Go to ...
RSS Feed

खबर भोजपुरी में

खबर भोजपुरी में (शुक, 16 जनवरी 2015)

(बियफे, 15 जनवरी के खबर) एगो बड़हन दाँव खेलत भाजपा आजु देश के पहिलका महिला आईपीएस अधिकारी रहल किरण बेदी के अपना गोल में शामिल क लिहलसि. कहल जात बा कि भाजपा इनके के आपन मुख्यमंत्री पद के उम्मीदवार मान के चुनाव लड़ी. बाकिर हो सकेला कि एकर बाकायदा एलान ना होखे. किरण बेदी के

खबर भोजपुरी में (बियफे, 15 जनवरी 2015)

मकर संक्रान्ति के पर्व खिचड़ी का दिने सगरी पाठक-पाठिका परिवार ला मंगल कामना. (बुध, 14 जनवरी के खबर) पता ना सचहू बुखार रहे कि बुखार के बहाना, बाकिर नीतीश कुमार बुध का दिने लालू का डेरा पर दही चूड़ा खाए ना अइलन. भोज में सभे चहुँपल बाकिर उहे ना अइलन जिनकर सबले बेसी इंतजार रहुवे.

खबर भोजपुरी में (बुध, 14 जनवरी 2015)

(मंगल, 13 जनवरी के खबर) राजद अध्यक्ष अध्यक्ष लालू प्रसाद आजु साफ कहलन कि जदयू आ राजद के आपस में घोरा जाए के कवनो उमीद नइखे. कहलन कि होखी त जनता पार्टी परिवार के सगरी गोल के घोल ना त केहू के ना. सुने में आवत बा कि मुलायम सिंह यादव सगरी गोल के घोल

खबर भोजपुरी में (मंगल, 13 जनवरी 2015)

(सोमार, 12 जनवरी के खबर) स्वामी विवेकानन्द जयन्ती आजु देश भर में राष्‍ट्रीय युवा दिवस के रुप में मनावल गइल. साल 1963 में कोलकाता के एगो शाही बंगाली परिवार में जनमल विवेकानंद आधुनिक भारत के निर्माता रहलन आ उनुका देश के नवहियन के बेंवत पर पूरा भरोसा रहुवे. गृहमंत्री राजनाथ सिंह आज गौहाटी में एगो

खबर भोजपुरी में (सोमार, 12 जनवरी 2015)

(अतवार, 11 जनवरी के खबर) गांधीनगर में 7वाँ वाइब्रेंट गुजरात वैश्विक निवेशक सम्‍मेलन-2015 के उद्घाटन करत प्रधानमंत्री नरेन्‍द्र मोदी लगातार आ समहर विकास पर जोर दिहलन. कहलन कि एही से दुनिया के अर्थव्‍यवस्‍था में आवत उतार-चढ़ाव से निबटल जा सकी. कहलन कि सरकार पूरा कोशिश करत बिया कि भारत में व्यापर करल आसान हो सके.

खबर भोजपुरी में (अतवार, 11 जनवरी 2015)

(शनिचर, 10 जनवरी के खबर) वीडियो कांफ्रेंसिग का जरिए देश भर के उपराज्‍यपालन के दिहल नया साल के सनेस में राष्‍ट्रपति देश के भितरी आ बाहरी सुरक्षा आ भौगोलिक अखंडता सुनिश्चित करे खातिर हर संभव उपाय करे के सलाह दिहलन. कहलन कि तीस बरीस बाद देश में पूा बहुमत वाली सरकार के शासन आइल बा.

खबर भोजपुरी में (शनिचर, 10 जनवरी 2015)

(शुक, 9 जनवरी के खबर) बिहार में मुख्यमंत्री जीतन राम मांझी के पद से हटावे के चरचा से राजनीतिक माहौल गरमा गइल बा. केकरा के अगिला मुख्यमंत्री बनावल जाय एह बात पर लालू, शरद आ नीतीश का बीचे बातचीत होखे के खबर बा आ श्यामो रजक से बतियावे के खबर बा. हालांकि सरद यादव कहलन

खबर भोजपुरी में (शुक, 9 जनवरी 2015)

(बियफे, 8 जनवरी के खबर) गुजरात के गांधीनगर में बोलावल 13वां प्रवासी भारतीय सम्मेलन के संबोधित करत प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी कहलन कि विदेशन में बसल हिन्दुस्तानी लोग देश के विकास में आपन हाथ बँटावस आ हालात में बदलाव ले आवे में मदद करस. कहलन कि उनकर सरकार प्रवासी लोगन से कइल आपन वादा पूरा क

खबर भोजपुरी में (बियफे, 8 जनवरी 2015)

(बुध, 7 जनवरी के खबर) फ्रांस का राजधानी पेरिस में एगो कार्टून पत्रिका के कार्यालय पर हमला क के ओकरा संपादक समेत बारह लोग के गोली से भूंज दिहले स दू गो नकाबपोश बंदूकधारी. सात लोग घवाहिलो भइल बा. घटना का बाद ऊ अल्लाहु अकबर के नारा लगावत निकल भगले स. बतावल जात बा कि

खबर भोजपुरी में (बुध, 7 जनवरी 2015)

(मंगल, 6 जनवरी के खबर) मंगल के दिन शेयर बाजार खातिर अमंगली साबित भइल आ पिछला पाँच बरीस में सबले बड़हन गिरावट का साथ बन्द भइल. बाजर गिरला के ताकत अइसन रहल कि सेंसेक्स के करीब सगरी शेयर भहरा गइले आ सेंसेक्स 855 अंक गिर के बन्द भइल. निफ्टिओ के हाल इहे रहल आ उहो

