Go to ...
RSS Feed

चंपारण

टटका खबर, 12 फरवरी 2017, अतवार

जम्‍मू कश्‍मीर में आजु भोरे कुलगाम जिला में सुरक्षाबल आ लश्‍कर-ए-तैयबा के आतंकवादियन का बीचे भइल मुठभेड़ में चार गो आतंकवादी मारल गइलें. सेना के दू गो जवानो शहीद हो गइलें. गोलीबारी में तीन गो अफरो सैनिक घाहिलो बाड़ें. बस्ती जिला के कोतवाली इलाका से गैरकानूनी असलहा बनावे वाले अड्डा के भंडाफोड़ करत पुलिस बावरिया

टटका खबर, 7 फरवरी 2017, मंगल

चारा घोटाला में सजा पा चुकल आ राजद गोल के अध्यक्ष लालू प्रसाद यादव यूपी विधानसभा चुनाव में काल्हु से अपना दामाद के प्रचार क के समाजवादी गोल ला प्रचार करे के शुरुआत करीहें. जान जाईं जे बिहार में लालू के गोल का साथे सरकार चलावा वाला नीतीश कुमार एह चुनाव में कवनो गोल के

टटका खबर, 5 फरवरी 2017, अतवार

जयललिता के विवादित रहल सहेली शशिकला के आजु अन्ना द्रमुक विधायक दल के नेता चुन लीहल गइल. उनुका नाम के प्रस्ताव पार्टी विधायकन के बइठक में तमिलनाडु के मुख्यमंत्री ओ पनीरसेल्वम कइलन जवना के सगरी लोग एकमत से मान लीहल. पनीरसेल्वम मुख्यमंत्री पद से इस्तीफो दे दिहलन. अब शशिकला तमिलनाडु के नयका मुख्यमंत्री बन जइहें.

टटका खबर, 4 फरवरी 2017, शनिचर

यूपी विधानसभा चुनाव ला प्रचार करत पीएम मोदी आजु मेरठ में कहलन कि भाजपा के सरकार बनल त गन्ना किसानन के सगरी बकाया 14 दिन का भितरे चुका दीहल जाई. कहलन कि समाजवादी गोल का चलते राज्य पिछड़त बा. मऊ के कोपागंज इलाका में आजु डाढ़ी चट्टी का नियरा एगो टेम्पो ए जीप के टक्कर

टटका खबर, 2 फरवरी 2017, बियफे

पंजाब आ गोआ में विधानसभा चुनाव ला प्रचार के काम आजु बियफे के साँझे खतम हो गइल. एह दूनू राज्यन में परसों 4 फरवरी के वोट डालल जाई. गोपालगंज जिला के दशम अपर मुख्य न्यायिक दंडाधिकारी के अदालत 18 बरीस पुरान हत्या के मामिला के सुनवाई करत केस डायरी पेश ना भइला से पुलिस अधीक्षक

टटका खबर, 28 जनवरी 2017

बिहार में फेरु भइल शिक्षा घोटाला. पर साल बिहार के बदनाम बोर्ड घोटाला का तरहे एगो नया घोटाला शिक्षा का क्षेत्र में भइल सामने आइल बा. बिहार विश्वविद्यालय में भइल एहू घोटाला के केन्द्र में वइसने रसूख वाला मौदूद बा जवना चलते ओकरा प केहू हाथ डाले के हिम्मत नइखे करत. ललन सिंह के नाम

टटका खबर, 27 जनवरी 2017

काल्हु आइल ओपिनियन पोल में बतावल गइल बा कि उत्तर प्रदेश, पंजाब, गोवा, उत्तराखण्ड, अउर मणिपुर में होखे वाला विधानसभा चुनाव में पंजाब छोड़ हर राज्य में भाजपा सबले आगा रही. उत्तर प्रदेश, पंजाब, अउर गोवा में त्रिशंकु परिणाम आई जबकि उत्तराखंड में भाजपा के बहुमत मिल जाई. कश्मीर के गुरेज सेक्टर में बुध का

टटका खबर, सोमार, 28 नवम्बर 2016

वित्त मंत्री अरुण जेटली आजु लोक सभा में आयकर कराधान कानून (दुसरका बदलाव) विधेयक, 2016 पेश कइलन। एह विधेयक में अघोषित आमदनी पर कुल मिलाके 50 प्रतिशत टैक्स आ सरचार्ज लगावे के प्रस्ताव बा। एह 50 फीसदी का उपर से 25 फीसदी अउर प्रधानमंत्री गरीब कल्याण जमा योजना-2016 में जमा करावे के पड़ी जवना प

भोजपुरी पट्टी से अपराध आ हादसा के खबर

भदोही जिला में गोपीगंज इलाका के सेमराध मोड़ पर एगो टेम्पो आ ट्रैक्टर के टकरइला से टेम्पो में सवार माई-बेटी के ठावें पर मौत हो गइल. भोजपुर जिला के गजराजगंज में काँवरियन के कोइलवर से ब्रह्मपुर ले जात में एगो बस पलट गइल जवना चलते नाहियो त एक दर्जन लोग घवाहिल हो गइलें. गोपालगंज के

छपरा न्यूज, 20 फरवरी 2016

कैमूर जिला में शिक्षक नियोजन से जुड़ल 28 गो नियोजन इकाई 15 फरवरी ले नियोजन फोल्जर जमा नइखी करइले सँ. एह से अब एहनी प केस दर्ज करावे के फैसला लीहल गइल बा. पश्चिम चम्पारण जिला के लोकरिया इलाका के गोवहरिहा गांव का लगे एगो बस पलटला का चलते एसएसबी के 20 गो जवान घवाहिल

