Go to ...
RSS Feed

खबर भोजपुरी में

खबर भोजपुरी में (शनिचर, 27 दिसंबर 2014)

(शुक, 26 दिसंबर के खबर) झारखंड में भाजपा विधायक दल के नेता का रूप में पहिला बेर एगो गैर आदिवासी नेता रघुबर दास के चुनल गइल बा. रघुबर दास एहसे पहिले मंत्री आ उप मुख्यमंत्री रह चुकल बाड़न. भाजपा के एह फैसला पर जाति आ मजहब के राजनीति करे में माहिर नीतीश कुमार आपत्ति जतवले

खबर भोजपुरी में (शुक, 26 दिसंबर 2014)

(बियफे, 25 दिसंबर के खबर) वाराणसी के डीजल लोकोमोटिव वर्कशाप के विस्‍तार परियोजना के उद्घाटन आ एगो आधुनिक वातानुकूलित यात्री गाड़ी इंजन के लोकार्पण कइला का बाद अपना संबोधन में प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी कहलन कि रेलवे के निजीकरण करे का तरफ केन्द्र सरकार नइखे बढ़त. कहलन कि रेलसे के निजिकरण के बात महज गप बा

खबर भोजपुरी में (बियफे, 25 दिसंबर 2014)

(बुध, 24 दिसंबर के खबर) देश के प्रधानमंत्री रहल अटल बिहारी वाजपेयी आ कांग्रेस के अध्यक्ष रहल महामना मदन मोहन मालवीय के देश के माथ सम्मान, भारत रत्न, से सम्मानित करे के फैसला कइले बिया भारत सरकार. एह लोग के ई सम्मान बहुत पहिलही मिल जाए चाहत रहुवे बाकिर कांग्रेस एह लोग के नाम पर

खबर भोजपुरी में (बुध, 24 दिसंबर 2014)

(मंगल, 23 दिसंबर के खबर) प्रधानमंत्री रहल स्व॰ चौधरी चरण सिंह के जयंती मंगल का दिने उत्तर प्रदेश में किसान सम्मान दिवस के रूप में मनावल गइल. लखनऊ में विधानसभा परिसर में राज्यपाल राम नाईक आ मुख्यमंत्री अखिलेष यादव उनुका के श्रद्धांजलि दिहले. झारखंड विधानसभा चुनाव में भाजपा आ ओकर सहयोगी दल ऑल झारखंड स्‍टुडेंट्स

खबर भोजपुरी में (मंगल, 23 दिसंबर 2014)

झारखण्ड आ जम्मू-कश्मीर विधानसभा चुनाव के वोट गिनती के रुझान बतावत बा कि झारखण्ड में त भाजपा के सरकार बन जाई बाकिर जम्मू-कश्मीर में त्रिशंकु वाला हाल हो जाई. चउतरफा लड़ाई में भाजपा आ पीडीपी आगे पीछे होत रहत बाड़े बाकिर नेशनल कांफ्रेंस आ कांग्रेस के वइसन हार नइखे मिलत जइसन एक्जिट पोल में बतावल

खबर भोजपुरी में (सोमार, 22 दिसंबर 2014)

(अतवार, 21 दिसंबर के खबर) जबरन धर्मान्‍तरण पर राज्य सरकारन के विफलता देखत संसदीय कार्य मंत्री एम वैकेंया नायडु कहलन कि एकरा ला एगो केन्‍द्रीय कानून बनावे के जरूरत बा. ओने आगरा के ‘घर वापसी’ के जाँच करे गइल उत्तर प्रदेश अल्पसंख्यक आयोग के टीम के कहना बा कि एहमें कवनो तरह के बलप्रयोग ना

खबर भोजपुरी में (अतवार, 21 दिसंबर 2014)

