कैमूर
रेलवे देश में 12 सितम्बर से 80 जोड़ी ट्रेन के शुरुआत करे जा रहल बा. एह ट्रेनन में कृषक एक्सप्रेस आ चौरीचौरा एक्सप्रेस शामिल बाड़ी सँ. एह गाड़ियन में आरक्षण के शुरुआत 10 सितम्बर से हो जाई. समय सारिणी का बारे में टीसन से पता क लीहल जरुरी बा काहे कि ठहरावन में कुछ बदलाव
करीब बीस बरीस पहिले सारण जिला के मशरक से विधायक अशोक सिंह के भइल हत्या के दोषी मानल गइल बाहुबली आ सांसद रहल प्रभुनाथ सिंह अउर उनुका भाई दीनानाथ सिंह के हजारीबाग अदालत से सुनावल गइल उमिरकैद के सजा के राँची हाई कोर्ट बहाल रखलसि. ई लोग हाई कोर्ट से गोहार लगवले रहुवे कि एह
गोरखपुर में योगी जी लगवनी जनता दरबार गोरखपुर 03 मार्च (वार्ता). उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ शनिचर का दिने गोरखपुर में लागल जनता दरबार में करीब 150 फरियादियन के समस्या सुननीं आ ओकरा समाधान के आश्वासन दिहनी. एहसे पहिले सबेरे साढ़े पांच बजे अपना कक्ष से निकल के योगी जी सीधे गुरू गोरक्षनाथ के
मशहूर हिन्दी साहित्यकार प्रो0 दूधनाथ सिंह के निधन 82 बरीस का उमिर में बियफे का देर रात इलाहाबाद के एगो अस्पताल में हो गइल. प्रो0 दूधनाथ सिंह पिछला दू बरीस से प्रोस्टेट कैंसर से पीड़ित रहलीं. बलिया के सोबंथा गांव में 17 अक्टूबर 1936 के जनमल प्रो0 दूधनाथ पिंह के बलिया के पढ़ाई का बाद
नई दिल्ली में दुनिया के तमाम देशन से आइल भारतीय मूल के सांसदन के पहिलका सम्मेलन के संबोधित करत पी एम मोदी ओह लोग से गोहार कइनी कि भारत के विकास बढ़ावे में उत्प्रेरक के आपन भूमिका निबाहे. चीन के नाम लिहले बिना पीएम मोदी के कहना रहल कि भारत कबहियों कवनो दोसरा देश के
यूपी के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ बियफे का दिने आजमगढ़ जिले के सठियांव ब्लॉक का किसान सहकारी मिल के मैदान में आसवनी आ एथेनॉल प्लांट समेत पांच सौ बावन करोड़ रुपिया के अनेके परियोजनन के शिलान्यास भा लोकार्पण करत कहनी कि उहाँ के सरकार राज्य के बाईस करोड़ लोगन के सुरक्षा के जिम्मेदारी आ नवहियन अउर
जापान में काल्हु भइल संसदीय चुनाव मे प्रधान मंत्री शिंजो एबे के नेतृत्व वाला सत्ताधारी गठबन्धन के टिकाऊ सरकार बनावे जोक बहुमत मिल गइल बा आ अब जापानी संसद के हर समिति के अध्यक्षता एही गठबन्धन के मिल जाई. जापान के इतिहास में सबसे बेसी दिन ले प्रधानमंत्री रहे वाला शंजो एबे तिसरका बेर प्रधानमंत्री
भारतीय अंतरिक्ष अनुसंधान संगठन – इसरो – आजु अंतरिक्ष के क्षेत्र में एगो बड़हन उपलब्धि हासिल करत आपन आजु तकले के सबले भारी आ शक्तिशाली रॉकेट जीएसएलवी मार्क-3 से भारतीय संचार उपग्रह जीसैट-19 के सफल प्रक्षेपण आंध्र प्रदेश के श्रीहरिकोटा से कइलसि. एकरा पहिले भारी उपग्रहन के छोड़े खातिर विदेश के सहायता लेबे के पड़त
प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी के खिलाफ बेहुदा बाल बोले वाला बिहार सरकार के जलील मंत्री का खिलाफ भाजपा विधायक नीतिन नवीन पटना के कोतवाली थाना में केस लिखववले बाड़न. अब्दुल जलील मस्तान बिहार सरकार में मद्य निषेध मंत्री हउवन. अपना कहला के माफी माँग चुकल जलील मंत्री के कहना बा कि माफी त माँगिए लिहनी, अब
बिहार बोर्ड का इंटर परीक्षा आजु मंगल का दिन से शुरु भइल आ पहिलके दिने च्र दर्जन से अधिका नकलचियन के निष्कासित करे पड़ गइल. दरभंगा साइंस कॉलेज के प्राचार्य के अधीक्षक पद से हटा दीहल गइल. पटना हाई कोर्ट से रिटायर हो चुकल न्यायाधीश श्याम किशोर शर्मा के बिहार लोकायुक्त के अध्यक्ष बनावल गइल
कैमूर के एसपी रहल पुष्कर आनन्द का खिलाफ ओहिजे के डीएसपी आरोप लगवले रही कि ऊ उनकर यौन शोषण करत रहलन. एह आरोप के पुष्कर झूठ बतवले रहलें बाकिर आइजी के देखरेख में हनल एगो कमिटी जाँच का बाद एह आरोप के सही बतवले बिया.
