web analytics

भाजपा के भगतन के निराशा हाथे लागल

(टटका खबर, शुक, सावन अन्हरिया त्रयोदशी, 2078 विक्रमी) एक जमाना से देश में हर समुदाय खातिर एकही कानून बनवावे के बात करे वाली भाजपा अब अपना वादा से मुकर गइल बिया, लोकसभा में कानून मंत्री किरण रिजिजू साफ कह दिहलन कि केंद्र सरकार अबहीं देश में समान नागरिक संहिता लागू करे नइखे जात. कब ले … Read more

 20 total views

सगरी बड़कन के मैदान में उतारी भाजपा

(टटका खबर, शनीचर, आषाढ़ पूर्णिमा, 2078 विक्रमी) गुरु पूर्णिमा का पावन पर्व पर रउरा सभे के हार्दिक अभिनन्दन. एगो बड़हन आ स्वागतजोग फैसला कइले बिया भाजपा कि अगिला साल होखे जा रहल उत्तर प्रदेश विधानसभा चुनाव में अपना सगरी बड़का नेता के मैदान में उतारी. मुख्यमंत्री, उपमुख्यमंत्री, प्रदेश अध्यक्ष, महामंत्री सभे के चुनाव लड़े के … Read more

 20 total views

संसद में काम ना होखे देबे के विपक्षी जिद

(टटका खबर, बुध, आषाढ़ अँजोरिया द्वादशी, 2078 विक्रमी) संसद में काम ना होखे देबे वाला विपक्षी जिद का दौरान प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी काल्हु मंगल का दिने कोविड-19 के मौजूदा हालात पर एगो सर्वदलीय बइठक कइलन जवना में कांग्रेस, माकपा, राजद, शिअद, आआपा वगैरह कुछ गोल शामिल ना भइलें. हालांकि बइठक में राकांपा, द्रमुक, बीजू जनता … Read more

 29 total views

हिन्दू मंदिरन के सरकारी कब्जा से मुक्त करे के कहलसि विहिप

(टटका खबर, सोमार, आषाढ़ अँजोरिया दशमी, 2078 विक्रमी) विश्व हिंदू परिषद देश भर के मंदिरन आ मठन से सरकारी कब्जा हटवावे के मांग कइले बा. काल्हु फरीदाबाद के मानव रचना विश्वविद्यालय में पूरा भइल दू दिन के केंद्रीय प्रन्यासी मंडल आ प्रबंध समिति के बइठक का आखिरी दिने हिंदू मंदिरन के सरकारी नियन्त्रण से मुक्ति … Read more

 19 total views

तालिबान मार गिरवलसि एगो मुसलमान फोटोग्राफर के

(टटका खबर, शनीचर, आषाढ़ अँजोरिया सप्तमी, 2078 विक्रमी) हाल का दिनन में शमशान में ड्रोन उड़ा के खींचल हिन्दूवन के जरत लाशन के फोटो खींच के चरचा में आइल जामिया मिलिया से स्नातक के पढ़ाई करे वाला मुसलमान फोटाग्राफर दानिश सिद्दीकी के अफगानिस्तान में तालिबानी मार दिहलें सँ. ट्वीटर पर एह फोटोग्राफर के लाश के … Read more

 23 total views

पूर्वांचली मूल के कृपाशँकर सिंह आजु भाजपा में शामिल होइहें

(टटका खबर, बुध, आषाढ़ अन्हरिया त्रयोदशी, 2078 विक्रमी) महाराष्ट्र के गृह राज्यमंत्री रहल आ मुंबई कांग्रेस के अध्यक्ष रह चुकल कृपाशंकर सिंह आजु भाजपा में शामिल होखे वाला बाड़ें. कश्मीर में अनुच्छेद 370 हटावे के विरोध करे वाली कांग्रेस से ऊ तबे इस्तीफा दे दिहले रहलें बाकिर अबहीं ले कवनो दोसरा गोल में शामिल ना … Read more

