चंपारण
यूपी के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ जी सोमार का दिने गोरखपुर के बाबा राघवदास मेडिकल कॉलेज अस्पताल में कई नया निर्माण के उद्घाटन कइलें. एह में प्रदेश के पहिलका बायोसेफ्टी लैब, तीन सौ बेड के नया लेवल थ्री अस्पताल, गेस्ट हाउस, आ सौ बेड के पीजी हॉस्टल शामिल बा. पहिले के लेवल थ्री अस्पताल के क्षमता
बिहार विधानसभा चुनाव के घोषणा से पहिलहीं छरपा-छरपी के दौर चालू हो गइल बा. एह दौरान विरोधियन के नाथे के कोशिश त होखते बा अपना संघतियनो के जगहा देखावे के कोशिश हो रहल बा. नीतीश आ पासवान में कबो पटल ना बाकिर एह घरी भाजपा नीत राजग में दुनू गोल शामिल बा. एकरा बावजूद एक
बिहार विधान सभा चुनाव ला चुनाव अभियान के शुरुआत जदयू के राष्ट्रीय अध्यक्ष आ बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार सोमार का दिने ऑनलाइल रैली क के करीहें. एकर जानकारी देत जदयू के आधिकारिक बोलतुआ रंजन प्रसाद यादव देत बजवलें कि जगहे जगह एकर प्रसारण कइल जाई जहाँ बिटोराइल लोग उनुकर भाषण सुनीहें. प्रदेश महासचिव शम्भूनाथ
पिछला 10 अगस्त के भइल ऑपरेशन का बाद बिगड़त गइल तबियत का चलते वेंटिलेटर पर राखल राष्ट्रपति रहल प्रणव मुखर्जी जी के सोमार का दिने निधन हो गइल. उनुका शोक में देश के सम्मान देखावत 6 सितम्बर ले सात दिन के राजकीय शोक के घोषणा कइल गइल बा. प्रणव दा के समर्थक हर गोल में
अतवार का दिने अपना मन का बाति कार्यक्रम में प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी देश के उद्यमियन से खिलौना बाजार में दुनिया भर में भारत के पैठ बनावे के आवाहन कइलन आ देशवासियन से कहलन कि देशी खिलौनन ला आपन आवाज बुलन्द करसु. भारत आ रूस दुनू के फिडे ऑनलाइन शतरंज ओलम्पियाड में अतवार का दिने संयुक्त
तजिया निकाले के इजाजत देबे से मना कर दिहलसि सुप्रीम कोर्ट. यूपी के शिया नेता सैयद कल्बे जव्वाद अदालत से गोहार लगवले रहलें कि मोहर्रम पर तजिया जुलूस निकाले के इजाजत दीहल जाव जइसे कि पुरी रथयात्रा के दीहल गइल रहुवे. अदालत कहलसि कि पुरी रथ यात्रा से तजिया के तुलना ना कइल जा सके.
NEET आ JEE(Main) परीक्षा टारे खातिर हो रहल लगातार नेतागिरी का बावजूद परीक्षा अबहीं टरल नइखे. केन्द्र सरकार नइखे चाहत कि विद्यार्थियन के एक साल बरबाद हो जाव. काल्हु नीट परीक्षा में शामिल होखे जात करीब सात लाख परीक्षार्थी पहिले दिने आपन एडमिट कार्ड नेट से उतारि लिहलें. जी (मेन) परीक्षा कें करीब साढ़े सात
अदालत के अपमान करे के दोसी मानल गइल वकील प्रशान्त भूषण के सजा देबे के फैसला सुप्रीम कोर्ट में सुरक्षित राख दीहल गइल. वकीलन के एकजुट राय रहुवे कि प्रशान्त के कवनो सजा ना दीहल जाव. प्रशान्त अपना बयान ला माफी मांगे के तइयार नइखन आ अदालत के बुझात नइखे कि छोड़ल जाव त का
सात घंटा ले चलल नौटंकी का बाद सोनिया गाँधी तय क लिहली कि ऊ आपन इस्तीफा ना सकरीहें आ तब ले कांग्रेस के अध्यक्ष बनल रहीहें जब ले कांग्रेस आपन नया अध्यक्ष नइखे चुन लेत. बाकिर इहो साफ हो गइल कि अब सोनिया गाँधी में अतना बेंवत नइखे रहि गइल कि कि ऊ पूरा पार्टी
कांग्रेस में अध्यक्ष पद पर गाँधिए परिवार के कवनो बेकत के बनवले राखे ला परिवार सेवक जोर लगवलें. नइखन चाहत कि कांग्रेस में कवनो दोसर आदमी अध्यक्ष बन जाव. कांग्रेस के आगरा जिला अध्यक्षा के एगो स्चिंग मीडिया में सामने आइल बा जवना में पार्टी चलावे के नाम पर एगो बिजली कंपनी से खुलेआम चन्दा
