
खुदरा महँगाई दर पिछला पाँच महीना के निचला स्तर पर
April 13, 2018
नयी दिल्ली 12 अप्रैल (वार्ता). दालन के दाम पिछला एक साल का तुलना में 13 फीसदी घट गइल बा आ खाए पिए के बाकी सामानन के महँगाई दर कम रहला से मार्च में खुदरा मूल्य सूचकांक का आधार पर बने वाला मुद्रास्फीति के दर लगातार तिसरको महीना घटत अब 4.28 फीसदी पर आ गइल बा.