Go to ...
RSS Feed

कानपुर

उगिलत आन्हर घोंटत कोढ़ी

कानपुर में आठ गो पुलिसवालन के खून करे वाला अपराधी विकास दूबे के आजु भोरे मध्यप्रदेश के उज्जैन में महाकाल मंदिर से गिरफ्तार कर लीहल गइल. बतावल जात बा कि विकास अपनहीं चिल्ला चिल्ला के आपन परिचय बतवलसि कि ऊ कानपुर वाला विकास दूबे ह. इहो कहल जात बा कि महाकाल मन्दिर में ओकर गिरफ्तारी

रोटोमैक घोटाला में कोठारी का बाद अब बैंक अधिकारियन के नंबर

कानपुर, 21 फरवरी (वार्ता) कानपुर के रोटोमैक कंपनी मालिक विक्रम कोठारी पर शिकंजा कसला का बाद सीबीआई आ ईडी के टीम अब कुछ बैंक अधिकारियन पर शिकंजा कसे खातिर ओह लोग से पूछताछ शुरु क सकेलें. सुने में आव बा कि एह बैंक अधिकारियन के पूछताछ खातिर सीबीआई आ ईडी के टीम जल्दिए बोलहटा भेजी.

नोएडा आ लखनऊ का बाद अब कानपुर, आगरा आ मेरठो में चली मेट्रो

यूपी के तीन गो अउर महानगरन – कानपुर, आगरा अउर मेरठ – में मेट्रो सेवा शुरु कइल जाई. एकर फैसला बियफे का दिने भइल यूपी कैबिनेट का मीटिंग में लीहल गइल बा. ई काम साल 2024 ले पूरा करा लीहल जाई. तीनों शहरन में मेट्रो रेल के दू दू गो कारीडोर होखी. कानपुर आ आगरा

मोदी के कानपुर में रैली 19 अक्टूबर के

कानपुर में होखे वाला नरेन्द्र मोदी के रैली के तारीख अब उनइस अक्टूबर तय भइल बा. एह रैली में पार्टी अध्यक्ष राजनाथ सिंह समेत अनेके नेता मौजूद रहीहें. पार्टी के दावा बा कि रैली ऐतिहासिक होखी. (वार्ता)

मोदी के कानपुर रैली खातिर आपन मैदान देबे से मना कर दिहलसि रेलवे

भाजपा का ओर से पीएम उम्मीदवार नरेन्द्र मोदी के कानपुर मे होखे वाला रैली खातिर आपन मैदान देबे से रेलवे मना कर दिहलसि. पहिले पन्द्रह अक्टूबर के होखे वाला रैली दशहरा आ बकरीद का चलते अब 20 अक्टूबर के होखी बाकिर एहला कानपुर के निरालानगर मे रेलवे मैदान देबे से रेलवे इन्कार कर दिहले बिया.

मोदी के कानपुर रैली के तारीख बदलल

गुजरात के मुख्यमंत्री आ भाजपा के पीएम प्रत्याशी नरेन्द्र मोदी के उत्तर प्रदेश मे होखेवाला पहिलका रैली के तारीख बदलल जात बा पहिले ई रैली कानपुर मे 15 अक्टूबर के होखे वाला रहुवे बाकिर विजयादशमी आ बकरीद का चलते प्रशासन एह तारीख में रैली के अनुमति नइखे देत. अब कानपुर वाली रैली 19 भा 20

कानपुर में होली का दिने आठ लोग डूबल

कानपुर में काल्हु बुध का दिने दू गो अलग अलग दुर्घटना में आठ लोग के मौत हो गइल. एहमें सगरी नवही रहलें जवना के उमिर सोलह साल से छब्बीस साल का बीचे रहल. पाँच लोग कोहना थाना इलाका में गंगा बराज में नहात घरी डूबल जबकि तीन जने बिठूर इलाका के ब्रह्मावर्त घाट पर डूबल.