अपराध आ हादसा

पश्चिम चंपारण के कुछ जगहा छापा मार के एसएसबी पांच किलो चरस आ सत्रह किलो गांजा का साथे दू गो तस्करन के गिरफ्तार कइले बिया. पूर्वी चंपारण जिला के पताही इलाका के सराठा गांव में नक्सली एगो पूर्व सैनिक किसान का घर प पर्चा साट के पचास हजार रूपिया के लेवी मंगले बाड़े सँ. जौनपुर

भोजपुरी पट्टी आ बिहार से हादसा आ अपराधन के खबर

भदोही जिला के औराई इलाका में नेशनल हाईवे पर दुपहिया से जात दू गो भाई कार के चपेटा में पड़ के मर गइलें. कारो पलट गइल आ ओकर ड्राइवरो घवाहिल हो गइल. जौनपुर जिला के बदलापुर इलाका के सरोखनपुर गांव का नियरा दुपहिया से जात महतारी बेटा रोडवेज बस के चपेटा में मर गइलें. तिसरको

कानून के राज के नीतिशिया दावा का बावजूद लूटराज

बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के दावा बा कि बिहार में कानून के राज कायम राखल जाई पर जमीनी हकीकत कुछ अउरे बा. काल्हु बिहार में दू जगहा से बीस लाख रूपिया लूट लीहल गइल. पश्चिम चंपारण के धनहा इलाका में सहवा मधुबनी मेन रोड प स्टेट बैंक का मधुबन शाखा ला कैश ले के

अपराध के खबर

पूर्वी चंपारण जिला के मोतिहारी से जिला शिक्षा पदाधिकारी कार्यालय में काम करत क्लर्क संजीव कुमार आ चपरासी आलोक कुमार के घूस लेत ध लिहलसि निगरानी विभाग. दुनू जने एगो नियोजित शिक्षक के तनखाह जारी करे ला घूस मंगले रहले. क्लर्क का लगे से बीस हजार आ चपरासी का लगे से दस हजार रुपिया मिलल.

अपराध आ हादसा के खबर भोजपुरी पट्टी से

सारण जिले के डोरीगंज इलाका के चिरांद गांव का लगे नक्सली हमला में आरा छपरा पुल बनावे के काम में लागल कंपनी के जेनरेटर रूम के उड़ा दीहल गइल. पश्चिम चंपारण के बैरिया इलाका के रेता में कई साल से फरार एगो अपराधी के गिरफ्तार कर लिहलसि पुलिस. रोहतास जिला के चेनारी इलाका के कुरमाबाद

भोजपुरी पट्टी के खबर (शनिचर, 4 अप्रैल 2015)

(शुक, 3 अप्रैल के खबर) फैबइण्डिया कंपनी के गोवा के पणजी के पास कैंडोलिम में शो रूम में कपड़ा खरीदे चहुँपल केन्द्रीय मंत्री ट्रायल रुम में कपड़ा नापे गइली त देखली कि एगो कैमरा लुका के लगावल गइल बा. तुरते पुलिस में शिकायत करावल गइल आ पुलिस चहुँप के कैमरा के रिकार्डिंग जब्त करत दुकान

भोजपुरी पट्टी के खबर (मंगल, 17 मार्च 2015)

(सोमार, 16 मार्च के खबर) इलाहाबाद जिला न्यायालय में दरोगा से अझुरइला का चलते भइल वकील के हत्या का खिलाफ देश भर के वकील विरोध दिवस मनवले सोमार का दिने आ बिहार यूपी के अदालतन में कतहीं कवनो काम ना हो पावल. एह लोग के शिकायत बा कि गोली मारे वाला दरोगा के हीरो काहे

भोजपुरी पट्टी के खबर (सोमार, 16 मार्च 2015)

(अतवार, 15 मार्च के खबर) सोमार से वाराणसी सिटी से गाजीपुर सिटी का बीच एगो नया डीएमयू चलावल जाई जवन नौ बजे सिटी से खुल के साढ़े एगारह बजे गाजीपुर चहुँपी आ ओहिजा से वापसी में तीन बजे गाजीपुर से खुली साँझ सवा पाँच बजे सिटी टीसन चहुँपी. सोमारे से छपरा मंड़ुआडीह डीएमयू के बंद

भोजपुरी पट्टी के खबर (अतवार, 15 मार्च 2015)

(शनिचर, 14 मार्च के खबर) गाजीपुर जिला के शादियाबाद इलाका के करीमुल्लाहपुर गाँव में एगो औरत अपना तीन गो बेटन के फाँसी पर लटकवला का बाद अपनहूँ फाँसी पर लटक के जान दे दिहलसि. हालांकि ओकरा नइहर के लोग ओकरा मरद आ ससुर पर हत्या करे के आरोप लगावत मुकदमा लिखववले बाड़े. बलिया जिला के

भोजपुरी पट्टी के खबर (शनिचर, 14 मार्च 2015)

(शुक, 13 मार्च के खबर) बुध का रात बक्सर में भइल सड़क हादसा का बाद भइल बवाल खातिर चार गो मुकदमा दर्ज कइले बिया पुलिस आ डेढ़ हजार लोग का खिलाफ एफआईआर लिखले बिया. एहमें 45 लोग के नामजद आरोपी बनावल गइल बा. रोहतास जिला के काराकाट इलाका के धवनी गांव में बियफे का रात

Older Posts›› ‹‹Newer Posts