कुशीनगर
हिंदू धर्म के ग्रंथन के जन-जन ले चहुँपावे में लागल गोरखपुर के गीता प्रेस के अध्यक्ष अउर बरीसन से ‘कल्याण’ पत्रिका के संपादक रहल राधेश्याम खेमका के निधन वाराणसी में अतवार का दिने हो गइल. 86 बरीस के खेमका जी कई दिन से बीमार रहनी. वाराणसी के केदारनाथ घाट पर अपना निवास पर उहाँ के
मशहूर अभिनेता रजनीकांत के साल 2019 के दादासाहेब फाल्के पुरस्कार से सम्मानित करे के एलान सूचना आ प्रसारण मंत्री प्रकाश जावडेकर कइले. उनुका के ई पुरस्कार अगिला महीना के 3 तारीख के दीहल जाई. घोषणा करत जावडेकर कहलन कि पचास बरीस से रजीकांत फिल्मी दुनिया के बेताज बादशाह बाड़न. उनुकर काम सूरज जइसन दमकेला. अपना
प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी आजु बिहार में पेट्रोलियम क्षेत्र के तीन गो परियोजना राष्ट्र के समर्पित कइलें. एहमें पारादीप-हल्दिया-दुर्गापुर पाइपलाइन के विस्तार करत दुर्गापुर-बांका खंड अउर पूर्वी चंपारण आ बांका में रसोई गैस सिलेंडर भरे वाला दू गो एलपीजी संयत्र शामिल बाड़ी स. नौ सौ करोड़ रूपिया के एह योजनन से ढेरे लोगन के रोजगार मिली
यूपी के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ जी सोमार का दिने गोरखपुर के बाबा राघवदास मेडिकल कॉलेज अस्पताल में कई नया निर्माण के उद्घाटन कइलें. एह में प्रदेश के पहिलका बायोसेफ्टी लैब, तीन सौ बेड के नया लेवल थ्री अस्पताल, गेस्ट हाउस, आ सौ बेड के पीजी हॉस्टल शामिल बा. पहिले के लेवल थ्री अस्पताल के क्षमता
बिहार विधानसभा चुनाव के घोषणा से पहिलहीं छरपा-छरपी के दौर चालू हो गइल बा. एह दौरान विरोधियन के नाथे के कोशिश त होखते बा अपना संघतियनो के जगहा देखावे के कोशिश हो रहल बा. नीतीश आ पासवान में कबो पटल ना बाकिर एह घरी भाजपा नीत राजग में दुनू गोल शामिल बा. एकरा बावजूद एक
रेलवे देश में 12 सितम्बर से 80 जोड़ी ट्रेन के शुरुआत करे जा रहल बा. एह ट्रेनन में कृषक एक्सप्रेस आ चौरीचौरा एक्सप्रेस शामिल बाड़ी सँ. एह गाड़ियन में आरक्षण के शुरुआत 10 सितम्बर से हो जाई. समय सारिणी का बारे में टीसन से पता क लीहल जरुरी बा काहे कि ठहरावन में कुछ बदलाव
बिहार विधान सभा चुनाव ला चुनाव अभियान के शुरुआत जदयू के राष्ट्रीय अध्यक्ष आ बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार सोमार का दिने ऑनलाइल रैली क के करीहें. एकर जानकारी देत जदयू के आधिकारिक बोलतुआ रंजन प्रसाद यादव देत बजवलें कि जगहे जगह एकर प्रसारण कइल जाई जहाँ बिटोराइल लोग उनुकर भाषण सुनीहें. प्रदेश महासचिव शम्भूनाथ
वाराणसी जिला के मंडुवाडीह इलाका के नैपुरवां गाँव में एगो डेढ़ बरीस के लड़िका के मौत घर में राखल पानी के टब में गिरला का चलते हो गइल. चार गो बहिन का बाद ओकर जनम भइल रहुवे. रोहतास जिला के भानस पुलिस चौकी इलाका में कटियारा गाँव का लगे बियफे का दिन एगो संदिग्ध कार
लालू प्रसाद के राजद वाला गठबन्हन में शामिल रहल हिन्दुस्तानी आवाम मोर्चा अब राजग में आ गइल बा. बुध का दिने जीतन राम माँझी राजग में शामिल हो गइलें. सुशील मोदी उनुकर स्वागत करत कहलन कि लालू के भाव खतम हो गइल बा आ एही चलते उनुका गठबन्हन में भगदड़ मच गइल बा. पहिले ऊ
पिछला 10 अगस्त के भइल ऑपरेशन का बाद बिगड़त गइल तबियत का चलते वेंटिलेटर पर राखल राष्ट्रपति रहल प्रणव मुखर्जी जी के सोमार का दिने निधन हो गइल. उनुका शोक में देश के सम्मान देखावत 6 सितम्बर ले सात दिन के राजकीय शोक के घोषणा कइल गइल बा. प्रणव दा के समर्थक हर गोल में
