कोरोना
कोरोना के टीका बने बनवावे पर मोदी सरकार के जोर आ बिहार चुनाव में कहल फोकट में टीका लगवावे के वादा का बाद देश के जनता का बीच ई भावना पनपल कि कोरोना के वैक्सिन बनला का बाद सभका के सरकार ई टीका लगवा दी. बाकिर सकल पदारथ एही जग माँही, लउकत बा पर ठेकी
कोरोना महामारी के पसार का बीचे पड़ल बिहार विधानसभा चुनाव 2020 के टारल ना गइल आ कुछ राजनीतिक गोल के माँग नकारत चुनाव आयोग चुनाव के तारीख के एलान कर दिहलसि. काल्हु के एलान का साथही बिहार में आचार संहिता लागू हो गइल बा. मुख्य चुनाव आयुक्त सुनील अरोड़ा नयी दिल्ली में पत्रकारन का सोझा
गोरखपुर के सांसद आ अभिनेता रवि किशन आजु केन्द्रीय सूचना अउऱ प्रसारण मंत्री प्रकाश जावड़ेकर के पाती भेजि के निहोरा कइलन कि देशभर के सिनेमाघरन के दैहिक दूरी बनवले राखत खोले के अनुमति दीहल जाव. अपना पाती में रवि किशन लिखले बाड़न कि लॉकडाउन शुरू भइला का समये से पूरा देश के सगरी सिनेमाघर बन्द
राज्य सभा खातिर होखत चुनाव में कर्नाटक से चार गो आ अरुणांचल प्रदेश से एगो सदस्य बिना विरोध के चुना गइलें. काहे कि एहिजा ओतने लोग परचा दाखिल करुवे जतना सीट रहुवे. पिछला लोकसभा चुनाव में हारल आ पहिले पीएम रह चुकल एच डी देवेगोड्डा आ लोकसभा में कांग्रेस के नेता रहल मल्लिकार्जुन खडगे एह
यूपी के हर जिला में कोरोना जाँच करे वाला ट्रू एनएएटी मशीन के आजु मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ जी कइनी. अब हर जिला अस्पताल में आपात इलाज ला आवेवाला मरीजन के कोरोना स्क्रीनिंग एक घंटा में कइल जा सकी. अबहीं यूपी में 4642 कोरोना मरीज मौजूद बाड़ें. 7609 कोरोना मरीज ठीक हो गइल बाड़ें. रोजाना 15
कोरोना जइसन महामारियो भारत के लोगन ला कुछ काम के बाति क गइल बावे. सवाल इहे बा कि देश को लोग ओकर बाति समुझल कि ना. पहिला बाति कि कोरोना का चलते लोग अपना दुश्मनन के अब आसानी से चीन्ह सकेला. दुश्मन नम्बर एक – ऊ झुँड जवन जमात के नाम लिहला पर आपन नाराजगी
आजु भोरे दस बजे देशवासियन के संबोधित करत पीएम मोदी लॉकडाउन 3 मई ले बढ़ावे के एलान करत कहलें कि राज्य सरकारन से आ विशेषज्ञन से बाति करि के सरकार इहे सही समुझलसि कि ल़ॉकडाउन 3 मई ले बढ़ा दीहल जाव. पीएम मोदी इहो कहलन कि समय के माँग बा कि सगरी देशवासी एह लॉकडाउन
कांग्रेस का माथ पर साँप का तरह कुण्डली मार के बइठल सोनिया परिवार के प्रियंका गाँधी देश में बढ़िया काम करत प्रदेश सरकारन में शामिल यूपी के योगि सरकार के सलाह दिहले बाड़ी कि कोरोना के जाँट में तेजी ले आवल जाय आ अधिका से अधिका लोगन के कोरोना जाँच करावल जाव. मकसद बा कि
लात के भूत बाति से ना माने वाला कहाउत के साँच करत जमातियन के जिद से आजिज योगी सरकार राज्य के करीब 104 इलाकन पर भिलवाड़ा मॉडल के सख्ती आजु राति से लागू कर दिहलसि. अब एह इलाकन में ना त केहू बाहर से भीतर जा सकी ना केहू कवनो बहाना से भीतर से बाहर
केन्द्र सरकार का तरफ से इशारा दीहल गइल बा कि लगातार तीन दिन ले अगर कोरोना के नया मरीजन के गिनिती घटत जाई तबहिए लॉकडाउन हटावल जाई. जान जाईं कि जस जस 14 अप्रेल नियरात जात बा तस तस लोग के बेचैनी बढ़ल जात बा. लोग जानल चाहत बा कि लॉकडाउन कहिया हटावल जाई. एही
