Go to ...
RSS Feed

गोरखपुर

बिहार आ यूपी में बाढ़ के कहर से अबले 623 लोग के मौत

बिहार के समस्तीपुर, मुजफ्फरपुर आ दरभेगा समेत अउरी इलाकन में आइल बाढ़ से अबहीं ले नाहियो त 514 लोग के जान जा चुकल बा. लाखो लोग एह आफत से बेघरबार हो गइल बा. यूपी के गोरखपुर, लखीमपुर खीरी, बलिया, आजमगढ़, कुशीनगर, महाराजगंज आ सिद्धार्थनगर में आइल बाढ़ से अबहीं ले 109 लोग के जान जा

टटका खबर, मंगल, 6 जून 2017

शेर बहादुर देउबा आजु नेपाल का संसद में नेपाल के प्रधानमंत्री चुन लीहल गइल. उनुका ई सौभाग्य चउथा बेर मिलल बा. 70 बरीस के देउबा प्रधानमंत्री पद खातिर अकेला उम्मीदवार रहलन. तबो 170 वोट उनुका खिलाफ पड़ल. बाकिर उनुका पक्ष में 388 गो वोट पड़ल आ ऊ न्पाल के पीएम चुना गइलन. नेपाल के संसद

कुकर्म करे का आरोप में पीस पार्टी अध्यक्ष मोहम्मद अय्यूब गिरफ्तार

लखनऊ के मडिय़ांव थाना में दर्ज कुकर्म आ गैर इरादतन हत्या के एगो मामिला में फरार चलत पीस पार्टी अध्यक्ष आ गोरखपुर के बड़हलगंज के मशहूर सर्जन डॉ. मोहम्मद अय्यूब के आजु साँझे पुलिस गिरफ्तार करिए लिहलसि. सीओ अलीगंज विवेक त्रिपाठी बतवलन कि डॉ.अय्यूब के बयान दर्ज करावे का बहाने सीओ कार्यालय बोलावल गइल आ

टटका खबर, 25 अप्रैल 2017, मंगल

आजु यूपी कैबिननेट का मीटिंग में कई गो फैसला लीहल गइल जवना में सबले खास रहल भूमाफियन का खिलाफ टास्क फोर्स बनावे आ महापुरुषन का नाम प मिले वाली छुट्टयन के रद्द कइल. बइठक के अध्यक्षता यौगी आदित्यनाथ कइलन. बइठक का बाद राज्य के ऊर्जा मंत्री श्रीकांत शर्मा पत्रकारन के बतवलन कि भूमाफियन का खिलाफ

टटका खबर, 23 अप्रैल 2017, अतवार

गोरखपुर पुलिस राज्य के मंत्री रहल हरिशंकर तिवारी के घर प काल्हु छापा मारि के छह लोग के हिरासत में ले लिहलसि. एह लोग पर पिछला दिने खोराबार इलाका के एगो पेट्रेल पम्प पर भइल लाखों के लूट में शामिल रहे के आरोप बा. पुलिस पेट्रोल पंप के कैशियर समेत तीन जने के पहिलहीं गिरफ्तार

टटका खबर, 13 अप्रैल 2017, बियफे

देश भर मे छितराइल 10 गो विधान सभा सीटन के उपचुनाव में भाजपा बाजी मार लिहलसि. 10 गो में से पाँच गो प ओकर अमीदवार जीतलन जबकी तीन गो प कांग्रेस के, एक जगहा से झामुमो के जीत मिलल बा. जबकि पश्चिम बंगाल के एक सीट तृणमूल के मिलल बा. दिल्ली विधानसभा के राजौरी गार्डन

