गोरखपुर
हिंदू धर्म के ग्रंथन के जन-जन ले चहुँपावे में लागल गोरखपुर के गीता प्रेस के अध्यक्ष अउर बरीसन से ‘कल्याण’ पत्रिका के संपादक रहल राधेश्याम खेमका के निधन वाराणसी में अतवार का दिने हो गइल. 86 बरीस के खेमका जी कई दिन से बीमार रहनी. वाराणसी के केदारनाथ घाट पर अपना निवास पर उहाँ के
बांग्लादेश के यात्रा पर गइल प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी शनिचर का दिने अपना दिनचर्या के शुरुआत सतखीरा में जेसोरेश्वरी काली शक्ति पीठ में पूजा-अर्चना से कइनी. ओकरा बाद ओराकांडी जा के मटुआ संप्रदाय के पूज्य श्री श्री हरिचांद ठाकुर देव जी के मन्दिर जा के आशीर्वाद लिहनी. ओहिजा अपना संबोधन में कहनी कि ठाकुर देव जी
यूपी के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ जी सोमार का दिने गोरखपुर के बाबा राघवदास मेडिकल कॉलेज अस्पताल में कई नया निर्माण के उद्घाटन कइलें. एह में प्रदेश के पहिलका बायोसेफ्टी लैब, तीन सौ बेड के नया लेवल थ्री अस्पताल, गेस्ट हाउस, आ सौ बेड के पीजी हॉस्टल शामिल बा. पहिले के लेवल थ्री अस्पताल के क्षमता
लालू प्रसाद के राजद वाला गठबन्हन में शामिल रहल हिन्दुस्तानी आवाम मोर्चा अब राजग में आ गइल बा. बुध का दिने जीतन राम माँझी राजग में शामिल हो गइलें. सुशील मोदी उनुकर स्वागत करत कहलन कि लालू के भाव खतम हो गइल बा आ एही चलते उनुका गठबन्हन में भगदड़ मच गइल बा. पहिले ऊ
गोरखपुर के बाल चिकित्सक डॉ कफील खान के इलाहाबाद उच्च न्यायालय रिहा कर दिहलसि. अदालत के कहना बा कि अलीगढ़ मुस्लिम निश्वविद्यालत का सामने जवना भाषण का चलते कफील पर रासुका लगावल गइल ऊ भाषण त एकता आ सद्भाव फैलावे वाला रहुवे. ओह भाषण का चलते खान पर रासुका लगावल गलत रहुवे.बाद में मंगल बुध
तजिया निकाले के इजाजत देबे से मना कर दिहलसि सुप्रीम कोर्ट. यूपी के शिया नेता सैयद कल्बे जव्वाद अदालत से गोहार लगवले रहलें कि मोहर्रम पर तजिया जुलूस निकाले के इजाजत दीहल जाव जइसे कि पुरी रथयात्रा के दीहल गइल रहुवे. अदालत कहलसि कि पुरी रथ यात्रा से तजिया के तुलना ना कइल जा सके.
NEET आ JEE(Main) परीक्षा टारे खातिर हो रहल लगातार नेतागिरी का बावजूद परीक्षा अबहीं टरल नइखे. केन्द्र सरकार नइखे चाहत कि विद्यार्थियन के एक साल बरबाद हो जाव. काल्हु नीट परीक्षा में शामिल होखे जात करीब सात लाख परीक्षार्थी पहिले दिने आपन एडमिट कार्ड नेट से उतारि लिहलें. जी (मेन) परीक्षा कें करीब साढ़े सात
कांग्रेस में अध्यक्ष पद पर गाँधिए परिवार के कवनो बेकत के बनवले राखे ला परिवार सेवक जोर लगवलें. नइखन चाहत कि कांग्रेस में कवनो दोसर आदमी अध्यक्ष बन जाव. कांग्रेस के आगरा जिला अध्यक्षा के एगो स्चिंग मीडिया में सामने आइल बा जवना में पार्टी चलावे के नाम पर एगो बिजली कंपनी से खुलेआम चन्दा
दुनिया का साथही भारतो चीन से आइल कोरोना वायरस के मार से जूझ रहल बा आ सभे अपना अपना बेंवत भा कूवत भर एह काम में मदद करे में लागल बा. गोरखपुर के भाजपा सांसद आ फिल्म अभिनेता रवि किशनो बतौर सांसद मिलेवाला आपन एक महीना के तनखाह प्रधानमंत्री राहत कोष में देबे के एलान
गोरखपुर में दू दिन लागी रोजगार मेला गोरखपुर 01जून (वार्ता) उत्तर प्रदेश के गोरखपुर विश्वविद्यालय में एगो बड़हन रोजगार मेला दू दिन ला लगावल जाए वाला बा. सहायक निदेशक सेवायोजन अखण्ड प्रताप सिंह बतवलन कि क्षेत्रीय सेवायोजन कार्यालय का तरफ से 9 आ 10 जून के दू दिन के रोजगार मेला दीक्षा भवन, विश्वविद्यालय परिसर
