गोरखपुर
चारा घोटाला के एगो अउर मामिला में शनिचर का दिने फैसला रांची 16 मार्च (वार्ता). केंद्रीय जांच ब्यूरो के विशेष अदालत में पुरनका बिना बाँटल बिहार के कुख्यात अरबों रुपिया के चारा घोटाला के एगो मामिला, दुमका कोषागार से अवैध निकासी, के फैसला काल्हु शनिचर का दिने सुनावल जाई. सीबीआई के विशेष न्यायाधीश शिवपाल सिंह
लखनऊ 14 मार्च. उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के उनुके कर्मभूमि गोरखपुर में पहिला बेर मिलल शिकस्त का चलते भाजपा के एगो मजबूत किला आजु भस गइल. पांच बेर लगातार एही सीट से सांसद रहल योगी आदित्यनाथ का मुख्यमंत्रित्वकाल के पहिलके साल में अतना बड़हन हार मिलल. उनुके इस्तीफा से ई सीट खाली भइल
लखनऊ आ पटना, 11 मार्च (वार्ता) बिहार में लोकसभा के अररिया सीट आ विधानसभा के दू गो सीटन – जहानाबाद आ भभुआ – पर आ यूपी के – गोरखपुर आ फूलपुर – लोकसभा सीटन पर आजु करावल जा रहल भोटिंग सबेरे सात बजो से शुरू हो गइल बा. इलाहाबाद से खबर मिलत बा कि बूथ
गोरखपुर 10 मार्च (वार्ता) उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के प्रतिष्ठा के सवाल बन चुकल गोरखपुर संसदीय सीट आ उप मुख्यमंत्री केशव प्रसाद के फूलपुर संसदीय सीट के उपचुनावन में काल्हु कड़ेर सुरक्षा का बीच भोटिंग करावल जाई. पोलिंग करावे वाला दल अपना अपना मतदान केन्द्रन पर चहुंप गइल बाड़ी सँ. इलेक्ट्रानिक वोटिंग मशीन
गोरखपर, 07 मार्च (वार्ता). बाबा राघवदास मेडिकल कालेज में 50 से बढाके एक सौ कइल गइल एमबीबीएस सीटन के मान्यता खातिर जरुरी संसाधन देखे आ कॉलेज में चलत परीक्षा देखे खातिर मेडिकल काउंसिल आफ इंडिया के टीम आजु व्यवस्था के निरीक्षण कइलसि. एमसीआई टीम में रोहतक मेडिकल कालेज के बाल रोग विभागाध्यक्ष डा. संजीव नंदा
राज्यसभा चुनाव में जेटली के मैदान में उतार सकेले भाजपा लखनऊ 04 मार्च (वार्ता) संख्या बल का लिहाज से भारतीय जनता पार्टी खातिर बहुते खास होखे जा रहल राज्यसभा चुनाव में केन्द्रीय मंत्री अरूण जेटली के अलावा राज्य के कुछ अउरियो कद्दावर नेतन का नाम पर सोच विचार हो रहल बा. यूपी से राज्यसभा के
लखनऊ 04 मार्च (वार्ता) “कह रहीम कइसे निभी, केर-बेर के संग.” ई कहना बा यूपी के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के. उनुका से पुछाइल रहे कि यूपी में समाजवादी पार्टी (सपा) आ बहुजन समाज पार्टी (बसपा) के बढ़त नजदीकियन के ऊ कवना तरह देखत बाड़न. सुने में आवत बा कि बसपा गोरखपुर आ फूलपुर लोकसभा सीट
गोरखपुर में योगी जी लगवनी जनता दरबार गोरखपुर 03 मार्च (वार्ता). उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ शनिचर का दिने गोरखपुर में लागल जनता दरबार में करीब 150 फरियादियन के समस्या सुननीं आ ओकरा समाधान के आश्वासन दिहनी. एहसे पहिले सबेरे साढ़े पांच बजे अपना कक्ष से निकल के योगी जी सीधे गुरू गोरक्षनाथ के
नयी दिल्ली, पटना, लखनऊ, गोरखपुर, अयोध्या 02 मार्च (वार्ता) रंग अबीर आ मौज मस्ती के त्योहार फगुआ शुक का दिने पूरा देश में हँसी खुशी से मनावल गइल. बिहार में मुख्यमंत्री नीतीश कुमार कुछ दिन पहिले मुजफ्फरपुर के सड़क हादसा में भइल स्कूली बचवन के दर्दनाक मौत का गम में फगुआ ना मनवलें त राजद
राज्यपाल आ मुख्यमंत्री दिहलें डॉ. राजेंद्र प्रसाद के श्रद्धांजलि पटना 28 फरवरी (वार्ता). राज्यपाल सत्यपाल मलिक आ मुख्यमंत्री नीतीश कुमार आजु देश के पहिलका राष्ट्रपति देशरत्न डॉ. राजेंद्र प्रसाद के 55वां निर्वाण दिवस पर आपन श्रद्धांजलि अर्पित कइलें. पटना के महाप्रयाण घाट (बांस घाट) स्थित राजेन्दर बाबू के समाधि का नियरा आजु मुख्य राजकीय समारोह