टटका खबर, 25 मार्च 2017, शनिचर

मुख्यमंत्री बनला का बाद आजु योगी आदित्यनाथ पहिला बेर गोरखपुर के यात्रा पर आइल बानी. पूरा गोरखपुर उनुका स्वागत में लागल बा. योगी अदित्यनाथ आजु गोरखनाथ मंदिर में रात्रि विश्राम करब आ काल्हु मंदिरे में होखे जा रहल यागीराज गंभीरनाथ के शताब्दी पुण्यतिथि समारोह में शामिल होखब. आ साँझ बेरा लखनऊ लवटि जाएब. 30 सितम्बर

टटका खबर, 17 मार्च 2017, शुक

दिन धरा गइल बा. शामियाना तनात बा. घराती बराती आपन आपन कपड़ा सइहारे में लागल बाड़ें. बस इहे नइखे मालूम कि दुलहा के रही. यूपी विधानसभा चुनाव में मिलल बड़हन जीत का बावजूद आ कि एही चलते भाजपा अबहीं ले आपन नेता नइखे चुन सकल. हमेशा का तरह मीडिया आपन कयास लगावे से चूकत नइखे

टटका खबर, 16 मार्च 2017, बियफे

बिहार विधान परिषद के चार गो सीट ला भइल चुनाव में राजग आ राजद दूनू समूह के दू दू गो सीट प जीत मिलल बा. गया स्नातक सीट से विधान परिषद के सभापति आ भाजपा उमीदवार अवधेश नारायण सिंह, गया शिक्षक सीट से राजग में शामिल राष्ट्रीय लोक समता पार्टी के संजीव श्याम सिंह, कोसी

टटका खबर, 14 मार्च 2017, मंगल

यूपी विधानसभा चुनाव का बाद नयका विधायकन के सूची राज्यपाल जी के दे दियाइल बा. मुख्य निर्वाचन पदाधिकारी टी वेंकटेश आजु मंगल के राज्यपाल से भेंट क के ई सूची सँउपलन. एकरा साथही राज्य में लागू आचार संहिता खतम हो गइल बा. भाजपा विधायक दल के नेता के चुनाव ला वैंकेया नायडू आ भुपेन्द्र यादव

बसिया खबर, 13 मार्च 2017, सोमार

हर साल कपड़ा-फाड़ होली खेले वाला लालू प्रसाद के करेजा अबकी यूपी विधानसभा चुनाव अइसन फाड़ दिहलसि कि सादा होली खेललन आजु फगुआ का दिने. सोचले रहलन कि बिहारे के तरह यूपीओ में मोदी के हरा दीहि टीपू आ पप्पू के जोड़ी, बाकिर जनता अइसन हाल बना दिहलसि कि फगुआ खेले के मने ना भइल.

टटका खबर, 4 मार्च 2017, शनिचर

(राति 11-30 बजे के अपडेट) वाराणसी में आज सबेरे पीएम मोदी आपन रोड शो कइलन आ ओकरा थाड़ही देर बाद अखिलेश-राहुल-डिम्पल के रोड शो निकलल. दूनू शो में गजब के भीड़ देखे के मिलल. पीएम मोदी बाबा विश्वनाथ के दरबार में हाजिरी लगवलन त अखिलेश आ राहुलो बाबा के पूजा करे चहुँप गइलें. अलग बात

टटका खबर, 28 फरवरी 2017, मंगल

भारत रत्न आ आजाद हिन्दुस्तान के पहिलका राष्ट्रपति डॉ. राजेन्द्र प्रसाद के 54वीं पुण्यतिथि के अवसर पर आजु उनुका के सरधा से याद कइल गइल आ देश में कई जगहा कार्यक्रम में उनुका के श्रद्धांजलि दीहल गइल. पटना के बांसघाट प राजकीय समारोह में बिहार के राज्यपाल रामनाथ कोविंद आ मुख्यमंत्री समेत अनेके खासमखास लोग