अतवार का दिने अपना मन का बाति कार्यक्रम में प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी देश के उद्यमियन से खिलौना बाजार में दुनिया भर में भारत के पैठ बनावे के आवाहन कइलन आ देशवासियन से कहलन कि देशी खिलौनन ला आपन आवाज बुलन्द करसु. भारत आ रूस दुनू के फिडे ऑनलाइन शतरंज ओलम्पियाड में अतवार का दिने संयुक्त
करीब बीस बरीस पहिले सारण जिला के मशरक से विधायक अशोक सिंह के भइल हत्या के दोषी मानल गइल बाहुबली आ सांसद रहल प्रभुनाथ सिंह अउर उनुका भाई दीनानाथ सिंह के हजारीबाग अदालत से सुनावल गइल उमिरकैद के सजा के राँची हाई कोर्ट बहाल रखलसि. ई लोग हाई कोर्ट से गोहार लगवले रहुवे कि एह
NEET आ JEE(Main) परीक्षा टारे खातिर हो रहल लगातार नेतागिरी का बावजूद परीक्षा अबहीं टरल नइखे. केन्द्र सरकार नइखे चाहत कि विद्यार्थियन के एक साल बरबाद हो जाव. काल्हु नीट परीक्षा में शामिल होखे जात करीब सात लाख परीक्षार्थी पहिले दिने आपन एडमिट कार्ड नेट से उतारि लिहलें. जी (मेन) परीक्षा कें करीब साढ़े सात
अदालत के अपमान करे के दोसी मानल गइल वकील प्रशान्त भूषण के सजा देबे के फैसला सुप्रीम कोर्ट में सुरक्षित राख दीहल गइल. वकीलन के एकजुट राय रहुवे कि प्रशान्त के कवनो सजा ना दीहल जाव. प्रशान्त अपना बयान ला माफी मांगे के तइयार नइखन आ अदालत के बुझात नइखे कि छोड़ल जाव त का
गोरखपुर में दू दिन लागी रोजगार मेला गोरखपुर 01जून (वार्ता) उत्तर प्रदेश के गोरखपुर विश्वविद्यालय में एगो बड़हन रोजगार मेला दू दिन ला लगावल जाए वाला बा. सहायक निदेशक सेवायोजन अखण्ड प्रताप सिंह बतवलन कि क्षेत्रीय सेवायोजन कार्यालय का तरफ से 9 आ 10 जून के दू दिन के रोजगार मेला दीक्षा भवन, विश्वविद्यालय परिसर
मऊ में ट्रैक्टर ट्राली पलटला से मजदूर के मौत मऊ, 08 मई (वार्ता) मऊ जिला के मधुबन इलाका में बालू लदले एगो ट्रैक्टर ट्राली पलटला से एगो मजदूर रामपुकार गोंड (35 बरीस) के मौत हो गइल. गोरखपुर में करंट लगला से दू जने के मौत गोरखपुर, 08 मई (वार्ता) गोरखपुर जिला के गुलहरिया इलाका में
जहराइल खाना खा के 100 लोग बीमार आरा 07 मई (वार्ता) भोजपुर जिला के पीरो इलाका के बरौली गांव के अक्षय लाल का घरे शादी का दौरान खाना खइला का बाद करीब 100 लोग के तबियत खराब होखे लागल आ कै करे लागल लोग. सभका के आरा आ पीरो के अस्पतालन में भर्ती करावल गइल.
कुशीनगर, 26 अप्रैल (वार्ता). कुशीनगर के बिशनपुरा इलाका में आजु सबेरे एगो स्कूल वाहन बिना फाटक वाला क्रासिंग पर ट्रेन से टकरा के फेंका गइल. एह हादसा में चालत समेत 13 बचवन के मौत हो गइल आ छह गो बच्चा बहुते घवाहिल हो गइलें जवना में से तीन गो के हालत नाजुक बतावल जात बा.
कुशीनगर 14 अप्रैल (वार्ता). कुशीनगर के कप्तानगंज आ तरयासुजान इलाका से पुलिस आजु पांच गो तस्करन के गिरफ्तार करत ओहनी का कब्जा से 550 पेटी शराब बरामद क लिहलसि. पुलिस अधीक्षक अशोक कुमार पाण्डेय पत्रकारन के बचलें कि कप्तानगंज में पुलिस आ स्वाट टीम मिल के पंजाब निर्मित अवैध शराब के एगो कन्टेनर कब्जा में
लखनऊ 30 मार्च (वार्ता). उत्तर प्रदेश के पूर्वी जिलन में शुक के देर साँझ आइल आंधी-तूफान से जनजीवन प्रभावित हो गइल आ कई जगहा बनेरी गिरला से फसल के बरबादी के खबर बा. मऊ आ संतकबीरनगर में एगो औरत समेत दू जने के मौतो हो गइल बा. कुशीनगर जिला के पडरौना इलाका में अचके में
Older Posts››