web analytics

अपराध के खबर बिहार के भोजपुरी इलाका से

पूर्वी चंपारण जिला के चकिया इलाका से पुलिस एगो अपराधी राम सिंह के गिरफ्तार कइले बिया. ई कुख्यात मनोज सिंह गिरोह के सदस्य बतावल जात बा. स्टेट बैंक के चकिया शाखा में आठ लाख रूपिया गबन करे का मामिला में बैंक के उप प्रबंधक अखिलेश्वर पांडेयआ एकाउटेंट संजय कुमार समेत तीन गो कर्मचारियन का खिलाफ … Read more

Loading

घर भसला से वार्ड सदस्य के महतारी के मौत

चकिया के मानसी छपरा गांव में एगो मकान भसला से पैंसठ साल के एगो बूढिया के मौत हो गइल. घर भुवन छपरा पंचायत के वार्ड सदस्य सुदिष्ट राम के रहल आ मरेवाली उनुकर महतारी रहली.

Loading

चकिया में पेट्रोल पंप मालिक से तीन लाख रुपिया के लूट

सोमार का दिने पंप के रुपिया बैंक में जमा करावे जात चकिया पेट्रोल पंप के मालिक राशिद जमाल के एगो मोटरसाइकिल पर आइल तीन गो हथियारबंद अपराधी ओझा टोला का लगे उनुका से करीब तीन लाख रुपिया छीन लिहलें आ मधुबन ओर भाग परइले.

Loading

चकिया में खड़ा ट्रक से मैजिक गाड़ी लड़ल, छह जने के मौत

पूर्वी चंपारण के चकिया इलाका में एगो पेट्रोल पंप पर खड़ा ट्रक से मुजफ्फरपुर से आवत एगो मैजिक सवारी गाड़ी टकरा गइल जवना चलते छह जने के मौत हो गइल आ दर्जनो लोग घवाहिल हो के मुजफ्फरपुर के एसके मेडिकल कालेज अस्पताल में भरती करवावल गइल बाड़ें. पाँच जने के हालत गंभीर बा.

Loading

चकिया में सड़क दुर्घटना में पाँच लोग के मौत

पूर्वी चम्पारण के चकिया थाना इलाका में मंगल का दिने एगो जीप पैदल जात एगो औरत आ ओकरा चार गो बेटा बेटियन के कचार दिहलसि. घटना राष्ट्रीय राजमार्ग 28 पर टोल प्लाजा के लगे भइल. दुर्घटना का बाद राजकली देवी, ओकर बेटी राधिका आ रूबी, अउर बेटा राहुल आ विकास के ओहिजे मौत हो गइल. … Read more

Loading