तबलीगी जमातियन का चलते पूरा देश त्राहिमाम कइले बा. अकेले यूपी में डेढ़ हजार से बेसी जमाती चिन्हाइल बाड़ें जवनन में से साढ़े बारह हजार से बेसी जमातियन के कोरोना छूताह होखे का अनेसा का चलते क्वेरेन्टाइन कइल गइल बा. आजु मंगल के दुपहरिया ले यूपी में कोरोना छुआइल 314 गो मरीज मिल चुकल बाड़ें
उत्तराखंड के पुलिस महानिदेशक अनिल रतूड़ी कड़ाई से कहले रहलें कि तमात के मरकज में शामिल हो के लवटल लोग अपने से सोझा आ जाव ना त बाद में ओह लोग के मालूम हो जाई कि सरकार कइसे ओह लोग से निबटी. कहलन कि एह लोग पर जान मारे के कोशिश के मुकदमा कइल जाई
दिल्ली के निजामुद्दीन इलाका में तबलीगी जमात के मरकज देश भर में कोरोना पसारे के जरिया साबित हो गइल बा. एह जमात में शामिल भइल मुसलमानन में कोरोना बीमारी तेजी से पसरे लागल बा आ लोग के मौत के सिलसिला अचानक तेज हो गइल बा. तबलीगी जमात के अमीर मौलाना साद अबहियों फरार बा आ
लखनऊ में कोरोना के आगम करावे वाली गायिका पिछला 20 मार्च से लखनऊ के एसजीपीजीआई में भरती बाड़ी. पता ना कोरोना के उनुका से कइसन नाता जुड़ गइल बा कि डॉक्टरन के लाख कोशिश का बावजूद कनिका के छोड़ल नइखे चाहत. पँचवो बेर उनकर टेस्ट कोरोना पॉजिटिवे आइल बा. एह चलते कुछ लोग कहे लागल
दिल्ली के निजामुद्दीन इलाका के एगो तबलीगी मरकज में हजारन मुसलमानन के शामिल भइला का बाद कई जने के कोरोना ध लिहले बा. सरकार आ प्रशासन के मनाही का बावजूद तबलीगी जमात ई मजमा जुटवले रहुवे. मामिला सामने अइला का बाद एह मजमा में शामिल अनेके लोगन के कोरोना का चपेट में अइला के खबर
आज हिन्दुस्तान में कोरोना के असर कम होखत देखि चाइनीज दलाल आ ओकर पोसुआ मीडिया भाँड़ अफवाह उड़ावे में लागल बाड़ें कि लॉकडाउन आगे बढ़ावल जाई. अइसनका लोगन के एके मकसद बा केहू तरह देश के संयम तूड़ल जाव आ कोरोना के पसरे लायक माहौल बनावल जाव. चीन के दलाली करे में खुलेआम लागल कुछ
क्रिश्चियन डेमोक्रेटिक यूनियन ऑफ जर्मनी के एगो नेता आ जर्मनी के वित्त मंत्री थामस शेफर के लाश रेल लाइन का किनारे मिलल का बाद ओहिजा के सरकार अनेसा जतवले बिया कि कोरोना वायरस से उपजल हालात से परेशान रहलन शेफर आ हो सकेला कि एही अवसाद का चलते ऊ आपन जान दे दिहलन. 22 फरवरी
अपना मन के बाति कार्यक्रम में आजु पीएम सोदी देश के जनता से माफी मँगलन कि तीन हप्ता के लॉकडाउन से सभका परेशानी झेले के पड़त बा. बाकिर अतना बड़हन आबादी के कोरोना बिपति से बचावेला दोसर कवनो राहो नइखे. जब दुश्मन लउकत ना होखे त लुकाईए गइल बेहतर होला. अगर लॉकडाउन में इचिको कसर
बिहारी आ यूपी के प्रवासी मजदूरन का साथे दिल्ली के सरकार चलावत आआपा गिरोह के मयभावत बेवहार देखि के काल्हु पूरा देश आपन नाराजगी जतवलसि. ट्वीटर पर #ArrestKejariwal के मुहिम जोर ध दिहलसि आ राति होखत होखत दिल्ली सरकार आपन चाल पलटि ला मजबूर हो गइल. जान जाईं कि एह प्रवासी मजदूरन का बीच जानबूझि
बँटली मास्क, ग्लव्स. अउर सेनेटाइजर दुनिया पर आइल बिपति का बीच भोजपुरी सिनेमा के अदाकारा अक्षरा सिंह लॉक डाउन लागे से पहिले सड़क पर आ के आम लोग का बीच मुँहजाबी (मास्क) बँटली आ दस्ताना अउर सेनेटाइजरो दिहली. अक्षरा कहली कि उनकर मकसद ओह लोग के जगावल बा जे अबहियों चाइनीज कोरोना वायरस के खतरा
Older Posts››