माई के प्रताप से एहिजा अंग्रेजनो के माथ नवावे पड़ल रहुवे देवरिया, 22 मार्च (वार्ता). देवरिया जिला मुख्यालय से करीब सात किलोमीटर दूर अहिल्वार गांव में अहिलवार देवी के प्रताप का आगे अंग्रेजनो के आपन फैसला बदलत माई के प्रताप का आगे माझ नवावे के पड़ल रहुवे. जानकार बतावेलें कि करीब 110 साल पहिले बनारस
(वार्ता). कर्नाटक, आ पूर्वोत्तर राज्यन में कांग्रेस के हारल तय बतवलन पीएम मोदी पुड्डुचेरी में एगो रैली के संबोधीत करत पीएम मोदी कहलन कि कर्नाटक आ पूर्वोत्तर का राज्य विधानसभा चुनावन में भारतीय जनता पार्टी के जीत तय बा आ कांग्रेस के एकमात्र सरकार पुड्डुचेरीए के रही जाई. पता ना का सोच के मौदी पंजाब
रक्सौल 22 फरवरी (वार्ता) पूर्वी चंपारण जिला के रक्सौल पुलिस अंतरप्रांतीय मोबइाल चोर गिरोह के भंडाफोड करत ओहनी का लगे से कुल 27 लाख रुपिया मूल्य के मोबाइल फोन बरामद कइलसि आ दू गो चोरन के गिरफ्तार क लिहलसि. पुलिस उपाधीक्षक राकेश कुमार बतवलन कि एह साल 28 जनवरी के उत्तराखंड में हरिद्वार के ज्वालापुर
राष्ट्रीय जनता दल के बोलतुआ रहल डॉ अशोक सिन्हा मंगल का दिने लालू प्रसाद यादव के बेटा आ नेता विपक्ष के काम करे का तरीका पर नाराजगी जतावत पार्टी से इस्तीफा दे दिहलन आ कहलन कि तेजस्वी जइसन नौसिखिउन का नीचे काम कइल राजद के बड़का नेता लोग के मंजूर नइखे. बॉलीवुड के सुपर स्टार
प्रभारी जिला पंचायत राज अधिकारी निलम्बित महाराजगंज के प्रभारी जिला पंचायत राज अधिकारी मनोज कुमार त्यागी के आपन विभागीय जिम्म्दारी ठीक से ना निबहला का चलते तत्काल प्रभाव से निलम्बित क दीहल गइल बा. गोरखपुर के सौगात मिलल मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ अपना गोरखपुर दौरा के दुसरका दिने आजु भटहट में 81 करोड़ रुपिया के पांच
पहिला बेर मनल उत्तर प्रदेश स्थापना दिवस उप राष्ट्रपति वेंकैया नायडू आजु लखनऊ में उत्तर प्रदेश स्थापना दिवस आ एह मौका पर आयोजित लखनऊ महोत्सवो के उद्घाटन कइलन. एह मौका पर मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ प्रदेशवासियन के करोड़ों रुपिया के कई गो परियोजनन के एलान करत कहलन कि ई यूपी खातिर गौरव के दिन बा. जाने
मध्यप्रदेश का इंदौर शहर के कनाड़िया इलाका के बिचौली मर्दाना बाईपास पर शुक का दिने एगो नामी प्राईवेट स्कूल के बस के जोरदार टक्कर सामने से आवत एगो च्रक से हो गइल. एह हादसा में पाँच गो विद्यार्थियन आ ड्राइवर के मौत हो गइल आ दर्जनो घवाहिल हो गइलें. प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी शुक का दिने
मेघालय में अगिला साल विधानसभा के भोट होखे वाला बा आ एकरा से कुछ महीना पहिलहीं कांग्रेस के पाँच गो विधायकल समेत आठ गो विधायक भाजपा के अगुअई वाला राजग शामिल हो गइलें. एह गोलबदलू जमात में उप मुख्यमंत्री रावेल लिंगदोहो शामिल बाड़न. हालांकि एह पाला बदल का बादो अबहीं मेघालय सरकार का लगे बहुमत
भारत के कहना बा कि पाकिस्तान कुलभूषण जाधव के परिवार का साथे आपसी सहमति का खिलाफ काम कइले बा. विदेश मंत्रालय के बोलतुआ रवीश कुमार कहलन कि जाधव के महतारी आ मेहरारु के मंगलसूत्र, चूड़ी आ बिन्दी ले भेंट करे से पहिले उतरवा लीहल गइल. आ कई बेर कहला का बादो जाधव के मेहरारु के
भारतीय अंतरिक्ष अनुसंधान संगठन – इसरो – आजु अंतरिक्ष के क्षेत्र में एगो बड़हन उपलब्धि हासिल करत आपन आजु तकले के सबले भारी आ शक्तिशाली रॉकेट जीएसएलवी मार्क-3 से भारतीय संचार उपग्रह जीसैट-19 के सफल प्रक्षेपण आंध्र प्रदेश के श्रीहरिकोटा से कइलसि. एकरा पहिले भारी उपग्रहन के छोड़े खातिर विदेश के सहायता लेबे के पड़त
Older Posts››