web analytics

मरदन के हॉकी में भारत पाकिस्तान के भिड़ंत आजु

गुवाहाटी में होखत दक्खिन एशियाई खेल में आजु शुक का दिने भारत पाकिस्तान के भिड़ंत होखे वाला ब। भारत के पिछलका मैचन में बढ़िया खेल नइखे रहल एहसे आजु सावधान रहला के जरूरत बा। ओने महिला फुटबॉल में बिना कवनो गोल के ड्रा करा के नेपाल भारत के रोक दिहलसि आ अब फाइनल में बांग्ला … Read more

 279 total views

नौ फरवरी के दिल्ली मे भाजपा बोलवलसि खेल संसद

लखनऊ 05 जनवरी (वार्ता) भाजपा.के खेल प्रकोष्ठ अगिला नौ फरवरी के दिल्ली के रामलीला मैदान में खेल संसद बोलवले बिया जवना में देश भर से आइल एक लाख से अधिका खिलाडी शामिल होखीहें. एह बारे में आजु एहिजा भाजपा कार्यालय मे खेलकूद प्रकोष्ठ के प्रदेश पदाधिकारियन के बइठक भाजपा के खेलकूद प्रकोष्ठ के सहसंयोजक सुनील … Read more

 250 total views

साल 2020 ले देश के दुनिया के माथ दस देशन में ले आवे के लक्ष्य

केन्द्रीय खेल मंत्री जितेन्द्र सिंह मंगल का दिने अपना मंत्रालय मे नेहरू युवा केन्द्र संगठन के वेबसाइट लांच कइला का बाद पत्रकारन के बतवले कि उमेद बा कि भारतीय ओलंपिक संघ के निलंबन के मुद्दा बातचीत से सझुरा लिहल जाई. कहलन कि मंत्रालय के योजना बा कि देश के साल 2020 ले पदक जीते का … Read more

 250 total views,  5 views today

भारत के भाग फूटल अफगानिस्तान जीतलसि खिताब

भाग भरोसे सैफ फुटबाल चैपियनशिप के फाइनल ले चहुँपल छह बार के चैपियन भारत के साथ भाग आखिर में छोड़िए दिहलसि आ आजु बुध का दिने काठमांडू में भइल फाइनल में अफगानिस्तान ओकरा के 2..0 से हरा के पहिला हाली सैफ चैपियन बने के गौरव हासिल कर लिहलसि. एकरा साथही अफगानिस्तान पिछला साल भारत से … Read more

 262 total views

देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

(शुक, 30 दिसंबर) देश राज्यसभा में लोकपाल विधेयक पर वोट ना करवलसि सरकार काहे कि ओकरा लगे बहुमत ना रहुवे. ओकर सहयोगी तृणमूल संशोधन पर मतदान करवावे खातिर डाँड़ कस लिहले रहुवे जबकि बहरी से सहायता देबे वाला बसपा, सपा, राजद वगैरह विधेयक के ओह प्रावधान का खिलाफ रहले जवना में राज्य में लोकायुक्त के … Read more

 357 total views

देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

(बुध, 28 दिसंबर) देश सीबीआई आपन फाइनल रिपोर्ट में कहले बा कि स्वामी निगमानंद के जहर दे के मारे के कवनो सबूत नइखे मिलल आ ऊ अपना अनशन का चलते मरले. प्रधानमंत्री अन्ना के नाम लिहले बिना कहले बाड़न कि लोकपाल पर संसद के फैसला के सम्मान करे सभही. अन्ना हजारे खराब तबियत का चलते … Read more

 414 total views,  10 views today

देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

(मंगल, 27 दिसंबर) देश लोकसभा में कुछ संशोधन का साथे लोकपाल आ लोकायुक्त विधेयक आजु ध्वनिमत से पारित हो गइल. मतदान से पहिले सपा, बसपा आ वामदल वहिष्कार कर के सरकार के काम आसान कर दिहलें. दिन भर चलल गरमागरम बहस में भाजपा नेत्री सुषमा स्वराज विधेयक के बखिया उधेड़ दिहली. बाद में जबाब देबे … Read more

 370 total views

देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

(सोमार, 26 दिसंबर) देश लोकपाल पर काल्हु मंगल का दिने संसद में बहस करावल जाई जवना में भाजपा आ माकपा संशोधन प्रस्ताव ले आवे के कहले बाड़े. जबकि संसदीय कार्य मंत्री पवन कुमार बंसल कहले बाड़न कि विपक्ष अपना संशोधन पर जोर मत देव आ लोकपाल विधेयक के पास हो जाये देव. लोकपाल का बहाने … Read more

 353 total views

देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

(अतवार, 25 दिसंबर) देश राजस्थान में सरकारी डॉक्टरन के हड़ताल अतवार का दिने पाँचवो दिनजारी रहल. हिमाचल प्रदेश के मुख्यमंत्री प्रो़ प्रेम कुमार धूमल केन्द्र सरकार से प्रधानमंत्री रहल अटल बिहारी वाजपेयी खातिर ‘भारत रत्न’ के उपाधि से अलंकृत करे के मांग कइलन. लोकपाल मुद्दा पर फेर अनशन करे जात अन्ना हजारे पर कांग्रेस फेर … Read more

 370 total views

देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

(शनिचर, 24 दिसंबर) देश श्रीनगर के बड़हन आबादी वाला बुचावारा इलाका से शनिचर का दिने एगो तेंदुआ के बेहोश कर के पकड़ल गइल. एगो तेदेपा नेता टीआरएस प्रमुख चन्द्र शेखर राव के चुनौती दिहलसि कि चलऽ दुनु आदमी तेलंगाना खातिर जान दे दिहल जाव. पुलिस ओह तेदेपा नेता के गिरफ्तार कर लिहलसि. दिल्ली के इंदिरा … Read more

