Go to ...
RSS Feed

गोपालगंज

टटका खबर, 19 फरवरी 2017, अतवार

भोजपुरी सिनेमा के सुपरस्टार रविकिशन शुक्ला आजु दिल्ली में भाजपा के राष्ट्रीय अध्यक्ष अमित शाह के मौजूदगी में भाजपा में शामिल हो गइलन. याज करीं कि पिछला बेर रविकिशन जौनपुर लोकसभा सीट से कांग्रेस का टिकट प किस्मत अजमवले रहन. दिल्ली में भाजपा अध्यक्ष बनावल जा चुकल मनोज तिवारी से इनकर कम्पीटिसन भोजपुरी सिनेमा उद्योग

टटका खबर, 8 फरवरी 2017, बुध

तेरह मार्च से रउरा अपना खाता से जतना जरुरत होखे ओतना रुपिया निकाल सकब. अबहीं ई सीमा 24 हजार के बा. 20 फरवरी से एकर सीमा बढ़ा के पचास हजार क दीहल जाई जवन 13 मार्च से एकदमे खतम हो जाई. राजद अध्यक्ष लालू प्रसाद यादव अपना दामाद राहुल यादव के समर्थन में बुध का

टटका खबर, 3 फरवरी 2017, शुक

उत्तर प्रदेश पर्यटन विभाग बस्ती में महान स्वतंत्रता संग्राम सेनानी महाराजा जालिम सिंह के किला अमौढा अउर बारहभिटिया समय माता मंदिर वगैरह जगहन के विकास आ सौन्दर्यीकरण प 70 लाख रुपिया से अधिका के खरचा करे के योजना बनवले बावे. पटना के पाटलिपुत्रा स्पोर्ट्स कॉम्प्लेक्स में चलत 81वीं राष्ट्रीय सीनियर बैडमिंटन चैंपियनशिप के पुरुष एकल

टटका खबर, 2 फरवरी 2017, बियफे

पंजाब आ गोआ में विधानसभा चुनाव ला प्रचार के काम आजु बियफे के साँझे खतम हो गइल. एह दूनू राज्यन में परसों 4 फरवरी के वोट डालल जाई. गोपालगंज जिला के दशम अपर मुख्य न्यायिक दंडाधिकारी के अदालत 18 बरीस पुरान हत्या के मामिला के सुनवाई करत केस डायरी पेश ना भइला से पुलिस अधीक्षक

टटका खबर, 28 जनवरी 2017

बिहार में फेरु भइल शिक्षा घोटाला. पर साल बिहार के बदनाम बोर्ड घोटाला का तरहे एगो नया घोटाला शिक्षा का क्षेत्र में भइल सामने आइल बा. बिहार विश्वविद्यालय में भइल एहू घोटाला के केन्द्र में वइसने रसूख वाला मौदूद बा जवना चलते ओकरा प केहू हाथ डाले के हिम्मत नइखे करत. ललन सिंह के नाम

टटका खबर, 9 जनवरी 2017

छपरा टीसन प आजु सबेरे मुम्बई से मुजफ्फरपुर जात पवन एक्सप्रेस के एगो कोच में तलाशी लेत रेल पुलिस का हाथे एगो झोरा लागल जवना के केहु दावेदार ना बनल. ओह झोरा से ढेरे असलहा बलामद भइल बा. सवारियन से पूछला से कुछऊ थाह ना लाग पावल. यूपी चुनाव घोषणा का बाद कानून व्यवस्था बनवले

टटका खबर, सोमार, 28 नवम्बर 2016

वित्त मंत्री अरुण जेटली आजु लोक सभा में आयकर कराधान कानून (दुसरका बदलाव) विधेयक, 2016 पेश कइलन। एह विधेयक में अघोषित आमदनी पर कुल मिलाके 50 प्रतिशत टैक्स आ सरचार्ज लगावे के प्रस्ताव बा। एह 50 फीसदी का उपर से 25 फीसदी अउर प्रधानमंत्री गरीब कल्याण जमा योजना-2016 में जमा करावे के पड़ी जवना प

छपरा न्यूज, 15 अक्टूबर 2016, शनिचर

एकमा नगर पंचायत ला वोट पड़ल काल्हु शुक का दिने एकमा नगर पंचायत ला वोट डालल गइल. सबेरहीं से लोग वोट डालेला लाइल में लागल शुरू हो गइल रहुवे. कोहरगड़ बलुआपर बूथ पर फर्जा नाम पर वोट डाले चहुँपल लोग के पुलिस खदेड़ खदेड़ के पीटलसि. करीब 60 फीसदी वोटर अपना कर्तव्य के पालन कइलन

गोपालगंज के कुचायकोट में एगो व्यापारी के छुरा से गोद गोद के हत्या

बिहार के गोपालगंज में कुछ बदमाश कुचायकोट के नयाटोला के रहेवाला वशिस्ठ शर्मा के बेटा अभिमन्यु कुमार शर्मा के छुरा घोंप घोंप के मार दिहलें। अभिमन्यु मोबाइल के दुकान चलावत रहल। हत्या काहे भइल से पता नइखे चलल। कुछ दिन पहिले दुकान से एगो लैपटॉप केहू चोरा लिहले रहल। जबले घवाहिल अभिमन्यु के अस्पताल चहुँपावल

सोमार का रात आइल तूफान से बेतिया आ गोपालगंज में बहुते नुकसान

सोमार का रात हर घंटे 70 किलोमीटर के दूरी पार करत आइल तूफान से बिहार के चार गो जिला झकझोरा गइल. चंपारण आ गोपालगंज में बहुते संपति के नुसान भइला के खबर बा. एह आंधी का साथही आइल बरखा आ बनरी गिरला से आम आ लीची के फसल के बहुते नुकसाल भइल बा. नरकटियागंज, रक्सौल,

