Go to ...
RSS Feed

केसरिया

गहना के दूकान से दू लाख के गहना चोरी

पूर्वी चंपारण के केसरिया नया बाजार के एगो गहना के दुकान से सोमार के रात चोर तिजोरी काट के दू लाख रुपिया के गहना चोरा ले गइलें. एह चोरी का खिलाफ केसरिया के व्यापारी आपन दुकान बंद कर के विरोध जुलूस निकललें. पीतांबर चौक पर उ लोग घंटा भर ले जामो लगावल.

बीडीओ से बदसलूकी करे वाला आदमी जेल भेजल गइल

शुक का दिने केसरिया के बीडीओ शिवनाथ ठाकुर से नशा का हालत में बदसलूकी करे वाला आदमी के शनिचर का दिने पुलिस गिरफ्तार कर के लिहलसि आ ओकरा के न्यायायिक हिरासत में भेज दिहल गइल बा. गिरफ्तार आदमी मनोहर छपरा के सुरेन्द्र यादव हवे.