Go to ...
RSS Feed

गोपालगंज

बिहार पंचायत चुनाव के उमीदवारी आ यूपी के इण्टरमीडिएट परीक्षाफल

(टटका खबर, सोमार, जेठ अँजोरिया एकादशी, 2078 विक्रमी) उत्तर प्रदेश माध्यमिक शिक्षा परिषद कोरोना महामारी का चलते रद्द कइल गइल परीक्षन के परिणाम जारी करे वाला सिद्धान्त तय कर लिहले बावे. एह सिद्धान्त के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के मंजूरी मिल गइल बा. अब परिणान जल्दिए जारी हो जाए के उमीद बा. एह सिद्धान्त का हिसाब

संविधान के माया, कतहीं धूप कतहीं छाया

टटका खबर, बुध, जेढ चतुर्दशी, 2078 विक्रमी पहिला खबर जानीं कि दिल्ली हाई कोर्ट दिल्ली दंगन के आरोपी आसिफ इकबाल तन्हा के जमानत दे दिहलसि काहे कि ओकरा बीए के परीक्षा में आपन छूटल पेपर के परीक्षा देबे के बा. अब दोसर खबर जानीं कि सुप्रीम कोर्ट एगो बूढ़ हिन्दू प्रवाचक आसाराम बापू के जमानत

टटका खबर, बियफे. जेठ अन्हरिया प्रतिपदा, 2078 विक्रमी

काल्हु आइल भयंकर समुद्री तूफान यास उत्‍तर-पश्चिम ओर बढ़त कमजोर हो गइल. भारतीय मौसम विभाग के कहना बा कि एह तूफान से अंडमान निकोबार द्वीप समूह, ओडिशा, अउर पश्चिम बंगाल में सबले बेसी नुकसान भइल बा. घनघोर बरखा आ आन्ही से किनाते के कई एक गाँव में बाढ़ आ गइल आ कई जगहा तटबंध टूट

टटका खबर, मंगल, वैशाख अँजोरिया चतुर्दशी, 2078 विक्रमी

चक्रवात यास से निपटे का काम में राष्ट्रीय आपदा मोचन बल के नाहिय त एक सौ टुकड़ी तूफान से प्रभावित होखे वाला पाँच गो राज्यन आ एगो केन्द्र शासित क्षेत्र में तैनात क दीहल गइल बा. उड़ीसा, पश्चिम बंगाल, आन्ध्र प्रदेश, तमिलनाडु, झारखण्ड, आ अंडमान निकोबार द्वीप समूह एह तूफान से प्रभावित होखे के अनेसा

टटका खबर, शुक, वैशाख अन्हरिया एकादशी, 2078 विक्रमी

आगे पढ़े से पहिले जान लीं कि भोजपुरी के पहिलका वेबसाइट अंजोरिया डॉटकॉम के ट्राफिक रैंक हिन्दुस्तान में आजु अबहीं 19 हजार 656 पर बा. एहमें हर भाषा के वेबसाइट शामिल बा. दुनिया में एकर रैंक 2 लाख 66 हजार 291 बा. करीब 200 करोड़ वेबसाइटन का बीच भोजपुरी वेबसाइट के एह रैंकिग से भोजपुरियन

टटका खबर, बियफे, वैशाख अन्हरिया दशमी, 2078 विक्रमी

नंदीग्राम में ममता के हरा के विधायक बनल सुवेंदु अधिकारी काल्हु कहलन कि साफ हो गइल बा कि तृणमूल कांग्रेस प्राइवेट लिमिटेड कंपनी हउवे. 213 गो विधायक जीतला का बादो ओहमें से केहू के नेता ना बना के चुनाव हारल ममता के मुख्यमंत्री बनावल एकरा के साबित करत बा.जान जाईं कि ममता के हरा के

टटका खबर, शनीचर, वैशाख अन्हरिया पंचमी, 2078 विक्रमी

काल्हु शुक का दिने टीवी चैनल ‘आज तक’ के बड़का एंकर रोहित सरदाना के मौत कोरोना छूताह भइला का बाद अचानक आइल हृदयाघात का चलते हो गइल. जान जाईं कि पिछला 24 अप्रैल के सरदाना के कोरोना रिपोर्ट छूताह आइल रहुवे. ओकरा बाद उऩुका के अस्पताल में भरती करावल गइल बाकिर 42 बरीस के रोहित

टटका खबर, बियफे, दशमी, चईत अँजोरिया, 2078 विक्रमी

देश के विरोधी गोल चाहे ऊ राजनीति में होखो, मीडिया में होखो, प्रशासन में होखो, सरकार चलावत होखो, भा पंचइति करे में लागल होखो बुझात बा कि बाकायदा एगो टूल किट बना के देश के माहौल बिगाड़े में लागल बा. अपना देश के लोग त कउवा कान ले गइल सुनते कउवा का पाछा भागे लागेला

टटका खबर, अतवार, 11 अप्रैल 2021

पश्चिम बंगाल विधानसभा चुनाव के चउथका डेग पाँच गो अनेरियन के जान ले के बीतल. कुछ दिन पहिले ममता बनर्जी अपना गोल के सहकवले रहली कि अगर सुरक्षा बलन का चलते कवनो दिक्कत होखत होखे त सुरक्षा बल के घेरा बान्ह द लोग. एही सहकावा में आ के कूचबिहार जिला के शीतलकुची के पागलपीर में

टटका खबर, 29 मार्च 2021, सोमार

रउरा सभे के फगुआ के शुभकामना. पश्चिम बंगाल विधानसभा चुनाव में का होखे जा रहल बा ओकर आभास होखे लागल बा. अशोकनगर विधानसभा सीट से तृणमूल उम्मीदवार नारायण गोस्वामी ला रोड शो के साटा पर आइल तृणमूल सांसद नुसरत जहाँ रोड शो में एक घंटा से अधिका समय लागत देखि बीचे में निकल गइली. सोशल

