चंदौली
चंदौली 11 अप्रैल (वार्ता). जीआरपी बुध का दिने मुगलसराय टीसन पर चेकिंग करत में एगो आदमी का लगे से सात किलो सोना बरामद क के ओकरा के गिरफ्तार कर लिहलसि. एह सोना के दाम करीब सवा दू करोड़ लगावल गइल बा. जीआरपी प्रभारी निरीक्षक आर के सिंह बतवलन कि मुगलसराय टीसन पर चेकिंग करत में
गोरखपुर में योगी जी लगवनी जनता दरबार गोरखपुर 03 मार्च (वार्ता). उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ शनिचर का दिने गोरखपुर में लागल जनता दरबार में करीब 150 फरियादियन के समस्या सुननीं आ ओकरा समाधान के आश्वासन दिहनी. एहसे पहिले सबेरे साढ़े पांच बजे अपना कक्ष से निकल के योगी जी सीधे गुरू गोरक्षनाथ के
प्रभारी जिला पंचायत राज अधिकारी निलम्बित महाराजगंज के प्रभारी जिला पंचायत राज अधिकारी मनोज कुमार त्यागी के आपन विभागीय जिम्म्दारी ठीक से ना निबहला का चलते तत्काल प्रभाव से निलम्बित क दीहल गइल बा. गोरखपुर के सौगात मिलल मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ अपना गोरखपुर दौरा के दुसरका दिने आजु भटहट में 81 करोड़ रुपिया के पांच
मशहूर हिन्दी साहित्यकार प्रो0 दूधनाथ सिंह के निधन 82 बरीस का उमिर में बियफे का देर रात इलाहाबाद के एगो अस्पताल में हो गइल. प्रो0 दूधनाथ सिंह पिछला दू बरीस से प्रोस्टेट कैंसर से पीड़ित रहलीं. बलिया के सोबंथा गांव में 17 अक्टूबर 1936 के जनमल प्रो0 दूधनाथ पिंह के बलिया के पढ़ाई का बाद
शेर बहादुर देउबा आजु नेपाल का संसद में नेपाल के प्रधानमंत्री चुन लीहल गइल. उनुका ई सौभाग्य चउथा बेर मिलल बा. 70 बरीस के देउबा प्रधानमंत्री पद खातिर अकेला उम्मीदवार रहलन. तबो 170 वोट उनुका खिलाफ पड़ल. बाकिर उनुका पक्ष में 388 गो वोट पड़ल आ ऊ न्पाल के पीएम चुना गइलन. नेपाल के संसद
अपना दुधारी बैलिस्टिक मिसाइल प्रणाली के शानदार प्रदर्शन करत भारत आजु अपना बैलिस्टिक काट के सफल परीक्षण क देखवलसि. सबेरे 10 बजे ओडिशा के बालासोर में चान्दीपुर रेंज से छोड़ल पृथ्वी मिसाइल के राडार प संकेत मिलला का पन्द्रह मिनट बाद ओडिशे के अब्दुल कलाम द्वीप से इन्टरसेप्टर मिसाइल छोड़ल गइल जवन आपन अचूक निशाना
21 फरवरी का दिने माई भासा दिवस का मौका प भोजपुरी के संवैधानिक मान्यता दिआवे ला भोजपुरी जन-जागरण अभियान का बैनर तरे जंतर मंतर पर धरना दीहल लोग. साहित्य अकादमिओ दू दिन चले वाला मातृभाषा संरछन दिवस मनवलसि. एह मौका प राज्यसभा सांसद अनवर अली कहलन कि जब बहुते कम कम लोगन के भासा के
यूपी में चाचा भतीजा के रार अबहीं ले थमल नइखे आ चुनाव बाद एकरा एक बेर फेरु फफके के अनेसा बन गइल बा. आजु जसवंतनगर विधानसभा सीट से सपा प्रत्याशी के रूप में आपन नामांकन दाखिल कइला का बाद ओहिजा बोलावल सभा में शिवपाल ऐलान कइलन कि 11 मार्च का बाद ऊ नेता जी संगे
अखिलेश के राहुल से साथ से खिसियाइल मुलायम सिंह आजु एलान क दिहलन कि ऊ एह गठबन्हन ला प्रचार ना करीहन. कहलन कि एकर कवनो जरुरत ना रहल आ सपा अकेले सरकार बनावे लायक जीत हासिल क लीत अब पाँच बरीस के मौका गँवा दिहलन अखिलेश. उनुका इहो शिकायत बा कि कई लोग के टिकट
चंदौली-वाराणसी सीमा के पड़ाव पर जयगुरुदेव के विहंगम शोभा यात्रा में आज मचल भगदड से २० जने के जान चल गइल आ सैकडन लोग घाहिल हो गइल। गुरुदेव के भक्त लोग डोमरी में समागम ला जाट रहुवे जब राजघाट पुल से उतरत घरी मचल भगदड़ में लोग एने ओने भागे लागल आ एह दौरान नाहियो