मऊ में ट्रैक्टर ट्राली पलटला से मजदूर के मौत मऊ, 08 मई (वार्ता) मऊ जिला के मधुबन इलाका में बालू लदले एगो ट्रैक्टर ट्राली पलटला से एगो मजदूर रामपुकार गोंड (35 बरीस) के मौत हो गइल. गोरखपुर में करंट लगला से दू जने के मौत गोरखपुर, 08 मई (वार्ता) गोरखपुर जिला के गुलहरिया इलाका में
गोरखपुर, 30 अप्रैल (वार्ता). उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ इंडियन मेडिकल एसोसिएशन से आशा जतवले बाड़ें कि ऊ देश के ‘आयुष्मान भारत’ कार्यक्रम के सफल बनावे ला पूरा सहयोग करी. गोरखपुर में आईएमए के एगो कार्यक्रम में अपना संबोधन में मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ कहनी कि राज्य सरकार आ आईएमए समन्वय बनावे त आम जनता
बलिया, गोरखपुर, पटना, 30 अप्रैल. बिहार आ पूर्वांचल में काल्हु रात आइल आन्ही पानी से दर्जनो लोग के मौत हो गइल आ नाहियो त तीन दर्जन लोग के घवाहिलो होखे के खबर बा. सबले बेसी नुकसान कोसी, मिथिलांचल आ सीमांचल के इलाकन में भइल बा. कई जगहा बनौरिओ गिरे के खबर बा त कहीं ठनका
गोरखपुर, 25 अप्रैल (वार्ता). कैम्पियरगंज इलाका के महावनखार का लगे एगो बस आ ट्रक का टक्कर से बस पर सवार दू जने के मौत हो गइल आ दू दर्जन लोग घवाहिल हो गउवे. पुलिस आजु बतवलसि कि काल्हु देर राति एगो निजी बस सिध्दार्थनगर से सवारी लेके गोरखपुर आवत रहुवे जब महावनखार का लगो गोरखपुर
गोरखपुर 15 अप्रैल (वार्ता). गोरखपुर के शाहपुर इलाका में आजु भइल सड़क दुर्घटना में डा0 नन्दनी घोष (55 बरीस) के मौत हो गइल. पुलिस बतवलसि कि शाहपुर इलाका के रहे वाली डा0 नन्दनी घोष रोज का तरह आजुओ सबेरे अपना पति का साथे आरोग्य मंदिर परिसर में टहले गइल रही. ओकरा बाद लवटत घरी सड़क
गोरखपुर 13 अप्रैल (वार्ता). गोरखपुर के गुलहरिया इलाका में शुक का साँझे एगो स्कूल बस का चपेट में अइला से एगो नवही के मौत हो गइल. पुलिस सूत्र बतवले कि गुलहरिया इलाका के टिकरिया गांव के 20 बरीस के सोनू यादव सड़क किनारे खेत में घर बनाके रहत रहुवे. घर का सोझा गोरखपुर से महराजगंज
ट्रैक्टर से कचरा के चालक के मौत डेहरी आन सोन 07 अप्रैल (वार्ता). रोहतास जिला के डेहरी नगर इलाका में भइल एगो सड़क हादसा में गोपी बीघा के 30 बरीस उमिर के सत्येंद्र महतो अपने ट्रैक्टर से दबा के मर गइलें. ऊ अपने ट्रैक्टर चला के जात रहलें जब बस पड़ाव का नियरा एगो बालू
गोरखपुर 01 अप्रैल (वार्ता). गोरखपुर के बांसगांव इलाकाक्षेत्र में आजु एगो कार सड़क किनारा के पेड़ से जा टकराइल आ एह हादसा में एके परिवार के छह बेकत के जान चलि गइल आ दू जना घवाहिल हो गइलें. पुलिस बतवलसि कि मलहानपुर गांव का लगे आजु भोरे भइल हादसा कार के बेकाबू हो गइला का
देवरिया, 27 मार्च (वार्ता). गोरखपुर मण्डल में पूर्वांचल बैंक के हड़ताल का दुसरका दिने एक करोड़ रूपिया से बेसी के लेन देन पर असर पड़ल. ग्रामीण बैंक आफिसर्स एसोसिएशन के बैनर तर बैंक कर्मी तीन दिन के हड़ताल पर बाड़ें. एसोसिएशन के महामंत्री सुरेश चंद्र श्रीवास्तव ‘यूनीवार्ता’ के बतवलें कि गोरखपुर मण्डल के देवरिया, गोरखपुर,
अयोध्या में रामजन्मोत्सव के धूम अयोध्या, 25 मार्च (वार्ता). भगवान श्रीराम के जन्म स्थली अयोध्या में चैत्र रामनवमी मेला में लाखों श्रद्धालु सरयू नदी में स्नान ला डुबकी लगवलें. आ प्रमुख मंदिरन में भगवान श्रीराम के जन्मोत्सव मनवलें. कनक भवन मंदिर में जनम के विशेष कार्यक्रम आयोजित भइल. दुपहरिया ठीक बारह बजते मर्यादा पुरुषोत्तम के
Older Posts››