Go to ...
RSS Feed

कैमूर

टटका खबर : 14 अक्टूबर 2014, मंगल

नेशनल डेयरी डेवलपमेंट बोर्ड के अध्यक्ष टी नंद कुमार कहलन कि दूध उत्पादन का मामिला में बिहार के बेंवत दुगुना तिगुना हो सकेला आ जल्दिए बिहार देश में दूध उत्पादन करे वालन में तिसरका जगहा आ जाई. अन्तर्राष्ट्रीय बाजार में कच्च तेल के कीमत में आइल गिरावट फायदा आम जनता के देत आजु रात से

टटका खबर : 13 अक्टूबर 2014, सोमार

बिहार के मुख्यमंत्री जीतन राम मांझी कहलन कि अगिला विधानसभा में जदयू के नेता उहे रहीहे आ अगर गठबन्हन के लोग उनका के नेता चुन ली त मुख्यमंत्रिओ उहे बनीहें. साथही कहल ना भुलइलन कि जदयू के सर्वमान्य नेता नीतीश कुमार हउवें. बिहार के मुख्यमंत्री जीतन राम मांझी आजु कहलनकि लइकियन के शादी के उमिर

टटका खबर : 12 अक्टूबर 2014, अतवार

इलाहाबाद टीसन पर सीआरपीएफ के एगो सिपाही ट्रेन का आगा कूद के जान दिहलसि. नीतीश कुमार कहलन कि भरप पसारे वाला गद्दी पर आ गइले आ जनता के नीक दिन आइल चाहे ना झाड़ू के नीमनका दिन जरूरे आ गइल. प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी के वाराणसी दौरा हुदहुद का चलते रद्द क दिहल गइल. काशी हिन्दू

टटका खबर : 11 अक्टूबर 2014, शनिचर

फर्स्ट क्लास में मैट्रिक पास करे वाला मुसलमान विेद्यार्थियन के बिहार सरकार का तरफ से दस हजार के वजीफा दिहल जाई. हिन्दू विद्यार्थियन के मिली सेकूलरिज्म के ठेंगा! संविदा पर बहाल हजारो आयुष चिकित्सक आजु पटना में प्रदर्शन क के एलोपैथिक डाक्टरन का बराबरे मानदेय के माँग कइले. लोकनायक जेपी के जयन्ती आजु बिहार सरकार

टटका खबर : 10 अक्टूबर 2014, शुक

आजमगढ जिला के बरदह इलाका में एगो औरत के लाश कोठरी में लटकत मिलल. नइहर के लोग ससुरालियन प दहेज हत्या के केस कइलन. रोहतास जिला के डालमिया नगर इलाका में आजु कुछ बदमाश एगो शिक्षक से डेढ़ लाख रूपिया लूट लिहले. इलाहाबाद उच्च न्यायालय आगरा से नोएडा तक जाए वाला यमुना एक्सप्रेस वे के

टटका खबर : 9 अक्टूबर 2014, बियफे

भोजपुर जिला के सिकरहटा इलाका के कुरमुरी गांव में पांच गो महादलित मेहरारूवन का साथे सामूहिक कुकुर्म करे के मामिला सामने आइल बा. इलाहाबाद उच्च न्यायालय यूपी सरकार से पूछलसि कि वेलफेयर आफ पैरन्टस एंड सीनियर सिटीजन एक्ट 2007 लागू होखला का बादो एकर अधिसूचना राज्य में काहे जारी नइखे भइल. भाजपा नेता सुशील कुमार

टटका खबर : 8 अक्टूबर 2014, बुध

समाजवादी पार्टी अपना परिवार के मुखिया मुलायम सिंह के फेरू तीन बरीस ला अध्यक्ष ‘चुन’ लिहलसि. जब से पार्टी बनल बा तबे से मुलायम सिंह ओकर अध्यक्ष बाड़े. समाजवादी पार्टी के राष्ट्रीय अधिवेशन में जदयू अध्यक्ष शरदो यादव हाजिर रहले. उनुका के खास मेहमान का तरह बोलावल गइल रहुवे. गाँधी मैदान पर विजया दशमी का

टटको में टटका खबर : 7 अक्टूबर 2014, मंगल

धार्मिक आ आध्यात्मिक नगरी वाराणसी में आयोजित तीन दिन के अखिल भारतीय वैदिक सम्मेलन में वेद ज्ञाता माँग कइले कि विश्वविद्यालयन में वेद अध्ययन के अनिवार्य बनावल जाए. बिहार सरकार दशहरा भगदड़ का बाद पटना मेडिकल कालेज मे मचल अफरातफरी खातिर दोषी बतावत अस्पताल के अधीक्षक डा॰ लखीन्द्र प्रसाद के निलंबित कर दिहलसि आ चार

टटको में टटका खबर : 6 अक्टूबर 2014, सोमार

दुर्गापूजा का बाद मूर्ति भसावे का दौरान छपरा पुलिस के गलत बेवहार का चलते छपरा शहर में बवाल हो गइल आ जगहे जगह पुलिस जम के लाठी चलवलसि आ खिसियाइल लोग तोड़फोड़ आ आगजनी कइल. मोतिहारी का घोड़ासहन इलाका के पकही टोला में छापेमारी क के पुलिस एगो गिरोह का अड्डा से ढेरहन दामी मोबाईल

टटका खबर : 5 अक्टूबर 2014, अतवार

उत्तर प्रदेश में सत्ता चलावत समाजवादी पार्टी महाराष्ट्र आ हरियाणा विधानसभा चुनाव में हाजिरी लगावत महाराष्ट्र में 24 गो आ हरियाणा में 39 गो विधानसभा सीट पर आपन उम्मीदवार उतरलसि. झारखंड के मंत्री रहल फरार चलत कांग्रेसी नेता योगेंद्र साव के नई दिल्ली में गिरफ्तार क लिहल गइल. उनका पर नक्सलियन से साँठगाँठ राखे के

