Go to ...
RSS Feed

गोण्डा

भोजपुरी पट्टी से 11 गो खबर, शुक 1 जून 2018 के

गोरखपुर में दू दिन लागी रोजगार मेला गोरखपुर 01जून (वार्ता) उत्तर प्रदेश के गोरखपुर विश्वविद्यालय में एगो बड़हन रोजगार मेला दू दिन ला लगावल जाए वाला बा. सहायक निदेशक सेवायोजन अखण्ड प्रताप सिंह बतवलन कि क्षेत्रीय सेवायोजन कार्यालय का तरफ से 9 आ 10 जून के दू दिन के रोजगार मेला दीक्षा भवन, विश्वविद्यालय परिसर

भोजपुरी पट्टी से 10 गो खबर, 6 मई 2018, अतवार

कार आ कंटेनर का बीच टक्कर से तीन लोग के मौत छपरा 06 मई (वार्ता) सारण जिला के दाउदपुर इलाका के भोला ढाला का नियरा काल्हु देर रात एगो कार बेकाबू होके कंटेनर से टकरा गइल आ एह हादसा में दाउदपुर थाना के टेटीहा टोला के शिवनाथ सिंह (50 बरीस), विधायी सिंह (18 बरीस) अउर

जहरखुरानी गिरोह के दू गो बदमाश गिरफ्तार, ट्रैक्टर ट्रॉली बरामद

गोण्डा 14 अप्रैल (वार्ता). गोण्डा जिला के उमरीबेगम गंज इलाका के बरौली टेंपरा सरपत जंगल से नशीला पेय पिया के वाहन लूटे वाला गिरोह के दू गो बदमाशन के आजु लूटल गइल ट्रैक्टर ट्रॉली का साथे गिरफ्तार क लीहल गइल. पुलिस अधीक्षक लल्लन सिंह पत्रकारन के बतवलन कि पिछला 10 अप्रैल के उपेन्द्र सिंह नामके

गोण्डा में पांच लाख के गांजा समेत दू जने धरइलें

गोण्डा 13 अप्रैल (वार्ता). गोण्डा जिला के नवाबगंज इलाका में पुलिस दू गो तस्करन से करीब पाँच लाख रुपिया के गाँजा बरामद करत ओकना के गिरफ्तार कर लिहले बिया. पुलिस बतवलसि कि खुफिया जानकारी मिलला का बाद आबकारी विभाग के दस्ता कटरा शिवदयालगंज इलाका में एगो मकान पर छापा मार के राजेश आ सागर नामके

गोण्डा में नवही के लाश मिलल

गोण्डा 30 मार्च (वार्ता ). गोण्डा के कौड़िया इलाका में अपना ससुरारी आइल एगो नवही के लाश सड़क किनारे फेंकल मिलल. पुलिस से पता चलल बा कि रामापुर गांव के 21 बरीस उमिर के निरहु अपना ससुरारी तिलका चांदी थाना कटरा बाजार गइल रहुवे. वापिस ना लवटला पर ओकरा घर के लोग ओकरा खोजाई में

गोण्डा पुलिस असलहा फैक्ट्री के पर्दाफाश कइलसि

गोण्डा 27 मार्च (वार्ता). गोण्डा पुलिस मंगल का दिने देहात कोतवाली इलाका से एगो असलहा फैक्ट्रे के भंडाफोड़ करत दू गो अपराधियन के गिरफ्तार क लिहलसि. एहनी का लगे से बहुते असलहा, कारतूस, आ हथियार बनावे के सामानो धराइल बा. पुलिस अधीक्षक लल्लन सिंह बतवलें कि कोतवाली देहात इलाका में पुलिस छापामार के अवैध हथियार