मस्जिद का नियरा श्रीरामनवमी के जुलूस पर ढेलामारी

सत्ता के गुमान आ प्रशासन के बेबसी से मनबढ़ू बनल लोग काल्हु गोपालगंज, मीरगंज आ सिवान में श्रीरामनवमी के जुलूस पर ढेलामारी कइले आ उपद्रव मचवले. बेबस प्रशासन बवालियन पर कड़ाई करे का जगहा समुझावे बुझावे में लागल रहल आ जुलूसे के रोके लागल. एह चलते कुछ देर ला बवाल बेकाबू बन गइल. हालात बिगड़े

छपरा न्यूज, 07 अप्रैल 2016

बिहार में शराब बन्दी का चलता अगर कवनो पियक्कड़ के मौत हो जाई त बिहार सरकार ओकरा परिवार के 4 लाख रुपिया के मुआवजा दीहि. एकर अधिसूचना जारी क दीहल गइल बा. उत्पाद आ मद्य निषेध मंत्री अब्दुल जलील मस्तान कहलन कि पियक्कड़ अगर नशा मुक्ति केन्द्र ले चहुंप नइखे पावत भा इलाज के दौरान

भोजपुरी पट्टी से अपराध आ हादसा के खबर

भदोही जिला में गोपीगंज इलाका के सेमराध मोड़ पर एगो टेम्पो आ ट्रैक्टर के टकरइला से टेम्पो में सवार माई-बेटी के ठावें पर मौत हो गइल. भोजपुर जिला के गजराजगंज में काँवरियन के कोइलवर से ब्रह्मपुर ले जात में एगो बस पलट गइल जवना चलते नाहियो त एक दर्जन लोग घवाहिल हो गइलें. गोपालगंज के

बिहार से अपराध के खबर

बेतिया में मझौलिया प्रखंड के पारस पकड़ी गांव में शनिचर का रात स्टेट बैंक शाखा के जंगला के ग्रिल काटके करीब 50 लाख के गहना आ साढ़े आठ रुपिया नगदी चोरा ले गइल बाड़ें स चोर. बैंक में लगावल कैमरा के तार पहिलहीं काट दिहले रहले सँ जवना से पुलिस के जानकारी नइखे मिलत. शुक

अपराध आ हादसा के खबर भोजपुरी पट्टी से

सारण जिले के डोरीगंज इलाका के चिरांद गांव का लगे नक्सली हमला में आरा छपरा पुल बनावे के काम में लागल कंपनी के जेनरेटर रूम के उड़ा दीहल गइल. पश्चिम चंपारण के बैरिया इलाका के रेता में कई साल से फरार एगो अपराधी के गिरफ्तार कर लिहलसि पुलिस. रोहतास जिला के चेनारी इलाका के कुरमाबाद

विधवा के हाथ के बनल खाना के विरोध का बाद प्रधानाध्यापिका निलंबित

गोपालगंज के जिलाधिकारी राहुल सिंह बरौली प्रखंड के कल्याणपुर मध्य विद्यालय के प्रधानाध्यापिका पुष्पा राय के निलंबित करे के आदेश जारी क दिहले बाड़न. पुष्पा राय पर आरोप बा कि स्कूल में मिड डे मील बनावे के काम एगो विधवा के हाथ से होखे के गाँव वालन के विरोध से निपटे में ऊ उदासीन रवैया

गोपालगंज में पाला गिरला से दू जने के मौत

एह घरी गोपालगंज में जम के पाला पड़त बा आ एकरा चपेटा में आ के दू जने के मौत हो गइल बा. मरेवालन में कुचायकोट प्रखंड के चाड़ी दुर्ग गांव के एगो छात्रा के मौत बुध का दिने भइल. ऊ स्कूल जात रहुवे जब बीचे राह में पाला का चलते ओकर मौत हो गइल. दुसरका

मैरवा, गोपालपुर आ गोरियाकोठी से हत्या आ अपराध के खबर

सिवान जिला के गोरियाकोठी इलाका में एगो नवही अपना प्रेमिका के एह बात ला हत्या क दिहलसि कि उ ओकरा से शादी करे ला तइयार ना रहुवे. मैरवा इलाका के मेन बाजार में जमीन के झगड़ा में कुछ बदमाश एगो मिठाई दुकानवाला के गोली मार के हत्या क दिहले. गोपालगंज जिला के महम्मदपुर इलाका के

गोपालगंज के बसहा गाँव में नवही के हत्या

गोपालगंज जिला के बैकुंठपुर इलाका के बसहां गाँव में शुक का दिने आइल बारात में छूरेबाजी आ मारपीट का चलते एगो नवही के मौत हो गइल. बतावल जात बा कि गाँव में आइल बारात के खाना खिआवत घरी मछरी कम पड़ गइल जवना का बाद बाताबाती होखे लागल. बाताबाती मारपीट आ छूरे बाजी में बदल

गोपालगंज के उचकागाँव में ट्रैक्टर के धक्का से एगो लड़िका मरल

उचकागांव इलाका के जमसड़ी गांव में सोमार का सबेरे एगो ट्रैक्टर से लागल धक्का का बाद एगो मिडिल स्कूल छात्र के मौत हो गइल. पुलिस ट्रैक्टर के जब्त कर लिहले बिया. ट्रैक्टर गाँवे के रहुवे आ ओकर मालिक के लड़िका चलावत रहुवे. हादसा का बाद ऊ ट्रैक्टर छोड़ के परा गइल.

Older Posts›› ‹‹Newer Posts