कुशीनगर
बिहार के औरंगाबाद में कर्फ्यू औरंगाबाद 26 मार्च (वार्ता). औरंगाबाद जिला प्रशासन रामनवमी जूलूस पर भइल पथराव का बाद भइल उपद्रव के देखत शहर में कर्फ्यू लगा दिहले बावे. उपद्रवी महाराजगंज बाजार के कई एक दुकान में आग लगा दिहले रहलें. हालांकि अब हालात काबू में बा. विद्यालय का नियरा से औरत के लाश मिलल
अयोध्या में रामजन्मोत्सव के धूम अयोध्या, 25 मार्च (वार्ता). भगवान श्रीराम के जन्म स्थली अयोध्या में चैत्र रामनवमी मेला में लाखों श्रद्धालु सरयू नदी में स्नान ला डुबकी लगवलें. आ प्रमुख मंदिरन में भगवान श्रीराम के जन्मोत्सव मनवलें. कनक भवन मंदिर में जनम के विशेष कार्यक्रम आयोजित भइल. दुपहरिया ठीक बारह बजते मर्यादा पुरुषोत्तम के
भगत सिंह, राजगुरु आ सुखदेव के 87 वाँ शहीदी दिवस मनावल गइल जौनपुर, 23 मार्च (वार्ता). जौनपुर के सरांवा गांव में महान क्रांतिकारी शहीद-ए-आज़म भगत सिंह, राजगुरु, आ सुखदेव के 87 वां शहीदी दिवस शहीद लाल बहादुर गुप्त स्मारक पर हिन्दुस्तान सोशलिस्ट रिपब्लिकंन आर्मी आ लक्ष्मीबाई ब्रिगेड के कार्यकर्ता मनवलें. सभा में लक्ष्मीबाई ब्रिगेड के
सोनभद्र में ट्रक के धक्का से एक आदमी के मौत सोनभद्र, 21 मार्च (वार्ता) चोपन इलाका में कोटा ग्राम पंचायत के रानीताली के ओम प्रकाश (40) बुध का साँझ वाराणसी-शक्तिनगर सड़क पार करत रहलें जह डाला का ओर से आवत एगो ट्रक उनुका के धक्का मार दिहलसि आ ऊ गिर के ओकरा चक्का का नीचे
आनन्द अग्रवाल अपना समर्थकन संग सपा से किनारा कइलन लखनऊ 13 मार्च(वार्ता). समाजवादी गोल के व्यापार सभा के अध्यक्ष आनन्द अग्रवाल समेत कई नेता आजु अपना पद से इस्तीफा दे दिहलें. एह लोग के कहना बा कि सपा व्यापारी वर्ग आ वैश्य समाज के अनदेखी करत बिया. एह लोग के इहो शिकायत बा कि बसपा
वाराणसी आ पटना के बीचे सफर भइल आसान वाराणसी, 12 मार्च (वार्ता). प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आजु मंडुवाडीह रेलवे स्टेशन पर ‘‘जन शताब्दी एक्सप्रेस” के हरियर झंडी देखाके बिहार के राजधानी पटना ला रवाना करवलन. बतावल जात बा कि ई गाड़ी संख्या 15125 वाराणसी के मंडुवाडीह टीसन से रोज सबेरे सवा छह बजे रवाना होखल करी
कुशीनगर 22 फरवरी (वार्ता) कुशीनगर इलाका में अपना मेहरारू के ससुराल पहुंचावे गइल एगो आदमी अपना साली के लेके चम्पत हो गइल. एकरा बाद ओकर साला अपना जीजा के बहिन लेके फरार हो गइल. पुलिस से पता चलल कि पटहेरवा क्षेत्र के एगो आदमी के शादी नियरे के गांव में भइल रहे. शादी का कुछ
राष्ट्रीय जनता दल के बोलतुआ रहल डॉ अशोक सिन्हा मंगल का दिने लालू प्रसाद यादव के बेटा आ नेता विपक्ष के काम करे का तरीका पर नाराजगी जतावत पार्टी से इस्तीफा दे दिहलन आ कहलन कि तेजस्वी जइसन नौसिखिउन का नीचे काम कइल राजद के बड़का नेता लोग के मंजूर नइखे. बॉलीवुड के सुपर स्टार
सीबीआई के विशेष अदालत शनिचर का दिने रांची में राजद अध्यक्ष लालू प्रसाद के चारा घोटाला से जुड़ल एगो मामिला में साढ़े तीन बरीस के जेल आ दस लाख रुपिया के जुर्माना के सजा सुनवलसि. अगर जुर्माना ना भरीहें त छह महीना अउरी जेल में रहे के पड़ी. घोटाले में शामिल आ बिहार विधानसभा के