 398 total views,  5 views today

देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

(शुक, 23 दिसंबर) देश कोलकाता के एएमआरआई अस्पताल जवना में लागल आग से तिरानबे लोग के मौत हो गइल रहे ओकरा निदेशकन के अदालत से जमानत ना मिलल आ सबके न्यायिक हिरासत में भेज दिहल गइल. राजस्थान के भंवरी देवी मामिला में एगो कांग्रेसी विधायक के बहिन आ चार गो दोसरा लोग का खिलाफ अदालत … Read more

 276 total views

देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

(बियफे, 22 दिसंबर) देश केंद्रीय कानून मंत्री सलमान खुर्शीद बियफे का दिने उमेद जतवले कि लोकपाल विधेयक संसद में पारित हो जाई आ सगरी सांसदन से सहयोग करे के निहोरा कइलन. कर्नाटक के मुख्यमंत्री डी॰वी॰ सदानन्द गौड़ा बियफे का दिने विधान परिषद उपचुनाव जीत लिहले. गायब भंवरी देवी के पति अमरचंद के अदालत न्यायिक हिरासत … Read more

 369 total views

देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

(बुध, 21 दिसंबर) देश पहिले केंद्रीय दूरसंचार मंत्री रहल ए. राजा के तब के एगो सहयोगी बुध का दिने अदालत के बतवलसि कि ओकरा अपना निजी जानकारी से मालूम बा कि कलैगनार टीवी टाटा स्काई सेवा में देखावल जाये वाला चैनल में शामिल रहे. इंदौर परिक्षेत्र के पुलिस महानिरीक्षक अनुराधा शंकर कहले बाड़ी कि झांसी … Read more

 333 total views

देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

(मंगल, 20 दिसंबर) देश वार रूम लीक मामला में लंदन के अदालत ने रविशंकरन के प्रत्यार्पण का बारे में सबूत सकार लिहलसि. झारखण्ड के 82 विधायकन में से 19 गो विधायक अबले अपना संपत्ति के घोषणा कइले बाड़े. एहमे कवनो मंत्री शामिल नइखन. राष्ट्रपति प्रतिभा पाटील आजु नौसेना दिवस पर आईएनएस सुभद्रा पर सवार होके … Read more

 314 total views

देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

(अतवार, 18 दिसंबर) देश अतवार का दिने जयपुर में केंद्रीय संचार राज्यमंत्री सचिन पायलट एगो नया योजना के शुरूआत कइलन जवना में लोग आपन फोटो वाला डाक टिकट पच्चीस रुपिया में लगा के डाक भेज सकी. हालैन्ड में ई सुविधा पहिले से बा आ ओहिजा केहु के फोटो वाला डाक टिकट छपवावल आ इस्तेमाल कइल … Read more

 299 total views

देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

(शनिचर, 17 दिसंबर) देश आजु अदालत में गवाही देत सुब्रह्मण्यम स्वामी दावा कइलन कि 2जी घोटाला में तब वित्त मंत्री रहल चिदम्बरम शामिल रहलें. रूस के आपन दौरा पूरा कर के प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह देश खातिर रवाना हो गइलें. एह दौरा में कई गो सफलता हासिल भइल बा. अन्ना हजारे शनिचर का दिने बेंगलुरू में … Read more

 396 total views

देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

(शुक, 16 दिसंबर) देश 2जी घोटाला में केंद्रीय दूरसंचार सचिव रहल सिद्धार्थ बेहुरा के जमानत याचिका खारिज आजु शुक का दिने खारिज कर दिहलसि अदालत. चिदम्बरम के इस्तीफा माँगत विपक्ष के हंगामा जा चलते संसद के कार्यवाही सोमार ले टार दिहल गइल. एगो निजी कंपनी के नाजायज फायदा चहुँपावे का आरोप का चलते विपक्ष गृह … Read more

 333 total views

देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

(बियफे, 15 दिसंबर) देश प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह आजु बियफे का दिने कहलन कि रूस दौरा पर उनुकर कोशिश दुनु देश के मौजूदा व्यापार 8.5 अरब डॉलर से बढ़ावे के रही. कहलन कि जोर रक्षा, ऊर्जा, अंतरिक्ष तकनीक अउर स्वास्थ्य क्षेत्र पर दिहल जाई. अन्ना हजारे आजु बियफे का दिने कहलन कि अगर समय के कमी … Read more

 329 total views

देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

(सोमार, 12 दिसम्बर) देश भोपाल गैस पीड़ितन के कहना बा कि भोपाल गैस दुर्घटना वाली कंपनी डाओ केमिकल्स ओलम्पिक समिति के खरीद लिहले बिया जवना चलते आयोजन समिति के अध्यक्ष सेबेस्टीन कोए ओकर बचाव करत बाड़न. 2जी मामला में एस्सार समूह के मालिकन का खिलाफ धोखाधड़ी के आरोप लगावल गइल बा. खगड़िया जिले के पसराहा … Read more

 302 total views

देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

(अतवार, 11 दिसम्बर) देश छत्तीसगढ़ के दूर-दराज इलाकन में सड़क बनावे खातिर राखल 3000 करोड़ रुपिया के इस्तेमाल कई साल से नइखे हो पावत काहे कि विकास आ मानवता विरोधी नक्सलियन के आतंक का चलते कवनो ठेकेदार काम करावे के तइयार नइखे होखत. जिंदगी के तरह तरह के रंगन के अपना कैनवास पर जियतार करे … Read more

 441 total views