web analytics

ट्रैक्टर का धक्का से छात्रा के मौत का बाद भइल अगजनी आ बवाल

चन्दौली 20 अप्रैल (वार्ता). चंदौली के सकलडिहा इलाका में एगो ट्रैक्टर से धक्का लगला का चलते भइल पॉलिटेक्निक के छात्रा के मौत का बाद खिसियाइल छात्र छात्रा जम के बवाल मचवले आ ओह ट्रैक्टर में आ एगो पुलिस गाड़ी के आग का हवाले कर दिहलें. पुलिस सूत्र बतवलें कि सकलडीहा-चन्दौली रोड पर काल्हु सँझिया राजकीय … Read more

 44 total views,  2 views today

फिजिक्स के परचा लीक करे वाला गिरोह धराइल

चन्दौली, 20 फरवरी (वार्ता) चन्दौली में बोर्ड परीक्षा में इंटरमीडिएट के भौतिक विज्ञान के प्रश्न पत्र आउट करावे वाला गिरोह के तीन गो गुर्गन के पुलिस गिरफ्तार क लिहलसि. ज़िलाधिकारी हेमंत कुमार आ पुलिस अधीक्षक संतोष कुमार सिंह आजु पत्रकारन के बतवलें कि 15 आ 17 फरवरी का दिने जिला में यूपी बोर्ड के इंटरमीडिएट … Read more

 151 total views

गोरखपुर, मिर्जापुर, गाजीपुर, चन्दौली में सड़क हादसन में कई एक मौत

19 फरवरी (वार्ता) गोरखपुर के बांसगांव इलाका में अपना पिता का साथे मोटरसाइकिल पर जात बिशुनपुर गांव के आठ बरीस के रेहान आ ओकर छोट भाई घवाहिल हो गइले सँ जब कौड़ीराम चोराहा का लगे सामने से आवत एगो ट्रक से धक्का लाग गइल. पिता के कवनो चोट ना आइल. जिला चिकित्सालय ले गइला पर … Read more

 231 total views

दिल्ली से आआपा के विदाई के तइयारी आ 26 अप्रैल 2017, बुध के अउरीओ खबर

साल 2015 में दिल्ली विधानसभा के चुनाव बहुते बड़हन मार्जिन से जीतला का बाद अरविन्द केजरीवाल के गलतफहमी हो गइल कि अब देश में उनुका जोड़ के कवनो दोसर नेता नइखे आ लगलन एह राज्य से कूद के ओह राज्य ले आपन गोड़ जमावे के कोशिश करे. हर जगह से हारत गइला का बादो एह … Read more

 72 total views

टटका खबर, 15 मार्च 2017, बुध

बसपा अपना सीनियर नेता लालजी वर्मा के विधानसभा में अपना गोल के नयका नेता बहात क दिहलसि. ओने सपा में अबहीं ले नेता नइखन चुनाइल. हद त ई बा कि गोवा आ मणिपुर में दुसरका जगहा आइल भाजपा आनन फानन में आपन नेतो चुन लिहलसि आ सरकारो बना लिहलसि जबकि शानदार बहुमत मिलल यूपी आ … Read more

 81 total views

टटका खबर, 7 मार्च 2017, मंगल

आजु सबेरे दस बजे का लगभीर मध्यप्रदेश में उज्जैन ओरि जात भोपाल-उज्जैन पैसेंजर ट्रेन के एगो डिब्बा में कालापीपल इलाका के जबड़ी टीसन का नियरा आतंकी बम धमाका से चार जना घवाहिल हो गइलें. एह धमाका के जाँच में पाँच आदमी प सन्देह उपजल जवना में से तीन जने के मध्यप्रदेश के पिपरिया में एगो … Read more

 69 total views,  1 views today

टटका खबर, 28 फरवरी 2017, मंगल

भारत रत्न आ आजाद हिन्दुस्तान के पहिलका राष्ट्रपति डॉ. राजेन्द्र प्रसाद के 54वीं पुण्यतिथि के अवसर पर आजु उनुका के सरधा से याद कइल गइल आ देश में कई जगहा कार्यक्रम में उनुका के श्रद्धांजलि दीहल गइल. पटना के बांसघाट प राजकीय समारोह में बिहार के राज्यपाल रामनाथ कोविंद आ मुख्यमंत्री समेत अनेके खासमखास लोग … Read more

 78 total views

चन्दौली में मेडिकल काॅलेज

वाराणसी के अगल बगल के इलाका के लोग के बढ़िया इलाज मुहैया करावे ला यूपी सरकार चंदौली में सरकारी मेडिकल काॅलेज खोले के फैसला लिहले बिया. एही महीना में एकर नींवो डाल दीहन मुख्यमंत्री अखिलेश यादव. एह मेडिकल काॅलेज में 150 सीट पर एमबीबीएस कोर्स के दाखिला मिले के बात बतावल जात बा. मोदी सरकार … Read more

 185 total views