22 मार्च 2018, बियफे चार बजे ले भोजपुरी पट्टी से सात गो खबर

माई के प्रताप से एहिजा अंग्रेजनो के माथ नवावे पड़ल रहुवे देवरिया, 22 मार्च (वार्ता). देवरिया जिला मुख्यालय से करीब सात किलोमीटर दूर अहिल्वार गांव में अहिलवार देवी के प्रताप का आगे अंग्रेजनो के आपन फैसला बदलत माई के प्रताप का आगे माझ नवावे के पड़ल रहुवे. जानकार बतावेलें कि करीब 110 साल पहिले बनारस

टटका खबर, 17 मार्च 2018, शनिचर

वाराणसी से बलिया का बीच रेलविद्युतीकरण पूरा, अप्रैल से चली इलैक्ट्रिक इंजन वाराणसी, 17 मार्च (वार्ता). दिल्ली से बिहार आ पूर्वोत्तर ओरि जाए वाला वैकल्पिक मार्ग इलाहाबाद-वाराणसी-बलिया रेल लाइन के विद्युतीकरण पूरा हो गइल बा आ अब 1 अप्रैल से एह लाइन पर बिजली के इंजन से गाड़ी चले लगीहें सँ. रेल राज्यमंत्री मनोज सिन्हा,

भोजपुरी पट्टी से टटका खबर, 12 मार्च 2018, सोमार

वाराणसी आ पटना के बीचे सफर भइल आसान वाराणसी, 12 मार्च (वार्ता). प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आजु मंडुवाडीह रेलवे स्टेशन पर ‘‘जन शताब्दी एक्सप्रेस” के हरियर झंडी देखाके बिहार के राजधानी पटना ला रवाना करवलन. बतावल जात बा कि ई गाड़ी संख्या 15125 वाराणसी के मंडुवाडीह टीसन से रोज सबेरे सवा छह बजे रवाना होखल करी

टटका खबर, 27 फरवरी 2018, मंगल

अयोध्या में राम मंदिर बनावे के कोशिश सही दिशा में : श्री श्री रविशंकर वाराणसी, 27 फरवरी (वार्ता). अयोध्या में श्रीराम मंदिर-बाबरी मस्जिद विवाद आपसी बातचीत से सुलझावे में लागल श्री श्री रविशंकर आजु कहलन कि मंदिर बनावे के कोशिश सही दिशा में चल रहल बा आ आवे वाला समय में एकर बेहतर परिणाम सामने

गोण्डा पुलिस मुठभेड़ में लुटेरा गिरफ्तार

गोण्डा 20 फरवरी (वार्ता ). गोण्डा के कर्नलगंज क्षेत्र में एगो आदमी से बीस हजार रुपये लूटके भागत बदमाश के मुठभेड़ क के गिरफ्तार क लीहल गइल. मुठभेड़ में गोली लगला से से बदमाश आ एगो पुलिसकर्मी घाहिल हो गइलें. पुलिस अधीक्षक उमेश कुमार सिंह बतवलें कि बालपुर इलाका में सर्व यू पी ग्रामीण बैंक

गोण्डा में महतारी-बेटी के लाश फेंड़ प लटकल मिलल

गोण्डा 19 फरवरी (वार्ता ) यूपी के गोण्डा जिला के नवाबगंज इलाका में बैजलपुर में एगो फेंड़ पर एगो औरत आ ओकर आठ बरीस के बेटी के लाश फेंड़ प लटकल मिलल. औरत के नइहर वालन के कहना बा कि ओकर खून कइल गइल बा. पुलिस वालन के कहना बा कि मरल औरत आरती के

टटका खबर, मंगल, 2 जनवरी 2018

देश में चुनाव लड़े वाला गोल के चंदा देबे वाला लोग, फर्भ, संस्था भा कंपनी अब स्टेट बैंक के निर्धारित शाखा से एक हजार से ले के एक करोड़ रुपिया तक के बॉण्ड खरीद के ओह गोल के दे सकीहें. चंदा पावे वाला आ देबे वाला अपना अपना खाता में एकर जिक्र करीहें बाकिर ई