बलिया सिकन्दरपुर रोड पर बोड़िया गांव का लगे एगो स्कूल बस आ आल्टो के टक्कर में पाँच जने घवाहिल हो गइलें. आल्टो पर कैथवली गाँव के एगो परिवार सवार रहुवे. चंदौली के सैयदराजा इलाका के नौबतपुर गांव का लगे काल्हु शुक का सबेरे रेल लाइन पार करत घरी एगो लड़िका के मौत ट्रेन से कटा
सोमार का सबेरे गाजीपुर जिला जेल के डिप्टी जेलर संगे एगो कैदी मारापिटी कइलसि जवना का बाद चहुंपल बड़का अधिकारी मामिला शांत करवलें. कैदी अपना गलती खातिर माफी मांग लिहलसि. जौनपुर जिला में इलाहाबाद जौनपुर रोड पर पुरउपुर नहर का नियरा सोमार का दिने एगो डंपर से कचरा के मोटरसाइकिल से जात दूगो नवहियन के
चंदौली जिला के राजदरी आ देवदरी वाटर फाॅल के अउरी सुन्दर आ पर्यटन जोग बनावे खातिर केन्द्र सरकार अढ़ाई करोड़ रुपिया खरच करे के मंजूरी दिहले बिया. एहीजा गेस्ट हाउस आ संपर्क मार्ग पहिले से बा आ ओकर जीर्णोद्धार कइला का साथही अउरीओ काम करावल जाई जेहसे एह इलाका में पर्यटन के बढ़ावा मिलो. केन्द्र
काल्हु शनिचर का दिने यूपी के पंचायत चुनाव के पहिला दौर में 221 प्रखंडन में मतदान करावल गइल. छिटपुट मारपीट आ हिंसा के माहौल में 75 फीसदी मतदान होखे के खबर बा. करीब एक दर्जन जिलन में हिंसा होखे के खबर बा. आगरा आ एटा जिला में एह हिंसा में एक एक आदमी आ मैनपुरी
यूपी सरकार राज्य के पचास गो जिला के सूखाग्रस्त घोषित कइले बिया जवना में बलिया, गाजीपुर, जौनपुर, मऊ, मिर्जपाुर, भदोही, चंदौली आ सोनभद्र के नाम शामिल बा. सूखाग्रस्त घोषित भइला का बाद अब एह जिलन में राजस्व वसूली रोक दीहल गइल बा. राजस्व विभाग के प्रस्ताव के काल्हु कैबिनेट से मंजूरी मिल गइल.
चंदौली जिला के बढ़वलडीह गाँव का लगे रेल लाईन पर बुध का भोर में एगो नवही आ नवहिन के कटाइल लाश मिलल. लाश का लगही बैग में कपड़ा रहुवे बाकिर कवनो अइसन सामान ना रहुवे जवना से एह दुनू के पहचान साबित हो सके. पुलिस के लागत बा कि दुनू प्रेमी रहलें आ मिल के
हाजीपुर से गाजीपुर जाए वाली नेशनल हाईवे के चार लेन के बनावे के काम शुरु होखे वाला बा. आजुकाल्हु एह सड़क पर चले वाली गाड़ियन के सर्वे हो रहल बा. हालांकि रिविलगंज में एकर का उपाय निकालल जाई इहो देखे जोग होखी काहे कि ओह इलाका में सँसरे के जगह ना मिल पावे पातर रास्ता
सत्ता में आवे खातिर लालू यादव जहरो पी लीहें. काल्हु सोमार का दिने दिल्ली में उनुका मौजूदगी में मुलायम सिंह यादव नीतीश कुमार के बिहार विधानसभा चुनाव में मुख्यमंत्री पद के उम्मीदवार बनावे के एलान क दिहलें. एह पर लालू के कहना रहुवे कि बिहार में भाजपा के रोके आ जनता परिवार के सरकार बनावे
(शुक, 3 अप्रैल के खबर) फैबइण्डिया कंपनी के गोवा के पणजी के पास कैंडोलिम में शो रूम में कपड़ा खरीदे चहुँपल केन्द्रीय मंत्री ट्रायल रुम में कपड़ा नापे गइली त देखली कि एगो कैमरा लुका के लगावल गइल बा. तुरते पुलिस में शिकायत करावल गइल आ पुलिस चहुँप के कैमरा के रिकार्डिंग जब्त करत दुकान
(सोमार, 16 मार्च के खबर) इलाहाबाद जिला न्यायालय में दरोगा से अझुरइला का चलते भइल वकील के हत्या का खिलाफ देश भर के वकील विरोध दिवस मनवले सोमार का दिने आ बिहार यूपी के अदालतन में कतहीं कवनो काम ना हो पावल. एह लोग के शिकायत बा कि गोली मारे वाला दरोगा के हीरो काहे
Older Posts››