टटका खबर, 28 मार्च 2021, अतवार

बांग्लादेश के यात्रा पर गइल प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी शनिचर का दिने अपना दिनचर्या के शुरुआत सतखीरा में जेसोरेश्‍वरी काली शक्ति पीठ में पूजा-अर्चना से कइनी. ओकरा बाद ओराकांडी जा के मटुआ संप्रदाय के पूज्य श्री श्री हरिचांद ठाकुर देव जी के मन्दिर जा के आशीर्वाद लिहनी. ओहिजा अपना संबोधन में कहनी कि ठाकुर देव जी

टटका खबर, अतवार 6 सितम्बर 2020 के

बिहार विधानसभा चुनाव के घोषणा से पहिलहीं छरपा-छरपी के दौर चालू हो गइल बा. एह दौरान विरोधियन के नाथे के कोशिश त होखते बा अपना संघतियनो के जगहा देखावे के कोशिश हो रहल बा. नीतीश आ पासवान में कबो पटल ना बाकिर एह घरी भाजपा नीत राजग में दुनू गोल शामिल बा. एकरा बावजूद एक

टटका खबर, मंगल 25 दिसंबर 2020 के

अदालत के अपमान करे के दोसी मानल गइल वकील प्रशान्त भूषण के सजा देबे के फैसला सुप्रीम कोर्ट में सुरक्षित राख दीहल गइल. वकीलन के एकजुट राय रहुवे कि प्रशान्त के कवनो सजा ना दीहल जाव. प्रशान्त अपना बयान ला माफी मांगे के तइयार नइखन आ अदालत के बुझात नइखे कि छोड़ल जाव त का

टटका खबर, अतवार 23 अगस्त 2020 के

कांग्रेस में अध्यक्ष पद पर गाँधिए परिवार के कवनो बेकत के बनवले राखे ला परिवार सेवक जोर लगवलें. नइखन चाहत कि कांग्रेस में कवनो दोसर आदमी अध्यक्ष बन जाव. कांग्रेस के आगरा जिला अध्यक्षा के एगो स्चिंग मीडिया में सामने आइल बा जवना में पार्टी चलावे के नाम पर एगो बिजली कंपनी से खुलेआम चन्दा

भोजपुरी पट्टी से 10 गो खबर, 8 मई 2018, मंगल

मऊ में ट्रैक्टर ट्राली पलटला से मजदूर के मौत मऊ, 08 मई (वार्ता) मऊ जिला के मधुबन इलाका में बालू लदले एगो ट्रैक्टर ट्राली पलटला से एगो मजदूर रामपुकार गोंड (35 बरीस) के मौत हो गइल. गोरखपुर में करंट लगला से दू जने के मौत गोरखपुर, 08 मई (वार्ता) गोरखपुर जिला के गुलहरिया इलाका में

भोजपुरी पट्टी से साँझ चार बजे तक के सात खबर, 19 मार्च 2018, सोमार

बिहार में प्रॉपर्टी डीलर के गोली मारिके हत्या आरा 19 मार्च (वार्ता). भोजपुर जिला के भोजपुर इलाका में दौरागंज के आदित्य कुमार सिंह का घरे आजु सबेरे कुछ बदमाश चहुँपले आ दरवाजा खटखटवले सँ. आ आदित्य जइसहीं दरवाजा खोलले उनुका के गोली मार दिहले सँ बदमाश आ फरार हो गइले सँ. आदित्य के ओहिजे मौत

चौदह गो खबर, 18 मार्च 2018, अतवार

हम के बागी नेता नरेंद्र सिंह जदयू में शामिल होखिहें पटना 18 मार्च (वार्ता) हिन्दुस्तानी आवाम मोर्चा (हम) के बागी नेता नरेंद्र सिंह गोल पर दावा करत अपना समर्थकन समेत राजग के घटक जनता दल यूनाईटेड में शामिल होखे के एलान कइलन. कहलन कि गोल के बइठक में जीतन राम माँझी के हटा के सीनियर

अज्ञात वाहन से कचरा के एक जने के मौत

गोपालगंज 17 मार्च (वार्ता) गोपालगंज जिला के कुचायकोट इलाका के सासामुसा बाजार में देर राति कवनो वाहन से कचरा के एक आदमी के मौत हो गइल. पुलिस सूत्र बतावत बाड़ें कि अदालत में गवाही देके वशिष्ठ शर्मा (45) अपना घरे लवटत रहले जब ई हादसा हो गइल. उनुकर मौत ओहिजे हो गइल. जानकारी पा के

भोजपुरी पट्टी से, 13 मार्च 2018, मंगल

आनन्द अग्रवाल अपना समर्थकन संग सपा से किनारा कइलन लखनऊ 13 मार्च(वार्ता). समाजवादी गोल के व्यापार सभा के अध्यक्ष आनन्द अग्रवाल समेत कई नेता आजु अपना पद से इस्तीफा दे दिहलें. एह लोग के कहना बा कि सपा व्यापारी वर्ग आ वैश्य समाज के अनदेखी करत बिया. एह लोग के इहो शिकायत बा कि बसपा

जमीन दलाल के खून

गोपालगंज 07 मार्च (वार्ता) गोपालगंज नगर थाना इलाका के एकदरवा गांव का लगे हथियारबन्द अपराधी आपसी रंजिश में एगो जमीन दलाल के खून कर दिहले। पुलिस सूत्र बतवलें कि जमीन दलाल नसरूद्दीन मिंया मंगल का देर राति एगो शादी समारोह में शामिल होके घरे लवटत रहले जब गांव का नियरे पहिले से घात लगा के

Older Posts››