web analytics

देश के विरोधी गोल अब गिरोह बना के लड़ीहें

बंगाल में ममता आ तमिलनाडु में स्टालिन के जितवावे के श्रेय लेबे वाला प्रशांत किशोर का इशारा पर नाचे ला तइयार देश के विरोधी गोलन के चुनिंदा लोगन के एगो बइठक आजु मंगल का दिने दिल्ली में बोलावल गइल बा.एह बइठक के बोलावा भाजपा से निकल के तृणमूलिया बन गइल यशवंत सिन्हा के राष्ट्र मंच … Read more

 97 total views

टटका खबर, अतवार, चईत अँजोरिया षष्ठी, 2078 विक्रमी

ना चाहतो बतावहीं के बा कि देश में कोरोना के पसार में आईल तेजी थथमे के नाम नइखे लेत. काल्हु शनीचर का दिने देश में कोरोना के 2 लाख 34 हजार 692 नया मरीज मिलला का साथही छूताह हो गइल लोगन के गिनिती 1 करोड़ 45 लाख 26 हजार 609 हो गइल. तोस के बाति … Read more

 95 total views,  1 views today

भल मुअनी भल पिलुआ पड़ल

खबर आइल बा कि चारा चोर लालू के बड़का बेटा तेज प्रताप यादव जे बहुरुपिया का तरह तरह-तरह के स्वांग रचत रहेला अपना मेहरारु से तलाक लेबे खातिर अदातल में अर्जी लगा दिहले बा. अबहीं पाँच महीना पहिलहीं एह लोग के बिआह भइल रहुवे. तेजू के मेहरारुओ बिहार के मुख्यमंत्री रहल स्व. दारोगा प्रसाद यादव … Read more

 174 total views

टटका खबर पर बियफे 11 जनवरी 2018 के कुछ खास खबर

वाराणसी में बियफे का दिने देश के प्रधानमंत्री रहल लाल बहादुर शास्त्री के पुण्यतिथि पर अनेके कार्यक्रम आयोजित कइल गइल. एगो समारोह उनुका पैतृक निवास रामनगर में आयोजित भइल. राज्यपाल राम नाईक आ मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ लखनऊ के लाल बहादुर शास्त्री भवन में आयोजित समारोह में शामिल भइनी आ आपन पुष्पांजलि अर्पित कइनी. योगी जी … Read more

 113 total views

टटका खबर, सोमार 25 दिसम्बर 2017 राति

पाकिस्तान का जेल में बंद कुलभूषण से उनुकर महतारी आ मेहरारु के भेंट त करवा दिहलसि पाकिस्तान बाकिर आपन कमीनापंथी देखावे से बाज ना आइल. एह मुलाकात के मुलाकात ना कहि के वीडियो कॉन्फेरेंसिंग कहल अधिका सही रही. काहें कि एह भेंट का दौरान शीशा के देवाल रहुवे ओह लोग का बीच में आ इन्टरकॉम … Read more

 113 total views

तेजप्रताप पर नज़र टेढ़ कइलसि सुप्रीम कोर्ट

सिवान के पत्रकार राजदेव के हत्या आरोपी बंटी कैफ पिछला दिने बिहार के चारा चोर का नाम से जानल जाये वाला आ जमानत पर बाहर आइल लालू प्रसाद के बड़का बेटा तेजप्रताप यादव का साथे सोशल मीडिया पर खूब उछलल रहल। एही बात के नोटिस लेत सुप्रीम कोर्ट तेजप्रताप के नोटिस जारी कइले बिया। शहाबुद्दीन … Read more

 179 total views

चारा चोर अब बिहार का बाहर चरे निकली

पता चलल बा कि बिहार के चारा चोर के पेट बिहारे में चरला से भरे वाला नइखे। अब ओकर दू गो बेटवनो के चरे खातिर जगहा चाही। इहे सोच के चारा चोर तय क इले बा कि बिहार चरे के काम ओकर बेटा करीहें सं आ ऊ बिहार के बाहर के चंवर चरी। एकरा पीछे … Read more

 280 total views