टटका खबर : 2 अक्टूबर 2014, बियफे

बिहार आ यूपी के खबर – साल 2019 ले स्वच्छ बिहार बनावे के संकल्प लेके मुख्यमंत्री जीतन राम मांझी दानापुर प्रखंड के जमसौत मुसहरी टोला में झाडू लगाके बिहार में राष्ट्रीय स्वच्छता जागरूकता अभियान कव शुरूआत कइलन. जौनपुर जिला के लाइन बाजार इलाका में कन्हईपुर रेलवे क्रासिंग पर एगो कार के ट्रेन के इंजन से

टटका खबर : 1 अक्टूबर 2014, बुध

बिहार आ यूपी के खबर – देवबंद के दारुल उलूम प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी के अमेरिका यात्रा के सफलता पर उनका के मुबारकबाद देत इहो कहलसि कि इजराइल से संबंध बढ़ावे का अपना फैसला पर फेरू सोचस. उत्तर प्रदेश पुलिस के स्पेशल टास्क पोंर्स रेलवे भर्ती बोर्ड भोपाल के नाम से फर्जी वेबसाइट बनाके बेरोजगारन के

टटका खबर : 30 सितंबर 2014, मंगल

बिहार आ यूपी के खबर – इलाहाबाद, अजमेर, आ विशाखापत्तनम के स्मार्ट सिटी बनावे में अमेरिका सहयोग करी. गोरखपुर का नियरा नन्दा नगर क्रासिंग का लगे कृषक एक्सप्रेस आ बरौनी एक्सप्रेस के टक्कर में नाहियो त बीस जने घवाहिल. केहू के मरे के खबर अबहीं नइखे आइल. सासाराम के मां ताराचंडी मंदिर परिसर में भइल

टटका खबर : 29 सितंबर 2014, सोमार

बिहार आ यूपी के खबर – आरा के तरारी थाना प्रभारी विजय प्रसाद राय ठीक से काम ना करे का आरोप में पुलिस अधीक्षक राजेश कुमार का आदेश से तुरत प्रभाव से निलंबित क दिहल गइले. भोजपुर जिला के नारायणपुर थाना के अहिले गांव का नहर से सोमार का दिने पुलिस तीस बरीस के एगो

टटका खबर : 28 सितंबर 2014, अतवार

बिहार आ यूपी के खबर – बलिया के रसडा में शनिचर के रात एगो पेट्रोल टैंकर पलटला का बाद ओहमें आग लाग गइल आ ओहसे झँउस के छह लोग के जान चल गइल आ बीसन लोग घवाहिल हो गइल बा. सारण जिला के मुख्य न्यायिक दंडाधिकारी का अदालत परिसर में पिछला हप्ता भइल बमबाजी का

टटका खबर : 27 सितंबर 2014, शनिचर

बिहार आ यूपी के खबर – छात्रवृति खातिर खोलाइल बैंक खाता में न्यूनतम राशि राखे के प्रतिबंध हटावल गइल. गोपालगंज के माझा इलाका के छवही पंचायत के मुखिया अजहर हुसैन के इलाज का दौरान भइल मौत का बाद खिसियाइल लोग जम के हंगामा कइल. आजम खान के कहना बा कि जबले जीहें तबले जौहर विश्वविद्यालय

टटका खबर : 26 सितंबर 2014, शुक

बिहार आ यूपी के खबर – चंदौली के सदर कोतवाली इलाका में आजु शुक का दिने ट्रेन से कटा के एगो बूढ़ के मौत हो गइल. उत्तर प्रदेश लोक सेवा आयोग से चुनाइल 2001 एमबीबीएस डाक्टरन से आपन पसंदीदा जिला बतावे के कहल गइल बा. सूची विभागीय वेबसाइट पर मौजूद बा. सारण जिला के तरैया

टटका खबर : 25 सितंबर 2014, बियफे

बिहार आ यूपी के खबर – कुशीनगर जिला के हाता इलाका में भइल एगो कांस्टेबल के मौत का बाद ओकर परिजन गोरखपुर के गुलहरिआ इलाका में जाम लगवलन. उत्तर प्रदेश कांग्रेस के कुछ बड़का नेता 28 सितम्बर के होखे वाला पार्टी के चिन्तन शिविर में शामिल ना होखे के फैसला कइले. सिवान जिला के भगवानपुर

टटको में टटका खबर : 24 सितंबर 2014, बुध

बिहार आ यूपी के खबर – दिवंगत गोरक्षपीठाधीश्वर महंत अवैद्यनाथ के श्रद्धांजलि सभा गोरखपुर में भइल जवना में साधु सन्त, हिन्दू संगठन के पदाधिकारी आ भाजपा नेता शामिल भइले. एह सभा में कहल गइल कि राम मंदिर बनवावे के महंत जी के संकल्प हर हाल में पूरा कइल जाई. बिहार का मुजफफरपुर जिला के गायघाट

टटको में टटका खबर : 22 सितंबर 2014 से

बिहार आ यूपी के खबर – यूपी के राज्यपाल नाम नाईक कुलपतियन के समय सीमा का भितरे परीक्षा करावे, परिणाम घोषित करे आ नया सत्र शुरू करावे के निर्देश दिहले. इलाहाबाद उच्च न्यायालय आदेश दिहले बावे कि कंपनीबाग में कवनो तरह के व्यावसायिक भा सामाजिक समारोह ना कइल जा सके. बिहार के जल संसाधन मंत्री

Older Posts›› ‹‹Newer Posts