Go to ...
RSS Feed

गाजीपुर

गाजीपुर से मऊ का बीच रेल लाइन

गाजीपुर जिला के ताड़ीघाट टीसन से होखत मऊ जिला ले रेल लाइन बिछावे के परियोजना नीति आयोग मंजूर क लिहले बा. 1004 करोड़ रूपिया के परियोजना पर जल्दिये काम शुरू हो जाई. रेल विकास निगम के सी.एम.डी. सतीश अग्निहोत्री एह बात के जानकारी देत कहलन कि एकरा प गंगा नदी रेल पुल आ ओकरा ऊपर

पीए के शुद्ध पानी ला पूर्वांचल के मिली 1583 करोड़

केंद्र सरकार पूर्वांचल समेत यूपी के दस जिलन में पीए के शुद्ध पानी के इंतजाम करावे ला 1583 करोड़ खरच करे के मंजूरी दे दिहलसि. एह में से 87 फीसदी केन्द्र सरकार दी जबकि 13 फीसदी खरच राज्य के करे पड़ी. इलाहाबाद, सोनभद्र, गाजीपुर, बलिया, कुशीनगर, देवरिया, गोरखपुर, बस्ती अउर बहराइच में होखे जात एह

गाजीपुर में 25 गो डेयरी

गाजीपुर जिला में पचीस गो कामधेनु डेयरी खोले के फैसला कइल गइल बा. एह बात के जानकारी देत ओहिजा के जिलाधिकारी के कहना बा कि हर डेयरी पर 27 लाख के खरचा आई जवना में से महज चउथाई पूंजी डेयरी लगावे वाला लगाई आ तीन चौथाई पूंजी बैंक से करजा मिल जाई. डेयरी खोले वाला

पूर्वांचल से अपराध आ हादसा के खबर

बलिया नगर से विधायक आ सपा सरकार में मंत्री रहल नारद राय का खिलाफ फर्जीवाड़ा करे का आरोप में आखिरकार केस लिखे के पड़ गइल बलिया पुलिस के. नारद राय पर आरोप बा कि उ अपना चुनाव के परचा में गलत जानकारी दिहले बाड़न. साल भर पहिले पूणे में एगो नाबालिग से कुकर्म के अछरंगी

भोजपुरी पट्टी से अपराध आ हादसा के खबर

सोमार का सबेरे गाजीपुर जिला जेल के डिप्टी जेलर संगे एगो कैदी मारापिटी कइलसि जवना का बाद चहुंपल बड़का अधिकारी मामिला शांत करवलें. कैदी अपना गलती खातिर माफी मांग लिहलसि. जौनपुर जिला में इलाहाबाद जौनपुर रोड पर पुरउपुर नहर का नियरा सोमार का दिने एगो डंपर से कचरा के मोटरसाइकिल से जात दूगो नवहियन के

अपराध आ हादसा के खबर भोजपुरी पट्टी से

सारण जिले के डोरीगंज इलाका के चिरांद गांव का लगे नक्सली हमला में आरा छपरा पुल बनावे के काम में लागल कंपनी के जेनरेटर रूम के उड़ा दीहल गइल. पश्चिम चंपारण के बैरिया इलाका के रेता में कई साल से फरार एगो अपराधी के गिरफ्तार कर लिहलसि पुलिस. रोहतास जिला के चेनारी इलाका के कुरमाबाद

अपराध आ हादसा के खबर पूर्वांचल से

बलिया टीसन पर शुक का दिने प्लेटफार्म संख्या 2 पर एगो अधेड़ के मौत पाला से ठिठुर के हो गइल. बतावल जात बा कि बियफे साँझे से ओकर लाश प्लेटफार्म पर पड़ल रहुवे बाकिर केहु ओहपर धेयान ना दीहल. आवत जात लोग ओकरा के सूतल सोच आगे बढ़ जात रहुवे. बाकिर शुक का दिन में

गाजीपुर में सेना बहाली रैली

अगिला महीना 6 जनवरी से 17 जनवरी का बीच गाजीपुर के सैदपुर में करमपुर गाँव के स्टेडियम में सेना बहाली रैली के आयोजन होखे वाला बा. एह रैली खातिर सत्तर हजार से बेसी नवही आपन पंजीकरण करवा चुकल बाड़ें. रैली के प्रभारी कर्नल विनीत प्रभात जिला प्रशासन आ पुलिस अधिकारियन का साथे बहाली रैली वाला

अपराध आ हादसा के खबर आजमगढ़, सोनभद्र, गाजीपुर, बलिया से

आजु शनिचर का दिने आजमगढ़ जिला के सिधारी इलाका के बेलइसा में सबेरे टहले निकलल उत्तर प्रदेश कांग्रेस कमेटी के को-ऑपरेटिव सेल अध्यक्ष अउर एडवोकेट राजनारायण सिंह के गोली मार के हत्या क दीहल गइल. गोली लगला का बाद उनकर मौत ठांवे पर हो गइल. सोनभद्र जिला के कोठा टोला इलाका के एगो खदान भसला

हादसा आ अपराध से जुड़ल खबर यूपी से

गाजीपुर जिला के भुड़कुड़ा इलाका के दलित बस्ती में ऊँख पेरत एगो आदमी के गमछी ओह में धरा गइल आ ऊ गमछी का साथही मशीन में खिंचात चल गइल. एह हादसा में ओकर ठावें पर मौत हो गइल. आजमगढ़ जिला के जहानागंज इलाका के दयालापुर गाँव का नियरा एगो स्कार्पियो का धक्का से टेम्पो पलट