भदोही जिला में गोपीगंज इलाका के सेमराध मोड़ पर एगो टेम्पो आ ट्रैक्टर के टकरइला से टेम्पो में सवार माई-बेटी के ठावें पर मौत हो गइल. भोजपुर जिला के गजराजगंज में काँवरियन के कोइलवर से ब्रह्मपुर ले जात में एगो बस पलट गइल जवना चलते नाहियो त एक दर्जन लोग घवाहिल हो गइलें. गोपालगंज के
कैमूर जिला में शिक्षक नियोजन से जुड़ल 28 गो नियोजन इकाई 15 फरवरी ले नियोजन फोल्जर जमा नइखी करइले सँ. एह से अब एहनी प केस दर्ज करावे के फैसला लीहल गइल बा. पश्चिम चम्पारण जिला के लोकरिया इलाका के गोवहरिहा गांव का लगे एगो बस पलटला का चलते एसएसबी के 20 गो जवान घवाहिल
बस्ती जिला के वाल्टरगंज इलाका के खरखरा गांव का नियरा एगो गाड़ी के धक्का से दुपहिया सवार दू जने के ठाँवे पर मौत हो गइल बलिया के भीमपुरा इलाका के अहिरौली गाँव का लगे ट्रक से गिट्टी उतारत घरी भहरात गिट्टी संगे गिरे से बाँचे खातिर एगो मजदूर हड़बड़ी में उपर से जात बिजली के
पूर्वी चंपारण जिला के चकिया इलाका से पुलिस एगो अपराधी राम सिंह के गिरफ्तार कइले बिया. ई कुख्यात मनोज सिंह गिरोह के सदस्य बतावल जात बा. स्टेट बैंक के चकिया शाखा में आठ लाख रूपिया गबन करे का मामिला में बैंक के उप प्रबंधक अखिलेश्वर पांडेयआ एकाउटेंट संजय कुमार समेत तीन गो कर्मचारियन का खिलाफ
पूर्वी चंपारण जिला के मोतिहारी से जिला शिक्षा पदाधिकारी कार्यालय में काम करत क्लर्क संजीव कुमार आ चपरासी आलोक कुमार के घूस लेत ध लिहलसि निगरानी विभाग. दुनू जने एगो नियोजित शिक्षक के तनखाह जारी करे ला घूस मंगले रहले. क्लर्क का लगे से बीस हजार आ चपरासी का लगे से दस हजार रुपिया मिलल.
रोहतास जिला के नौहट्टा इलाका के सलसा गाँव से चार गो नक्सली उग्रवादियन के असलहा साथे काल्हु शनिचर का दिने गिरफ्तार कर लिहलसि पुलिस. सारण जिला में साढ़े सात सौ अभ्यर्थियन के टीईटी प्रमाण पत्र फर्जी मिलल बा. एह लोग का खिलाफ कार्रवाई करे के प्रक्रिया चालू हो गइल बा. पूर्वी चंपारण जिला के छतौनी
(सोमार, 16 मार्च के खबर) इलाहाबाद जिला न्यायालय में दरोगा से अझुरइला का चलते भइल वकील के हत्या का खिलाफ देश भर के वकील विरोध दिवस मनवले सोमार का दिने आ बिहार यूपी के अदालतन में कतहीं कवनो काम ना हो पावल. एह लोग के शिकायत बा कि गोली मारे वाला दरोगा के हीरो काहे
(अतवार, 15 मार्च के खबर) सोमार से वाराणसी सिटी से गाजीपुर सिटी का बीच एगो नया डीएमयू चलावल जाई जवन नौ बजे सिटी से खुल के साढ़े एगारह बजे गाजीपुर चहुँपी आ ओहिजा से वापसी में तीन बजे गाजीपुर से खुली साँझ सवा पाँच बजे सिटी टीसन चहुँपी. सोमारे से छपरा मंड़ुआडीह डीएमयू के बंद
(शनिचर, 14 मार्च के खबर) गाजीपुर जिला के शादियाबाद इलाका के करीमुल्लाहपुर गाँव में एगो औरत अपना तीन गो बेटन के फाँसी पर लटकवला का बाद अपनहूँ फाँसी पर लटक के जान दे दिहलसि. हालांकि ओकरा नइहर के लोग ओकरा मरद आ ससुर पर हत्या करे के आरोप लगावत मुकदमा लिखववले बाड़े. बलिया जिला के
Older Posts››