Go to ...
RSS Feed

खबर भोजपुरी में

खबर भोजपुरी में (अतवार, 7 दिसंबर 2014)

(शनिचर 6 दिसंबर के खबर) शनिचर 6 दिसम्बर का दिने बाबा साहब अंबेडकर के 59वाँ ‘महापरिनिर्वाण दिवस’ पर राष्ट्रपति प्रणब मुख्रर्जी, प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी, उप राष्ट्रपति मोहम्मद हामिद अंसारी, खाद्य मंत्री राम विलास पासवान वगैरह खासमखास लोग श्रद्धांजलि दिहल. बिहार के सगरी गाँवन में एक एक गो सफाई कर्मी बहाल करी बिहार सरकार. साथही टोला

खबर भोजपुरी में (शनिचर, 6 दिसंबर 2014)

(शुक, 5 दिसंबर के खबर) जम्‍मू कश्‍मीर चुनाव में जनता के बड़हन भागीदारी देखला का बाद लोग के हदसावे खातिर शुक का दिने आतंकवादी कई जगहा ताबड़तोड़ हमला कइलें जवना में 11 गो सुरक्षाकर्मी आ 8 आतंकवादियन समेत 21 लोग मरा गइल. उत्‍तरी कश्‍मीर के बारामूला जिला के मोहरा में सेना शिविर पर भोरे तीन

खबर भोजपुरी में (शुक, 5 दिसंबर 2014)

(बियफे 4 दिसंबर के खबर) मऊ जिला के रानीपुर थाना के महासो गाँव का नियरा एगो बिना फाटक वाला क्रासिंग पर एगो स्कूल वाहन के आजमगढ़ से वाराणसी जात तमसा पैसेंजर ट्रेन से धक्का लाग गइल जवना से पाँच गो छोट विद्यार्थियन के ओहिजे मौत हो गइल आ आठ गो अउरी छात्र घवाहिल हो गइले.

खबर भोजपुरी में (बियफे, 4 दिसंबर 2014)

(बुध 3 दिसंबर के खबर) अयोध्या मामिला से अपना के अलग कर लेबे के हाशिम अंसारी के बयान का बाद मुस्लिम जमात उनुका के मनावे में लाग गइल बा. सेकूलर जमात के ठकुआ मार दिहले बा कि आखिर हाशिम अइसे कइसे कह दिहलें. हाशिम अंसारी के कहना बा कि अब ऊ बाबरी मस्जिद मुकदमा के

खबर भोजपुरी में (बुध, 3 दिसंबर 2014)

(मंगल 2 दिसंबर के खबर) पीएम मोदी का आवास पर भइल चयन समिति के बइठक में बिहार कैडर के अनिल कुमार सिन्हा के नयका सीबीआई डायरेक्टर चुनल गइल. एह बइठक में पीएम मोदी के अलावा सु्प्रीम कोर्ट के मुख्य न्यायाधीश एच एल दत्तू आ लोकसभा में सबले बड़का विपक्षी दल कांग्रेस के नेता मलिकार्जुन खड़गे

खबर भोजपुरी में (मंगल, 2 दिसंबर 2014)

छत्तीसगढ़ के सुकमा जिला में सोमार का दिने नक्सली घात लगा के सीआरपीएफ के गश्ती दल पर हमला क दिहले आ एगारह गो जवान आ दू गो अधिकारी मिला के तेरह लोग के जान ले लिहले. पाँच गो जवान घवाहिल बाड़े. एह दौरान तीन गो अउरिओ पार्टी जंगल में घेराइल बा जवना में सीआरपीएफ, कोबरा

खबर भोजपुरी में (सोमार, 1 दिसंबर 2014)

पेट्रोल आ डीजल के दाम में अतवार का अधरतिया से फेरू कमी क दिहल जाई. दुनिया के बाजार मेश कच्चा तेल के दाम में लगातार गिरावट का चलते ई कमी आइल बा. पेट्रोल के दाम में हर लीटर पर 91 पइसा आ डीजल का दाम में चौरासी पइसा के कमी कइल गइल बा. आसाम के

