Go to ...
RSS Feed

कैमूर

गाँवे के लड़िकी भगा के राखे वाला नवही गिरफ्तार

कैमूर जिला के करमचट का बरांव गांव के एगो लड़िकी के ओही गाँव के हरिओम पासवान भगा ले गइल रहुवे. लड़िकी के गुमशुदगी के शिकायत लड़िकि के बाप थाना में लिखवा दिहले रहल. बाद में पता चलल कि दुनु कहाँ बाड़े त पुलिस थानाध्यक्ष सुनील पाणंडेय के नेतृत्व में छापा मार के दुनु के पकड़

मोहनिया अस्पताल के डाक्टर पर जानलेवा हमला

काल्हु अतवार का दिने मोहनिया सबडिवीजनल हास्पीटल के उपाधीक्षक डा॰ बी अंसारी पर कुछ लोग जानलेवा हमला कर दिहलसि जवना का बाद उनुका के बहुते गंभीर हालत में वाराणसी रेफर कर दिहल गइल. एह हमला का बाद डाक्टर लोग हड़ताल पर चल गइल बा आ कैमूर के जिलाधिकारी का निहोरा का बावजूद इमरजेन्सीओ नइखे चले

कैमूर सड़क हादसा में एगो मुखिया के मौत

कुदरा बाजार के गुरुनानक लाइन होटल का लगे खड़ा एगो ट्रक से एगो मोटरसाइकिल आ टकराइल. एह टक्कर का चलते मोटरसाइकिल पर सवार खनेठी गाँव के मुखिया प्रेमचंद पासवान आ जितेन्द्र सिहं के मौत हो गइल. तिसरका सवार रोहतास जिला के गम्हरिया गाँव के अमित पासवान घवाहिल हो गइल. तीनो जने एगो बारात से लवटत

विधायक अंबिका यादव के भतीजा के गोली लागल

कैमूर जिला के छतरपुरा गांव में आजु राजद विधायक अम्बिका यादव के भतीजा विनोद यादव के दिनदहाड़े गोली मार के घाहिल कर दिहल गइल. बतावल जात बा कि बदमाश उनुका के लूटल चाहत रहलें बाकिर गोली लगला का बावजूद विनोद यादव आपन मोटर साइकिल चलावत भाग गइलन. खून गिरला का चलते तिरोजपुर गाँव का लगे

थाना प्रभारी निलंबित

कैमूर जिला के मोहनियाँ थाना के प्रभारी मिथिलेश जायसवाल के एगो मामिला में दोषी पवला का बाद निलंबित कर दिहल गइल बा.

कार से एगो छात्र कचराइल

कैमूर जिला में राष्ट्रीय राज मार्ग संख्या दू पर पिपरियां मोड़ का लगे शनिचर का दिने एगो आठ साल के छात्र एगो तेज रफ्तार कार से कचरा गइल आ ओकर ओहिजे मौत हो गइल. बतावल जात बा कि ऊ आपन फोटो खिंचवावे गइल रहुवे आ लवटत में गाँव का सोझे ओकर मौत हो गइल. कार

महादलितन में रेडियो बाँटल गइल

कैमूर के भगवानपुर प्रखंड में शनिचर का दिने दू गो पंचायत के महादलितन में रेडियो बाँटल गइल. रेडियो बाँटत बीडीओ रामजी पासवान कहलन कि सरकार चाहत बिया कि महादलितन के हर बात के जानकारी मिल पावे आ ऊ लोग आगे बढ़ो.

बिहार में पूंजी लगावे वालन के सुविधा खातिर मुंबई में कार्यालय

बिहार सरकार राज्य में पूंजी निवेश के बढ़ावा देबे खातिर मुंबई में निवेश आयुक्त कार्यालय खोली जहाँ मुख्यमंत्री महीना के पाँचवा सोमार का दिने मौजूद रहल करीहें उद्योगपतियन आ व्यापारियन ला खास दरबार लगा के. नीतीश कुमार एकर एलान अतवार का दिने कैमूर में एगो सीमेंट कारखाना के उद्घाटन करत कहलन. सौ करोड़ के लागत

मोहनिया इलाका में किसान के हत्या

कैमूर हिला के मोहनिया इलाका के भरखर गाँव में सोमार के देर साँझ एगो किसान के गोली मार के हत्या कर दिहल गइल. गाँव में तनाव देखत पुलिस अधिकारी ओहिजा कैम्प करत बाड़ें.

‹‹Newer Posts