आजादी का कई युग का बाद हिन्दू के मान सम्मान के काम सरकारो का स्तर प होखे लागल बा. आजु देश में कई राज्यन के मुख्यमंत्री कन्यापूजन आ कन्याभोज के परंपरा निभवलें. ना त अबहीं ले बस इफ्तार प एह तरह के सरकारी आयोजन देखे के मिलत रहल. मर्यादा पुरुषोत्तम भगवान श्रीराम के नगरी अयोध्या
बिहार के समस्तीपुर, मुजफ्फरपुर आ दरभेगा समेत अउरी इलाकन में आइल बाढ़ से अबहीं ले नाहियो त 514 लोग के जान जा चुकल बा. लाखो लोग एह आफत से बेघरबार हो गइल बा. यूपी के गोरखपुर, लखीमपुर खीरी, बलिया, आजमगढ़, कुशीनगर, महाराजगंज आ सिद्धार्थनगर में आइल बाढ़ से अबहीं ले 109 लोग के जान जा
पुलिस मीडिया के बतवलसि कि यूपी के कुशीनगर जिला के सेवरही इलाका के दुलमापट्टी गांव के एगो लइकी के निकाह दू बरीस पहिले गदियानी टोला में भइल रहल. निकाह का बादे से ससुराल वाले दहेज ला परेशान कइल शुरु क दीहलें आ आखिरकार ओकरा के काल्हुकि रात किरासन तेल डालके जरा देबे के आरोप लगवले
भारत रत्न आ आजाद हिन्दुस्तान के पहिलका राष्ट्रपति डॉ. राजेन्द्र प्रसाद के 54वीं पुण्यतिथि के अवसर पर आजु उनुका के सरधा से याद कइल गइल आ देश में कई जगहा कार्यक्रम में उनुका के श्रद्धांजलि दीहल गइल. पटना के बांसघाट प राजकीय समारोह में बिहार के राज्यपाल रामनाथ कोविंद आ मुख्यमंत्री समेत अनेके खासमखास लोग
मोहाली टेस्ट में दुसरका दिने भारत के पारी लड़खडाइल नजर आइल आ खेल ख़तम होखे बेरा ले छह विकेट का नुकसान पर 271 रन बना पवले बल्लेबाज। मेलबर्न में होखत चार देशन के हॉकी टूर्नामेंट में भारत मलेशिया टीम के 4-1 से हरा के कांस्य पदक जीत लिहलसि। बैडमिंटन के होंगकांग ओपन के फाइनल में
केंद्र सरकार पूर्वांचल समेत यूपी के दस जिलन में पीए के शुद्ध पानी के इंतजाम करावे ला 1583 करोड़ खरच करे के मंजूरी दे दिहलसि. एह में से 87 फीसदी केन्द्र सरकार दी जबकि 13 फीसदी खरच राज्य के करे पड़ी. इलाहाबाद, सोनभद्र, गाजीपुर, बलिया, कुशीनगर, देवरिया, गोरखपुर, बस्ती अउर बहराइच में होखे जात एह
पंचदेवरी जमुनहां पथ पर सिधरिया पुल का नियरा एगो बाइक बगल के गुमटी से जा के टकरा गइल आ बाइक चलावे वाला 22 बरीस के नवही रामजीत राम के ठाँवे पर मौत हो गइल. रामजीत राम यूपी के कुशीनगर जिला के डीबनी गांव के रहुवे आ बुध का दिने कवनो काम से पंचदेवरी बाजार आइल
गोरखपुर 15 दिसम्बर (वार्ता) मुख्यमंत्री अखिलेश यादव गोरखपुर मंडल के कुशीनगर जिला में मैत्रेय परियोजना के शिलान्यास क के सेहरा त अपना लिलारे बान्ह लिहलन बाकिर लोग जे बा कि अबहियों निश्चिंत नइखे एकरा के ले के. दू दिन पहिले 13 दिसम्बर के मैत्रेय परियोजना के शिलान्यास त अखिलेश कर दिहलन बाकिल लोग अनेसा मे
– उदय प्रकाश पाण्डे गोरखपुर 25 अक्टूबर (वार्ता) गोरखपुर जिला के सामरिक महत्व ओह घरी उभर के सामने आइक जब 26 अक्टूबर 1962 का दिने बिना कवनो उत्तेजनात्मक कार्रवाई के चीन भारत पर हमला क दिहलसि. ओह दिन, छब्बीस अक्टूबर 1962, के तब के प्रधानमंत्री पण्डित जवाहर लाल नेहरु के आपातकाल के घोषणा करे पड़ल
‹‹Newer Posts