कांग्रेस
नयी दिल्ली, 22 जुलाई (वार्ता). कांग्रेस के नयका अध्यक्ष बनल राहुल गाँधी के बनावल पहिलका कार्यसमिति के भइल बइठका में आजु तय कइल गइल कि अगिला लोकसभा चुनाव 2019 में मोदी के अकेले हरावे के बेंवत कवनो गोल में नइखे रहि गइल आ एकरा खातिर मोदी विरोधी सगरी गोलन के मिला जुला के एगो नया
नयी दिल्ली, 17 जुलाई (वार्ता). कांग्रेस का तरफ से आजु कहल गइल कि बुध का दिन से शुरू होखे जात संसद के मानसून सत्र में मोदी सरकार का खिलाफ ऊ अविश्वास प्रस्ताव ले के आई आ एह प्रस्ताव का साथे नाहियो त एक दर्जन गोल तइयारो हो गइल बाड़ी सँ आ कुछ अउरी गोलन के
नयी दिल्ली 12 जुलाई (वार्ता). भाजपा कांग्रेस के सांसद आ ओकरा शासन में केन्द्रीय मंत्री रहल शशि थरूर के ओह बयान पर जवना में देश के ‘हिन्दू पाकिस्तान’ बने के बात कहल गइल बा, आपन तिताह टिप्पणी करत कहले बिया कि कांग्रेस फेर भारत आ भारत के लोकतंत्र के बदनाम करे आ हिन्दुअन के विरोध
नयी दिल्ली, 26 मई (वार्ता). मोदी सरकार के 4 बरीस पूरा होखे का मौका के विश्वासघात दिवस के नाम देत कांग्रेस आजु प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आ भारतीय जनता पार्टी के अध्यक्ष अमित शाह के जोड़ी के देश ला नुकसानदेह बतावत कहलसि कि एह चार बरीस में आपन कवनो वायदा ना पूरा के भाजपा देश से
बेंगलुरु 25 मई (वार्ता) भारतीय जनता पार्टी (भाजपा) के बड़का नेता आ कर्नाटक के मुख्यमंत्री रह चुकल बी एस येद्दियुरप्पा आजु कहलन कि राज्य में कांग्रेस के कहानी अब खतम हो चुकल बा आ उनुका गोल का निशाना पर अब मुख्यमंत्री एच डी कुमारस्वामी बाड़न. भाजपा गोल के विधायकन के बइठक से पहिले मीडिया से
देवरिया, 25 मई (वार्ता) उत्तर प्रदेश के देवरिया टीसन प हजूम लेके चहुँपे, ढ़ोल नगाड़ा बजावे आ नारेबाजी कइला का अछरंग में कांग्रेस के देवरिया जिलाध्यक्ष समेत करीब दी सौ लोग पर रेल पुलिस मुकदमा दर्ज कइले बिया. रेलवे प्रोटेक्शन फोर्स (आरपीएफ) के प्रभारी निरीक्षक अभय कुमार राय आजु बतवलन कि काल्हु सँझिया युवा कांग्रेस
नयी दिल्ली, 08 मई. कांग्रेस आजु देश के देखा दिहलसि कि ओकर भरोसा न्यायपालिका पर ना होके ओह जजे लोग पर बा जिनका के ऊ पसन्द करेले. उच्च्तम न्यायालय के मुख्य न्यायाधीश का खिलाफ ओकर महाभियोग प्रस्ताव के नोटिस जब राज्यसभा के सभापति खारिज कर दिहलें त ऊ एह मामिला के सुप्रीम कोर्ट में उठावे
नयी दिल्ली, 20 अप्रैल. कांग्रेस समेत देश के सात गो विरोधी गोल के सदस्य आजु राज्यसभा के सभापति एम. वेंकैया नायडु के सुप्रीम कोर्ट के मुख्य न्यायाधीश दीपक कुमार मिश्रा का खिलाफ महाभियोग प्रस्ताव के नोटिस दिहलें. नोटिस सउँपला का बाद राज्यसभा में विरोधी गोल के नेता गुलाम नबी आजाद आ कांग्रेस के बड़का वकील
नयी दिल्ली 19 अप्रैल. केंद्रीय जांच ब्यूरो (सीबीआई) के न्यायाधीश रहल बी एच लोया के मौत के स्वतंत्र जांच करावे ला दीहल गइल सगरी याचिका सुप्रीम कोर्ट आजु खारिज क दिहलसि. कहलसि कि जनहित याचिका लगावल एह घरी आपन व्यापारिक भा राजनीतिक बदला निकाले के धंधा बनि गइल बा. वकीलन के बाकायदा नाम लेत अदालत
बेंगलुरु, 18 अप्रैल (वार्ता) भारतीय जनता पार्टी (भाजपा) के अध्यक्ष अमित शाह आजु कहलन कि भगवा आतंकवाद का नाम पर कांग्रेस लाखों साल पुरान हिन्दू संस्कृति के बदनाम कइले बिया आ एह गलती ला कांग्रेस अध्यक्ष राहुल गांधी के पूरा देश से माफी मांगे के चाहीं. कर्नाटक विधानसभा के 12 मई का दिने होखे वाले