 27 total views

ओवैसी के बात कटलन राजभर

(टटका खबर, मंगल, आषाढ़ अन्हरिया पंचमी, 2078 विक्रमी) यूपी से सौ सीट पर लड़े के ओवैसी के एलान के खंडन करत सुभासपा गोल के मुखिया ओमप्रकाश राजभर के कहना बा कि अबहीं ले भागीदारी मोर्चा में सीटन के बँटवारा पर कवनो फैसला नइखे भइल. एहसे ओवैसी के एलान महज उनुकर मनसा बतावत बा कि ऊ … Read more

 25 total views

बिहार पंचायत चुनाव के उमीदवारी आ यूपी के इण्टरमीडिएट परीक्षाफल

(टटका खबर, सोमार, जेठ अँजोरिया एकादशी, 2078 विक्रमी) उत्तर प्रदेश माध्यमिक शिक्षा परिषद कोरोना महामारी का चलते रद्द कइल गइल परीक्षन के परिणाम जारी करे वाला सिद्धान्त तय कर लिहले बावे. एह सिद्धान्त के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के मंजूरी मिल गइल बा. अब परिणान जल्दिए जारी हो जाए के उमीद बा. एह सिद्धान्त का हिसाब … Read more

 38 total views

जिनिगी के दौड़ थथम गइल पद्मश्री मिल्खा सिंह के

(टटका खबर, शनीचर, जेठ अँजोरिया नवमी, 2078 विक्रमी) आखिरकार काल्हु शुक का दिने कोरोना से लड़ाई हार गइलन चार बेर एशियन गेम्स के स्वर्ण पदक विजेता रहल पद्मश्री मिल्खा सिंह. कुछ दिन पहिलहीं उनुकर पत्नी निर्मल कौर (85) के कोरोने से निधन हो गइल रहुवे आ अब परिवार पर एगो अउर दुख के पहाड़ आ … Read more

 25 total views

टटका खबर. अतवार, जेठ अन्हरिया चउथ, 2078 विक्रमी

गैर ईसाई डॉक्टरन आ मेडिकल के पढ़ाई करे वाला विद्यार्थियन के धर्मान्तरण के योजना बनावे का आरोप में इण्डियन मेडिकल एसोसिएशन के अध्यक्ष डॉ जयलाल का खिलाफ दिल्ली में मुकदमा दर्ज करावे के खबर बा. सोशल मीडिया पर एह तरह के खबर छवले बा कि अपना हिन्दू विरोधी मानसिकता का चलते डॉ जयलाल के अध्यक्षता … Read more

 22 total views

टटका खबर, शुक, एकादशी, चईत अँजोरिया, 2078 विक्रमी

पश्चिम बंगाल के 43 गो विधानसभा सीटन पर करावल गइल मतदान में करीब 79 फीसदी मतदान के खबर बा. एकरा साथही पश्चिम बंगाल चुनाव के छह डेग पूरा हो गइल आ अब दू चेग अउर रहि गइल बा. एही बीच निर्वाचन आयोग अबसे पश्चिम बंगाल में रोड शो, पदयात्रा, साइकिल भा वाहन रैलियन पर काल्हु … Read more

 39 total views

टटका खबर, बुध, नवमी. चईत अँजोरिया, 2078 विक्रमी

रउरा सभे के श्रीरामनवमी के पावन पर्व पर हार्दिक अभिनन्दन आ शुभकामना. बिना कवनो पूर्व सूचना प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी काल्हु सँझिया में राष्ट्र का नामे आपन संदेश देत संत प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी कहनी कि तूफान बनिके आइल कोरोना महामारी के दुसरकी लहर एगो बड़हन चुनोती बनल बा बाकिर हमनी का एकजुट हो के धीरज, अनुशासन, … Read more

 20 total views

टटका खबर, 30 अगस्त 2020 के

अतवार का दिने अपना मन का बाति कार्यक्रम में प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी देश के उद्यमियन से खिलौना बाजार में दुनिया भर में भारत के पैठ बनावे के आवाहन कइलन आ देशवासियन से कहलन कि देशी खिलौनन ला आपन आवाज बुलन्द करसु. भारत आ रूस दुनू के फिडे ऑनलाइन शतरंज ओलम्पियाड में अतवार का दिने संयुक्त … Read more