(शनिचर, 20 दिसंबर के खबर) धर्मांतरण के मुद्दा पर संघचालक मोहन भागवत के भाषण का बाद मामला अउरी गरमा गइल बा. कोलकाता में बोलावल एगो हिंदू सम्मेलन में संघचालक कहलन कि धर्मातरण रोके के कानून बने के चाहीं. बाकिर घरवापसी का बारे में उनकर कहना रहे कि ई धर्मपरिवर्तन ना हो के गलती से भटक

खबर भोजपुरी में (शनिचर, 20 दिसंबर 2014)

(शुक, 19 दिसंबर के खबर) शुक का दिेने वित्‍त मंत्री अरूण जेटली वस्‍तु आ सेवा कर विधेयक (जीएसटी) के संसद में पेश क दिहले. पेश करत घरी कहलन कि टैक्स पर राज्‍य सरकारन के अधिकार बनवले राखे के पूरा इन्तजाम कइल गइल बा विधेयक में. केन्‍द्रीय बिक्री कर पर होखे वाला नुकसान के भरपाई कइल

खबर भोजपुरी में (शुक, 19 दिसंबर 2014)

(बियफे, 18 दिसंबर के खबर) भारतीय अंतरिक्ष अनुसंधान संगठन बियफे का दिने आपन अब तक के सबले भारी रॉकेट जी एस एल वी मार्क-3 आ क्रू मॉड्यूल के सफल प्रायोगिक प्रक्षेपण कइलस. एह मिशन के सफलता का बाद दू साल का भीतर भारतो अपना अंतरिक्ष यात्री के अंतरिक्ष में भेज पाई. इसरो के एह सफलता

खबर भोजपुरी में (बियफे, 18 दिसंबर 2014)

(बुध, 17 दिसंबर के खबर) मुख्यमंत्री अखिलेश यादव बुध का दिने घाघरा नदी के बिड़हर घाट पर बनल आ बस्ती से संतकबीरनगर आ अम्बेडकरनगर जिलन के जोड़े वाला पुल के उद्घाटन कइलन. पाकिस्तान के पेशावर में एगो सैनिक स्कूल पर भइल आतंकी हमला में मराइल स्कूली बचवन खातिर संसद के दुनू सदन में संवेदना प्रकट

खबर भोजपुरी में (बुध, 17 दिसंबर 2014)

(मंगल, 16 दिसंबर के खबर) पाकिस्‍तान के शहर पेशावर में सेना के स्कूल में आतंकी हमला क के नाहियो त 160 लोग के मार गिरवले जवना में करीब 140 गो स्कूली विद्यार्थी रहले. एह कायराना हमला के दुनिया भर में निन्दा होखत बा. आतंकियन के पोसे वाला पाकिस्तानो में अबकी बेर आतंकियन का खिलाफ आवाज

खबर भोजपुरी में (मंगल, 16 दिसंबर 2014)

(सोमार, 15 दिसंबर के खबर) ऑस्ट्रेलिया में सिडनी शहर के एगो कैफे में घेराइल बन्हक लोग के कमांडो कार्रवाई क क छोड़ा लिहल गइल. एह कार्रवाई में दू आदमी के मौत हो गइल आ पाँज लोग घवाहिल गो गइल. बन्हक बना के राखल लोगन में हिन्दुस्तानो के दू आदमी रहुवे जे सही सलामत छूट गइले.

खबर भोजपुरी में (सोमार, 15 दिसंबर 2014)

(अतवार, 14 दिसंबर के खबर) झारखंड आ जम्‍मू कश्‍मीर में विधानसभा चुनाव के चउथका दौर शांति से निबट गइल. झारखंड वि‍धानसभा के 15 सीट पर भइल एह दौर में 61 फीसदी से अधिका वोट पड़ल. पिछला तीन दौर के हिसाब से एह दौर में कम वोट पड़ल बा. चउथका दौर में जम्‍मू कश्‍मीर के 18

खबर भोजपुरी में (अतवार, 14 दिसंबर 2014)