यूपी पंचायत चुनाव के चउथको दौर पूरा

काल्हु बुध का दिने यूपी पंचायत चुनाव के चउथको दौर पूरा हो गइल. एहू दौर में छिटपुट वारदात छोड़ कवनो बड़हन घटना ना भइल. अलबत्ता गाजीपुर जिला में मीरपुर सोनबरसा गाँव के परधान रहल आ मौजूदा चुनावो में परधानी के उमीदवार पचास बरीस के मिरी राम के गोली मार के हत्या क दीहल गइल. एह

यूपी : अपराध आ हादसा

गुजरात से कमाई क के घरे लवटत एगो नवही ट्रेन से वाराणसी आइल आ ओहिजा से प्राइवेट बस पकड़ के गाजीपुर चहुँपल. एहिजा रौजा बस स्टैंड पर उतरत घरी ओकरा के पीछे से आवत एगो ट्रक कचारत निकल गइल आ ओकर ओहिजे मौत हो गइल. नवही सुहवल थाना के बड़ौरा गाँव के रहुवे. मिर्जापुर के

गाजीपुर में ट्रक आ ट्रेन के टक्कर

गाजीपुर जिला में सहेड़ी क्रासिंग पर काल्हु एगो ट्रक शनिचर का भोर में स्वतंत्रता सेनानी से टकरा गइल. एह हादसा में ट्रक नेस्तनाबूद हो गइल. बतावल जात बा कि गिट्टी लदले इ ट्रक तेज रफ्तार से आके रेल फाटक के तूड़त लाईन पर आ गइल. लाईन पर रेल गाड़ी आवत देख ड्राइवर आ खलासी कूद

यूपी पंचायत चुनाव में चार जने के जान गइल

काल्हु शनिचर का दिने यूपी के पंचायत चुनाव के पहिला दौर में 221 प्रखंडन में मतदान करावल गइल. छिटपुट मारपीट आ हिंसा के माहौल में 75 फीसदी मतदान होखे के खबर बा. करीब एक दर्जन जिलन में हिंसा होखे के खबर बा. आगरा आ एटा जिला में एह हिंसा में एक एक आदमी आ मैनपुरी

गोपालगंज के रहेवाला रेल कर्मचारी के लाश गाजीपुर के डेरा में मिलल

बिहार के गोपालगंज जिला के रहे वाला झब्बू चौधरी रेलवे में गेटमैनी करत रहलन. झब्बू के लाश बियफे का दिने उनुका कोठरी में मिलल. परिवार के लोग छठ मनावे गाँवे चल गइल रहुवे आ ऊ अकेले रहलन.

बलिया गाजीपुर के सूखाग्रस्त घोषित कइलसि यूपी सरकार

यूपी सरकार राज्य के पचास गो जिला के सूखाग्रस्त घोषित कइले बिया जवना में बलिया, गाजीपुर, जौनपुर, मऊ, मिर्जपाुर, भदोही, चंदौली आ सोनभद्र के नाम शामिल बा. सूखाग्रस्त घोषित भइला का बाद अब एह जिलन में राजस्व वसूली रोक दीहल गइल बा. राजस्व विभाग के प्रस्ताव के काल्हु कैबिनेट से मंजूरी मिल गइल.

गाजीपुर से बलिया ले रेल के डबल लाइन आ छठ स्पेशल

रेल राज्य मंत्री मनोज सिन्हा आजु गाजीपुर में जानकारी दिहलन कि 20 तारीख के गाजीपुर से बलिया के बीच रेल लाइन डबल करे के काम के शुरुआत क दीहल जाई. ओही दिने गाजीपुर में वाशिंग पिट के नेंवो राखल जाई. गाजीपुर से औड़िहार जौनपुर होखत वाराणसी ले एगो नया डीएमयू ट्रेन चलावल जाई. मऊ से

गाजीपुर में अतवार के मिलल लाश हत्या वाला होखे के अनेसा!

अतवार का साँझ गाजीपुर के मुहम्मदाबाद का लगे मलिकपुरा नई बस्ती में एगो नवही के लाश फेंकल मिलल. ओकर पहचान अबले साबित नइखे भइल लाश देख के लागल कि ओकर हत्या कुछ दिन पहिले भइल रहे काहें कि ओकरा लाश सड़े लागल रहुवे. एह बारे में कोतवाली प्रभारी दिलीप सिंह के कहना बा कि पोस्टमार्टम

गाजीपुर में होखे वाला सेना बहाली के पंजीयन 7 नवंबर से शुरु

अगिला साल 6 जनवरी का दिन से छह गो पूरबी जिलन के नवही सेना बहाली खातिर गाजीपुर में होखे वाला बहाली रैली में शामिल हो सकीहें. एह खातिर पंजीयन शनिचर 7 तारीख से शुरु होखे जा रहल बा आ लोग आनलाइन पंजीयन करा लेव. बहाली रैली 6 जनवरी से शुरु हो के 17 जनवरी ले

यूपी मंत्रीमंडल विस्तार में गाजीपुर से फातिमा आ जौनपुर से ललई

यूपी के अखिलेश सरकार के पहिलका बड़का विस्तार में काल्हु शनिचर का दिने राजभवन के गाँधी सभागार में एक दर्जन नया मंत्रियन के किरिया धरावल गइल. एही मौका पर नौ गो मंत्रियन के प्रमोशनो मिल गइल. एह एकइस मंत्रियन में से पाँच जने के कैबिनेट मंत्री, 8 जने के राज्यमंत्री स्वतंत्र प्रभार आ 8 जने

Older Posts›› ‹‹Newer Posts