Go to ...
RSS Feed

कुकुर

कुकुर का चलते एक घंटा ले ट्रेन रुकल रहल

बियफे का रात छपरा जंक्शन पर चंडीगढ़ से डिब्रुगढ़ जाए वाली ट्रेन करीब एक घंटा ले रुकल रहि गइल काहे कि बुक कइल एगो कुकुर गार्ड का चार्ज देत बेरा भाग निकलल रहे. एह बारे मे जानकारी मिलते ओह कुकुर के मालिक, जे आर्मी के अधिकारी रहले, बवाल करे लगले. सगरी महकमा परेशान हो गइल

कुकुर का चलते साम्प्रदायिक बवाल के अनेसा

पिछला दिने जौनपुर में एगो कुकुर का चलते साम्प्रदायिक माहौल गड़बड़ाइल बुझाइल जब एक जाना के पोसुआ कुकुर दोसरा जाना के बकरी के काट लिहलसि. दुनु तरफ के लोग एह मामिला पर एक दोसरा का सोझा हो गइल. पुलिस ओह कुकुर के पकड़ के थाना ले आइल त उ ओहिजे से दीवार फान के भाग