(शनिचर, 13 दिसंबर के खबर) बेगूसराय के सिंहमा में एगो अतिरिक्त प्राथमिक स्वास्थ्य केन्द्र के शिलान्यास कइला का बाद भाषण का दौरान मुख्यमंत्री जीतन राम माँझी कहलन कि सीखे के उनकर उमिर गुजर चुकल बा. कहलन कि चालीस बरीस से राजनीति करत बाड़े आ उनकर ना त केहू राजनीतिक गुरू बा, ना ऊ कवनो बाहुबली

खबर भोजपुरी में (शनिचर, 13 दिसंबर 2014)

(शुक, 12 दिसंबर के खबर) सारधा चिट फंड घोटाला में पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्री ममता बनर्जी के नजदीकि आ राज्य के परिवहन मंत्री मदन मित्रा के शुक का दिने सीबीआई गिरफ्तार क लिहलसि. गिरफ्तारी पर ममता बनर्जी झनझना गइल बाड़ी काहे कि सीबीआई के घेरा उनुको खिलाफ बढ़ल आवत बा. बाकिर ममता बनर्जी चुनौती देत

खबर भोजपुरी में (शुक, 12 दिसंबर 2014)

(बियफे, 11 दिसंबर के खबर) भारत आइल रूस के राष्ट्रपति व्लादिमिर पुतिन आ भारत के प्रधानमंत्री का मुलाकात का बाद दुनू देश का बीच बीस गो करार पर दस्तखत भइल. भारत में आपन लड़ाकू विमान आ हेलीकाप्टर बनावे खातिर तइयार हो गइल बा रूस. मोदी कहलन कि रुस आगहू भारत के सबले खास रक्षा भागीदार

खबर भोजपुरी में (बियफे, 11 दिसंबर 2014)

(बुध, 10 दिसंबर के खबर) उत्‍तरप्रदेश के आगरा में साठ गो परिवार के करीब अढ़ाई सौ लोग के हिन्दू धर्म में वापसी करावे का मामला में पुलिस एगो केस दर्ज कइले बिया. कुछ लोग के कहना बा कि ऊ अबहियों मुसलमाने बाड़े आ राशन कार्ड, बीपीएल कार्ड आ मकान दिआवे का वादा पर समारोह में

खबर भोजपुरी में (बुध, 10 दिसंबर 2014)

(मंगल 9 दिसंबर के खबर) जम्‍मू कश्‍मीर आ झारखंड विधानसभा चुनाव के तिसरका दौर के वोटिंग मंगल का दिने शांति से पूरा हो गइल. जम्‍मू कश्‍मीर में 58 फीसदी आ झारखंड में 61 फीसदी वोटर आपन वोट करे अइलें. सरकार मोटरवाहन अधिनियम -1988 में संशोधन करे के सोचत बिया. ई बात मंगल का दिने सड़क

खबर भोजपुरी में (मंगल, 9 दिसंबर 2014)

(सोमार 8 दिसंबर के खबर) बरीसन बाद श्रीनगर में भइल कवनो प्रधानमंत्री के जनसभा में पीएम नरेन्द्र मोदी जम्मू कश्मीर के लोगन के भरोसा दिहलन कि घाटी के बिसराइल आन आ शान फेरू वापिस ले अइहें. कहलन कि एहिजा के लोग हर तरह के तरीका आजमा चुकल बा आ अब विकासे के राह बाचल बा

खबर भोजपुरी में (सोमार, 8 दिसंबर 2014)

(अतवार 7 दिसंबर के खबर) योजना आयोग का जगहा बने वाला निकाय पर चरचा खातिर देश भर के मुख्यमंत्रियन संगे बइठक करत प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी कहलन कि नयका निकाय में राज्यन के खास भूमिका होखे के चाहीं. कहलन कि राज्यन का बीच के विवाद सलटावे ला एगो मंच बनवलो के जरूरत बा. एह बइठका में

Older Posts›› ‹‹Newer Posts