खबर भोजपुरी में (बुध, 26 नवंबर 2014)

2016 में दक्षेस खातिर भारत एगो उपग्रह अंतरिक्ष में स्थापित करी. एह बात के एलान पीएम मोदी दक्षेस में कइलन. एह शिखर सम्मेलन में 2008 के मुंबई हमलो के चरचा उठवलन मोदी आ कहलन कि आतंकवाद आ अंतर-देशीय अपराधियन का खिलाफ सभके मिल के लड़े के जरूरत बा. दक्षेस के 3 गो संपर्क समझौता पाकिस्तान

खबर भोजपुरी में (मंगल, 25 नवंबर 2014)

बिहार के राजनीति में मुख्यमंत्री जीतन राम मांझी आ जदयू नेता नीतीश कुमार का बीच बढ़त दूरी के चरचा का बीच मंगल का दिने दुनू जने जहानाबाद में मंच साझा कइलन आ एक दोसरा के बड़ाई कइलन. उत्तर प्रदेश के महाधिवक्ता रहल आ मुलायम सिंह के करीबी एस.एम. काजमी के मंगल का दिने एगो सड़क

खबर भोजपुरी में (सोमार, 24 नवंबर 2014)

सिवान जिला के नगर थाना इलाका में कुछ अपराधी भाजपा सांसद ओमप्रकाश यादव के मीडिया प्रभारी आ भाजपा नेता श्रीकांत भारतीय के अतवार का दिने गोली मारके हत्या कर दिहलें. बिहार के मुख्यमंत्री जीतन राम मांझी के हुड़की का बाद जदयू नेता लोग के ठकुआ मार दिहले बा आ अब एह मामिला पर केहू कुछ

खबर भोजपुरी में (अतवार, 23 नवंबर 2014)

बिहार के मौजूदा राज्यपाल डा॰ डी॰वाई॰ पाटिल के कार्यकाल 26 नवम्बर के पूरा होखत बा. एकरा बाद पश्चिम बंगाल के राज्यपाल केशरीनाथ त्रिपाठी के राष्ट्रपति का तरफ से बिहारो के राज्यपाली सँउपल गइल बा जबले कवनो नया राज्यपाल के नियुक्ति नइखे हो जात. अपना बयानबाजी से अइले दिन चरचा में रहे वाला आ पार्टी के

खबर भोजपुरी में (शनिचर, 22 नवंबर 2014)

आपन जनमदिन शान से मनवावे वाला आजम खान के जनम भर कर्जदार रहीहें मुलायम सिंह यादव. कहलन कि अइसन जनमदिन के खातिर आजम के करजा जिनिगी भर में ना उतार पइहें. जनमदिन पर मुलायम के बधाई भेजत उनकर लमहर उमिर के कामना कइलन पीएम मोदीओ. जनमदिन मनावे खातिर बदायूं में कम्बल बँटाइल आ कंबल लूटे

खबर भोजपुरी में (शुक, 21 नवंबर 2014)

आजु पीएम मोदी ट्विट क के पूरा दुनिया के बता दिहलन कि अगिला गणतंत्र दिवस का मौका पर अमेरिका के राष्ट्रपति बराक ओबामा खास मेहमान बन के अइहें. ई पहिला बेर होखे वाला बा कि अमेरिका के राष्ट्रपति एह आयोजन पर शामिल होखीहें आ इहो पहिला बेर होखत बा कि अमेरिका के कवनो राष्ट्रपति अपना

खबर भोजपुरी में (बियफे, 20 नवंबर 2014)