टटका खबर, 27 सितम्बर 2017, बुध

सेना आजु बुध का फजीरहीं म्यांमार का सीमा से लगल इलाका में नागा उग्रवादी संगठन नेशनल सोशलिस्ट काउंसिल ऑफ नगालिम (खापलांग) का खिलाफ एगो बड़हन कार्रवाई क के बहुते उग्रवादियन के मार गिरवलसि. सेना के कवनो जवान के हताहत होखे के खबर नइखे. कार्रवाई अपने देश के इलाका में भइल आ सीमा पार करे के

दिल्ली से आआपा के विदाई के तइयारी आ 26 अप्रैल 2017, बुध के अउरीओ खबर

साल 2015 में दिल्ली विधानसभा के चुनाव बहुते बड़हन मार्जिन से जीतला का बाद अरविन्द केजरीवाल के गलतफहमी हो गइल कि अब देश में उनुका जोड़ के कवनो दोसर नेता नइखे आ लगलन एह राज्य से कूद के ओह राज्य ले आपन गोड़ जमावे के कोशिश करे. हर जगह से हारत गइला का बादो एह

टटका खबर, 25 अप्रैल 2017, मंगल

आजु यूपी कैबिननेट का मीटिंग में कई गो फैसला लीहल गइल जवना में सबले खास रहल भूमाफियन का खिलाफ टास्क फोर्स बनावे आ महापुरुषन का नाम प मिले वाली छुट्टयन के रद्द कइल. बइठक के अध्यक्षता यौगी आदित्यनाथ कइलन. बइठक का बाद राज्य के ऊर्जा मंत्री श्रीकांत शर्मा पत्रकारन के बतवलन कि भूमाफियन का खिलाफ

टटका खबर, 22 अप्रैल 2017, शनीचर

यूपी के नयका डीजीपी सुलखान सिंह के कहना बा कि कानून से खेला करे वाला कवनो आदमी का छोड़ल ना जाई. पुलिस आपन काम बिना कवनो बाधा भा दबाव के करी आ सही काम करे वाला के देरइला के जरुरत ना पड़ी. मिर्जापुर के अदलहाट इलाका में कई जिलन में वाहन चोरी करे वाला लुटेरा

टटका खबर, 14 फरवरी 2017, मंगल

बिहार बोर्ड का इंटर परीक्षा आजु मंगल का दिन से शुरु भइल आ पहिलके दिने च्र दर्जन से अधिका नकलचियन के निष्कासित करे पड़ गइल. दरभंगा साइंस कॉलेज के प्राचार्य के अधीक्षक पद से हटा दीहल गइल. पटना हाई कोर्ट से रिटायर हो चुकल न्यायाधीश श्याम किशोर शर्मा के बिहार लोकायुक्त के अध्यक्ष बनावल गइल

टटका खबर, 27 जनवरी 2017

काल्हु आइल ओपिनियन पोल में बतावल गइल बा कि उत्तर प्रदेश, पंजाब, गोवा, उत्तराखण्ड, अउर मणिपुर में होखे वाला विधानसभा चुनाव में पंजाब छोड़ हर राज्य में भाजपा सबले आगा रही. उत्तर प्रदेश, पंजाब, अउर गोवा में त्रिशंकु परिणाम आई जबकि उत्तराखंड में भाजपा के बहुमत मिल जाई. कश्मीर के गुरेज सेक्टर में बुध का

टटका खबर, 26 जनवरी 2017

आजु देश भर में 68वां गणतंत्र दिवस धूमधाम आ खुशी उल्लास का साथे मनावल जात बा. एह मौका प दिल्ली के राजपथ पर देश के सैनिक ताकत, प्रौद्योगिकी आ पुरहर सांस्कृतिक विरासत के शानदार झलक देखे के मिलल. परेड का बाद प्रंधानमंत्री दर्शक दीर्घा का लगे आ के लोगन के अभिवादन कइलें. गणतंत्र दिवस परेड

Older Posts››