 24 total views

भारत के हरावत इंग्लैंड आपना 1000वां टेस्ट जीतल

बर्मिंघम, 04 अगस्त (वार्ता). भारत के जीत के तमाम उम्मीदें कप्तान विराट कोहली पर टिकल रहुवे बाकिर जइसहीं विराट पगबाधा आउट भइलन, इंग्लैंड जीत हासिल करे में अधिका समय ना लिहलसि. पहिला टेस्ट के चउथका दिने शनिचर के सबेरे का सत्र में 31 रन से जीत के इंग्लैंड पांच मैचन के सीरीज में 1-0 के … Read more

 32 total views

इशांत झटकलें पांच गो विकेट, जीते खातिर भारत के चाहीं 194 रन

बर्मिंघम, 03 अगस्त (वार्ता). भारत के अनुभवी तेज गेंदबाज इशांत शर्मा आजु 51 रन दे के पांच विकेट ले लिहलें आ भारत इंगलैण्ड का बीच होखत पहिलका क्रिकेट टेस्ट के तिसरका दिने इंगलैण्ड के पूरा टीम 180 रन पर बहरा गइल. अब जीते खातिर भारत के महज 194 गो रन बनावे के बा. इशांत 13 … Read more

 27 total views

टटका खबर, सोमार, 28 नवम्बर 2016

वित्त मंत्री अरुण जेटली आजु लोक सभा में आयकर कराधान कानून (दुसरका बदलाव) विधेयक, 2016 पेश कइलन। एह विधेयक में अघोषित आमदनी पर कुल मिलाके 50 प्रतिशत टैक्स आ सरचार्ज लगावे के प्रस्ताव बा। एह 50 फीसदी का उपर से 25 फीसदी अउर प्रधानमंत्री गरीब कल्याण जमा योजना-2016 में जमा करावे के पड़ी जवना प … Read more

 90 total views

टटका खबर, शनिचर, 26 नवम्बर 2016

पुलिस अधिकारियन के सम्मेलन में पीएम मोदी दिल्ली का बाहर तिसरका बेर हो रहल बाकि पुलिस महानिदेशकन के 51वाँ सालाना सम्मेलन आजु हैदराबाद पुलिस अकादमी में होखत बा. एह सम्मेलन में पीएम मोदी, गृहमंत्री राजनाथ सिंह, राष्ट्रीय सुरक्षा सलाहकार अजीत डोभाल, रॉ चीफ राजेन्द्र खन्ना, आ आईबी चीफ दिनेश शर्मा शामिल बाड़ें. पुलिस महानिदेशकन के … Read more

 46 total views

अंडर 19 के क्रिकेट सीरीज भारत जीत गइल

कोलकाता के इडेनगार्डेन मैदान में भइल अंडर 19 के फाइनल मुकाबला में भारत के टीम काल्हु बांगलादेश के टीम के सात विकेट से हरा के सीरीज जीत लिहलसि. एह सीरीज में तीन गो देश के टीम खेलत रहली सँ. बांगला देश के टीम टाॅस जीत के पहिले बल्लेबाजी करे उतरल आ 36.5 ओवर में महज … Read more

 74 total views

क्रिकेटिया फ्राड लुकावे दबावे का फेर में श्रीनिवासन नपइलन

बीसीसीआई के अध्यक्ष रहते आइपीएल के सट्टेबाजी के मामिला दबावे लुकावे के कोशिश करे वाला श्रीनिवासन के काल्हु बीसीसीआई से निकाल बाहर कइल गइल. आ उनुका से अंतरराष्ट्रीय क्रिकेट परिषद के चेयरमैनियो छीन लीहल गइल. काल्हु सोमार का दिने क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड के बईठक में नयका अध्यक्ष शशांक मनोहर के अंतरराष्ट्रीय क्रिकेट परिषद के चेयरमैन … Read more

 47 total views

खेल समाचार : मोहाली क्रिकेट मैच के दुसरका दिने मैच भारत के पकड़ में लउकल

मोहाली में होखत दक्खिन अफ्रीका आ भारत के टेस्ट मैच के दुसरका दिने दक्खिन अफ्रीका के टीम महज 184 रन बना के आउट हो गइल आ भारत के पहिला पारी का आधार पर 17 रन के लीड मिल गइल. ओकरा बाद दुसरका पारी खेले उतरल भारत दू विकेट गंवा के 125 रन बना लिहले रहुवे. … Read more

 65 total views