खबर भोजपुरी में (मंगल, 6 जनवरी 2015)

(सोमार, 5 जनवरी के खबर) जम्‍मू कश्‍मीर से लागल भारत पाकिस्तान सीमा पर सोमारो का दिने फेरू पाकिस्तानी गोलाीबारी भइल जवना से बीएसएफ के एगो जवान शहीद हो गइल. पाकिस्तान गोलीाबारी का ओट में आतंकियन के भारत में घुसावे के फेर में बा. हाल का दिन में चार गो जवान आ एगो नागरिक महिला के

खबर भोजपुरी में (सोमार, 5 जनवरी 2015)

(अतवार, 4 जनवरी के खबर) बलिया जिला के रेवती के एगो स्कार्पियो के ड्राइवर ब्रजेश के जान मार के स्कार्पियो छीन भागे वाला तीन गो गिरफ्तार बदमाशन में से एगो भीम तुरहा अतवार का भोरे दिशा मैदान करे का बहाने रेवती थाना से भाग निकलल त ब्रजेश के परिजन आ गाँव वाले नाराज हो के

खबर भोजपुरी में (अतवार, 4 जनवरी 2015)

(शनिचर, 3 जनवरी के खबर) जम्‍मू-कश्‍मीर में पाकिस्‍तानी सेना के गोलीबारी से भारत के सेना के दू गो जवान आ एगो नागरिक महिला के मौत हो गइल. लोग आपन घर-बार छोड़ सुरक्षित ठिकाना खोजे लागल बा. प्रधानमंत्री मोदी बैंकन के सलाह दिहले कि रोजगार देबे वाली कंपनियन के करजा देबे में महत्व दिहल जाय. कहलन

खबर भोजपुरी में (शनिचर, 3 जनवरी 2015)

(शुक, 2 जनवरी के खबर) भारत क कोस्ट गार्ड नया साल का ठीक पहिले गुजरात के पोरबंदर से 365 किलोमीटर फरका अरब सागर में विस्‍फोटक भरल एगो नाव के रोके आ पकड़े के कोशिश कइलस त ओह पर सवार अपना नाव के बम से उड़ा दिहले. एह भयंकर विस्फोट का बाद ओह पर सवार कवनो

खबर भोजपुरी में (शुक, 2 जनवरी 2015)

(बियफे, 1 जनवरी के खबर) हिन्दू धर्म के भावना पर चोट करे वाली फिलिम ‘पीके’ के यूपी का बाद अब बिहारो में टैक्स फ्री क दिहल गइल बा. एह बारे में जानकारी देत मुख्यमंत्री जीतन राम माँझी कहलन कि ई फैसला पहिले मुख्यमंत्री रहल जदयु नेता नीतीश कुमार के कहला पर लिहल गइल बा. केन्द्र

खबर भोजपुरी में (1 जनवरी 2015)

(बुध, 31 दिसंबर के खबर) रउरा सभे के नया साल का मौका पर हार्दिक बधाई. आमिर खान अभिनीत फिल्म ‘पीके’ के खिलाफ हिन्दूवादी संगठनन के जोरदार विरोध का बावजूद यूपी के मुख्यमंत्री अखिलेश यादव एकरा के टैक्स फ्री करत कहले बाड़न कि अइसनका हर फिलिम के टैक्स फ्री कर देबे के चाहीं. ध्यान देबे जोग

खबर भोजपुरी में (बुध, 31 दिसंबर 2014)

(मंगल, 30 दिसंबर के खबर) क्रिकेट में एगो बड़हन धमाका करत कप्‍तान रहल महेन्‍द्र सिंह धोनी टेस्ट मैचन से सन्यास ले लेबे के एलान क दिहलन. हाल का समय में धोनी के कप्तानी के धार खतम हो गइल रहे आ उनका कप्तानी में विदेश में खेलल 30 गो टेस्ट में से महज छह गो में

खबर भोजपुरी में (मंगल, 30 दिसंबर 2014)

(सोमार, 29 दिसंबर के खबर) विकास के काम ला जमीन अधिग्रहण कइल आसान बनावे वाला भूमि अधिग्रहण कानून पर अध्यादेश के केन्द्र सरकार सोमार का दिने मंजूरी दे दिहलसि. एहमें जमीन लिहल आसान बना दिहल गइल बा बाकिर मुआवजा आ पुनर्वास का मामिला में कवनो कमी नइखे कइल गइल. अब रेल, सड़क समेत तेरह तरह

खबर भोजपुरी में (सोमार, 29 दिसंबर 2014)

(अतवार, 28 दिसंबर के खबर) इंडोनेशिया से सिंगापुर जाए का बीच राहे से गायब हो गइल एयर एशिया के विमान ए-320-200 के खोजे के काम खराब मौसम का चलते रोक देबे के पड़ल बा. एह विमान पर क्रू समेत 162 लोग सवार बा आ अनेसा जतावल जात बा कि खराब मौसम का चलते विमान कवनो

खबर भोजपुरी में (अतवार, 28 दिसंबर 2014)

(शनिचर, 27 दिसंबर के खबर) जम्‍मू-कश्‍मीर में नया सरकार बनावे के समय-सीमा रोज घटल जात बा बाकिर तस्वीर साफ नइखे होखत. कांग्रेस आ नेशनल कॉन्‍फ्रेंस से मिलल बिना शर्त समर्थन पर पीपुल्‍स डेमोक्रेटिक पार्टी अबले कवनो संकेत नइखे दिहले. पीडीपी के बातचीत भाजपा से चलत बा. अतवार का दिने पीडीपी आ भाजपा के बोलवले बाड़न

Older Posts›› ‹‹Newer Posts