टटका खबर, 20 फरवरी 2017, सोमार

पडरौना आइल श्रीरामजन्म भूमि न्यास के अध्यक्ष महंत नृत्यगोपाल दास जी आजु कहनी कि विधानसभा चुनाव का बाद राम मंदिर बनवावे खाति धर्माचार्य लोग प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी से बतियावे दिल्ली जाई. बिहार विधानपरिषद के चार सीट प 9 मार्च का दिने होखे जात चुनाव ला परचा दाखिल करे के आजु आखिरी दिन रहुवे. मंगल का

टटका खबर, 19 फरवरी 2017, अतवार

भोजपुरी सिनेमा के सुपरस्टार रविकिशन शुक्ला आजु दिल्ली में भाजपा के राष्ट्रीय अध्यक्ष अमित शाह के मौजूदगी में भाजपा में शामिल हो गइलन. याज करीं कि पिछला बेर रविकिशन जौनपुर लोकसभा सीट से कांग्रेस का टिकट प किस्मत अजमवले रहन. दिल्ली में भाजपा अध्यक्ष बनावल जा चुकल मनोज तिवारी से इनकर कम्पीटिसन भोजपुरी सिनेमा उद्योग

टटका खबर, 17 फरवरी 2017, शुक

(शनिचर सबेरे 10 बजे के अपडेट) घन कुहा आ खराब मौसम का चलते पूर्वोत्तर रेलवे के गाडी संख्या 15204 लखनऊ जं.-बरौनी एक्सप्रेस 24 फरवरी आ 3 मार्च के, अउर गाडी संख्या 15205 लखनऊ जं.-जबलपुर एक्सप्रेस 22 फरवरी आ 1 मार्च का दिने ना चलावल जइहें स. सोनभद्र जिला के शक्तिनगर इलाके में पीडब्लूडी मोड़ का

टटका खबर, 15 फरवरी 2017, बुध

सिवान के बाहुबली नेता आ सिवान से राजद सांसद रहल शहाबुद्दीन के सिवान जेल से हटा के तिहाड़ जेल भेजे के आदेश सुप्रीम कोर्ट दे दिहलसि आ इहो कहलस कि उनुका प चलत सगरी मामिला के सुनवाई वीडियो कान्प्फ्रेंसिंग से करावल जाव. एह फैसला के स्वागत करत भाजपा के बड़ नेता आ केन्द्रीय मंत्री रहल

टटका खबर, 12 फरवरी 2017, अतवार

जम्‍मू कश्‍मीर में आजु भोरे कुलगाम जिला में सुरक्षाबल आ लश्‍कर-ए-तैयबा के आतंकवादियन का बीचे भइल मुठभेड़ में चार गो आतंकवादी मारल गइलें. सेना के दू गो जवानो शहीद हो गइलें. गोलीबारी में तीन गो अफरो सैनिक घाहिलो बाड़ें. बस्ती जिला के कोतवाली इलाका से गैरकानूनी असलहा बनावे वाले अड्डा के भंडाफोड़ करत पुलिस बावरिया

टटका खबर, 8 फरवरी 2017, बुध

तेरह मार्च से रउरा अपना खाता से जतना जरुरत होखे ओतना रुपिया निकाल सकब. अबहीं ई सीमा 24 हजार के बा. 20 फरवरी से एकर सीमा बढ़ा के पचास हजार क दीहल जाई जवन 13 मार्च से एकदमे खतम हो जाई. राजद अध्यक्ष लालू प्रसाद यादव अपना दामाद राहुल यादव के समर्थन में बुध का

बसिया खबर, 6 फरवरी 2017, सोमार

(परोसे के रहली टटका बाकि समय ना मिलला का चलते बासी हो गइल बा सोमार के खबर. बाकि अरुआइल नइखे. पढ़ि के देखीं. वइसहूं भोजपुरियन के फुरसत कहाँ बा भोजपुरी साइत प आवे के. तबो पकावल परोसत रहीलें कि आजु ना त काल्हु अइबे करी सभे.) बिहार के मुख्यमंत्री आ जदयू के राष्ट्रीय अध्यक्ष नीतीश

Older Posts›› ‹‹Newer Posts