पर्यटकन के हर सुविधा दिहल जाई

बिहार सरकार के पर्यटन मंत्री सुनील कुमार पिंटू काल्हु औरंगाबाद के देव में दू दिन के सूर्य महोत्सव के उद्घाटन करत कहलन कि देव में देशी आ विदेशी पर्यटकन के सगरी सुविधा दिहल जाई आ एह ला अगल बगल के धार्मिक आ एतिहासिक महत्व के जगहन के पर्यटक केन्द्र का तरह बढ़ावल जाई.  52 total views

 52 total views