अयोध्या में राम मंदिर बनावे के कोशिश सही दिशा में : श्री श्री रविशंकर वाराणसी, 27 फरवरी (वार्ता). अयोध्या में श्रीराम मंदिर-बाबरी मस्जिद विवाद आपसी बातचीत से सुलझावे में लागल श्री श्री रविशंकर आजु कहलन कि मंदिर बनावे के कोशिश सही दिशा में चल रहल बा आ आवे वाला समय में एकर बेहतर परिणाम सामने
26 फरवरी (वार्ता). लोकतंत्र बरियार करे में पत्रकारिता के निष्पक्षता जरूरी : कहलें राधामोहन केंद्रीय कृषि आ किसान कल्याण मंत्री राधामोहन सिंह आजु मौतिहारी में जर्नलिस्ट वेलफेयर सोसाइटी के पहिलका स्थापना दिवस समारोह आ राष्ट्रीय सेमिनार का उद्घाटन के बाद संबोधित करत कहलन कि भारत के पत्रकारिता के अतीत बहुते गौरवशाली रहल बा आ आजादी
(वार्ता). कर्नाटक, आ पूर्वोत्तर राज्यन में कांग्रेस के हारल तय बतवलन पीएम मोदी पुड्डुचेरी में एगो रैली के संबोधीत करत पीएम मोदी कहलन कि कर्नाटक आ पूर्वोत्तर का राज्य विधानसभा चुनावन में भारतीय जनता पार्टी के जीत तय बा आ कांग्रेस के एकमात्र सरकार पुड्डुचेरीए के रही जाई. पता ना का सोच के मौदी पंजाब
23 फरवरी (वार्ता) फूलपुर संसदीय क्षेत्र से दू जने आपन नाम वापिस ले लिहलन फूलपुर आ गोरखपुर संसदीय सीट पर 11 मार्च के होखा वाली उपचुनाव ला नाम वापसी के आखिरी दिने फूलपुर से दू गो उम्मीदवार – अपना दल के प्रेमचन्द्र आ निर्दलीय सुशीला सिंह – आपन परचा वापिस ले लीहल लोग. गोरखपुर से
लखनऊ, 21 फरवरी (वार्ता). उत्तर प्रदेश के गोरखपुर आ फूलपुर लोकसभा सीटन ला 11 मार्च के होखे जात उपचुनाव खातिर भराइल परचन में से जांच का बाद 13 गो परचा खारिज क दीहल गइल बा. राज्य निर्वाचन कार्यालय से मालूम भइल बा कि एहमें से 7 गो परचा गोरखपुर से आ 6 गो परचा फूलपुर
लखनऊ 20 फरवरी (वार्ता) उत्तर प्रदेश के गोरखपुर आ फूलपुर लोकसभा सीट ला 11 मार्च के होखे जात उपचुनाव ला मगल का आखिरी दिने कुल 32 गो उम्मीदवार आपन परचा दाखिल कइलें. निर्वाचन कार्यालय से मिलल जानकारी बा कि गोरखपुर संसदीय क्षेत्र से आजु नगेद्र प्रसाद साहनी (समाजवादी पार्टी),डा0 सुरियता करीन(कांग्रेस), उपेन्द्र शुक्ला (भाजपा),पूनम विश्वकर्मा
गोरखपुर 20 फरवरी (वार्ता). गोरखपुर लोकसभा सीट के उपचुनाव में समाजवादी पार्टी, पीस पार्टी आ निषाद पार्टी के साझा प्रत्याशी इंजीनियर प्रवीण निषाद के महतारी आ निषाद पार्टी के अध्यक्ष संजय निषाद के पत्नी मालती निषादो आपन परचा दाखिल कइले बाड़ी. आजु आखिरी दिने श्रीमती मालती निषाद निर्दल रूप से आपन परचा दाखिल कइली आ
19 फरवरी (वार्ता) गोरखपुर के बांसगांव इलाका में अपना पिता का साथे मोटरसाइकिल पर जात बिशुनपुर गांव के आठ बरीस के रेहान आ ओकर छोट भाई घवाहिल हो गइले सँ जब कौड़ीराम चोराहा का लगे सामने से आवत एगो ट्रक से धक्का लाग गइल. पिता के कवनो चोट ना आइल. जिला चिकित्सालय ले गइला पर
प्रभारी जिला पंचायत राज अधिकारी निलम्बित महाराजगंज के प्रभारी जिला पंचायत राज अधिकारी मनोज कुमार त्यागी के आपन विभागीय जिम्म्दारी ठीक से ना निबहला का चलते तत्काल प्रभाव से निलम्बित क दीहल गइल बा. गोरखपुर के सौगात मिलल मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ अपना गोरखपुर दौरा के दुसरका दिने आजु भटहट में 81 करोड़ रुपिया के पांच
प्रयागराज में होखत माघ मेला में विहिप का संत समागम में चहुँपल यूपी के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ कहनी कि मुख्यमंत्री बन गइला का बावजूद उनुका में कवनो बदलाव नइखे आइल, बस कुछ जिम्मेदारी अउर बढ़ गइल बा. संतन से योगी के आग्रह रहे कि सरकार से कुछ कहला मंगला के जरुरत नइखे काहे कि अब
Older Posts››
‹‹Newer Posts