दस दिन के विदेश यात्रा का बाद पीएम मोदी बियफे का दिने देश लवटि अइलें. हवाई अड्डा पर उनकर स्वागत करे खातिर विदेश मंत्री सुषमा स्वराज समेत अनेके खासमखास लोग मौजूद रहल आ उनकर अगवानी कइल. काशी हिन्दू विश्वविद्यालय छात्र परिषद के चुनाव के विरोध सगरी प्रमुख छात्र संगठन करत बाड़े. एहमें विद्यार्थी परिषद, एनएसयूआई,

खबर भोजपुरी में (बुध, 19 नवंबर 2014)

केन्द्र सरकार साफ कह दिहलसि के लोकसेवा आयोग के परीक्षा खातिर उमिर घटावे के कवनो प्रस्ताव पर विचार नइखे होखत. ई बात तब साफ करे के पड़ल जब हवा उड़े लागल कि भाजपा सरकार यूपीए सरकार के उमिर घटावे के फैसला मान ली. पिछला मनमोहन सरकार अधिकतम उमिर में चार साल के कटौती करे के

खबर भोजपुरी में (शुक, 7 नवंबर 2014)

आजु शुक का दिने जब प्रधानमंत्री नरेनन्द्र मोदी वाराणसी दौरा पर अइलन त बाबतपुर हवाईअड्डा पर राज्यपाल राम नाईक आ मुख्यमंत्री अखिलेश यादव उनकर अगवानी कइले. मोदी दू दिन ले वाराणसी में रहीहें. व्यापार केन्द्र आ हस्तशिल्प कला संग्रहालय के शिलान्यास करत कहलें कि यूपी सरकार जमीन ना दिहलसि त शहर के बाहर बनावल जात

खबर भोजपुरी में (बियफे, 6 नवंबर 2014)

उत्तर प्रदेश के सगरी जिलाधिकारियन के अपना जिला के दू दू गो पिछड़ा गाँवन के गोद लेबे के कहलसि सरकार. ई काम 15 नवंबर ले कर लेबे के निर्देश. सेना में बहाली खातिर 17 नवम्बर से वाराणसी में भर्ती रैली शुरू होखी जवना में सात गो जिला, सोनभद्र, चंदौली, मऊ, संत रविदास नगर, आजमगढ़, देवरिया

खबर भोजपुरी में (बुध, 5 नवंबर 2014)

गोवा के मुख्यमंत्री मनोहर पार्रिकर के भारत सरकार के रक्षा मंत्री बनावल जा सकेला. आजु एह बात के जमके चरचा रहल. अतवार का दिने कैबिनेट के विस्तार के उमेद जतावल जात बा. अबकी बेर बिहार से अश्विनी कुमार चौबे आ गिरिराज सिंह के मंत्री बनावल जा सकेला. दिल्ली विधानसभा चुनाव के मद्दे नजर साल 84

खबर भोजपुरी में (मंगल, 4 नवंबर 2014)

उत्तर प्रदेश से राज्यसभा चुनाव खातिर आपन एगो उम्मीदवार भाजपा अब ले नइखे चुनले आ संकेत मिलत बा कि कवनो बाहरी आदमी के टिकट दिहल जाई. सपा का तरफ से छह जने आपन परचा दाखिल क चुकल बाड़े. कांग्रेस एगो सीट पर पी एल पुनिया के उमीदवार बनवले बिया जिनका के सपा आपन फालतू वोट

खबर भोजपुरी में (सोमार, 3 नवंबर 2014)

जापान सरकार भारत के प्रधानमंत्री रहल मनमोहन सिंह के आपन माथ सम्मान से सम्मानित करी. राष्ट्रीय एथलेटिक्स : कर्नाटक की धाविका एम. आर. पुवम्मा एथेलेटिक्स के 400 मीटर स्पर्धा में स्वर्ण पदक जीतली. 800 मीटर स्पर्धा में टिंटू लुका के स्वर्ण पदक मिलल. 100 मीटर स्पर्धा में रेलवे के पदक जीतले. एलआईसी के एथलीट अंकित

Older Posts›› ‹‹Newer Posts