नयी दिल्ली 02 अप्रैल. अनुसूचित जाति अउर जनजाति अत्याचार निवारण अधिनियम में से तत्काल गिरफ्तारी के प्रावधान पर सुप्रीम कोर्ट के रोक लगवला का बाद देश के विपक्षी गोलन के मौका मिल गइल देश भर में दलितन के उकसा के बवाल करे आ हिन्दूवन के अपने में लड़ावे भिड़ावे के. एहमें मुसलमान अनेरियो सब खुलेआम
मैसुरु 31 मार्च. भाजपा के राष्ट्रीय अध्यक्ष अमित शाह आजु कहलन कि दक्खिन में घुसल भाजपा के असल मनसा बा आ एकरा खातिर कर्नाटक विधानसभा चुनाव में भाजपा के जीत मील के पत्थर साबित होखी. अमित शाह आजु पत्रकारन से बतियावत में कहलन कि भाजपा 21 राज्यन में सत्ता में आ गइल बिया बाकिर कर्नाटक
नयी दिल्ली 18 मार्च (वार्ता). अगिला आम चुनाव में जीते के हुंकार भरत कांग्रेस के कहना बा कि ई दू गो विचारधारन के लड़ाई बा आ ऊ अपना जइसन विचार राखे वाला गोलन के साथे ले के भाजपा के सत्ता से उखाड फेंकी. आजु पूरा भइल कांग्रेस के तीन दिन के महाधिवेशन में मोदी सरकार
नयी दिल्ली 11 मार्च (वार्ता) राज्यसभा के दुबरीसा चुनाव ला कांग्रेस आजु अपना दस गो उमीदवारन के सूची जारी कइले बिया. कांग्रेस चुनाव समिति के प्रभारी ऑस्कर फर्नांडिस एहिजा जारी विज्ञप्ति में बतवले बाड़न कांग्रेस अध्यक्ष राहुल गांधी एह नामन के आपन मंजूरी दिहले बाड़न. कांग्रेस के बड़का बोततुआ अभिषेक मनु सिंघवी के पश्चिम बंगाल
मुंबई 09 मार्च(वार्ता). कांग्रेस के अध्यक्षा रहल सोनिया गांधी आजु एगो टीवी कार्यक्रम में बोलत नरेन्द्र मोदी सरकार पर जमके हमला बोलली आ कहली कि “अच्छे दिन” के हालो “इंडिया शाइनिंग” जइसन होखे वाला बा आ 2019 में ऊ वापसी करीहें. विपक्षी गोल के एकजुट करे का कोशिश में लागल कांग्रेस नेता सोनिया गाँधी कहली
राज्यपाल आ मुख्यमंत्री दिहलें डॉ. राजेंद्र प्रसाद के श्रद्धांजलि पटना 28 फरवरी (वार्ता). राज्यपाल सत्यपाल मलिक आ मुख्यमंत्री नीतीश कुमार आजु देश के पहिलका राष्ट्रपति देशरत्न डॉ. राजेंद्र प्रसाद के 55वां निर्वाण दिवस पर आपन श्रद्धांजलि अर्पित कइलें. पटना के महाप्रयाण घाट (बांस घाट) स्थित राजेन्दर बाबू के समाधि का नियरा आजु मुख्य राजकीय समारोह
समय का सोझा केहू के ना चले. कांग्रेस के गुमान रहुवे कि ऊ देश के सरकार चलावे वाली पार्टी हीय आ सरकार में रहे भा विपक्ष में ओकरा के खास मान मिलते रही. बाकिर अबकी गणतंत्र जिवस के मौका पर ओकर ई गुमान टूट गइल. 69वां गणतंत्र दिवस मनावत देश देखल कि कांग्रेस अध्यक्ष राहुल
चारा घोटाला में मुजरिम करार हो चुकल लालू के पूरा परिवार प अब जेल जाए के अनेसा मँड़रात बा. अपना जेल जाए का बेरा अपना मेहरारू के सीएम बनवा के कुरसी प कायम रहे के तिकड़म करे वाला लालू के जब चुनाव लड़े के नाकाबिल बना दीहल गइल त ऊ अपना बेटन के अपना गोल
बिहार के सीएम आ जदयू के राष्ट्रीय अध्यक्ष नीतीश कुमार आजु एक बेर फेरु रेघरिया दिहलन कि ऊ भाजपा का साथे नइखन जाए वाला आ एह तह के कवनो बात बकवास छोड़ कुछ अउर ना ह. साथही इहो कहलन कि राजद के रैली महागठबन्हन के रैली ना ह एहसे ओह रैली में जदयू के दलगत
हर साल कपड़ा-फाड़ होली खेले वाला लालू प्रसाद के करेजा अबकी यूपी विधानसभा चुनाव अइसन फाड़ दिहलसि कि सादा होली खेललन आजु फगुआ का दिने. सोचले रहलन कि बिहारे के तरह यूपीओ में मोदी के हरा दीहि टीपू आ पप्पू के जोड़ी, बाकिर जनता अइसन हाल बना दिहलसि कि फगुआ खेले के मने ना भइल.
Older Posts››
‹‹Newer Posts