Go to ...
RSS Feed

चुनाव

अगिला संघ प्रमुख कवनो राष्ट्रवादी मुसलमान हो सकेला

(टटका खबर, शुक, आषाढ़ अमावस, 2078 विक्रमी) जबसे संघ प्रमुख मोहन भागवत के ऊ बयान आइल बा कि देश के हिन्दू आ मुसलमान के डीएनए एके बा तबसे हिन्दू सकपकाइल बाड़ें आ मुसलमानन में उछाह देखे के मिल रहल बा. हिन्दुवन के लागत बा कि ओह लोग के घटत आबादी आ मुसलमानन के बढ़त आबादी

कपटी, कामचोर, भठियारा, मुनाफाखोरन के अरमान पर पानी पड़ल

टटका खबर, मंगल, जेठ अन्हरिया त्रयोदशी, 2078 विक्रमी कपटी, कामचोर, भठियारा, मुनाफाखोरन के अरमान पर पानी फेरत केन्द्र सरकार एलान कर दिहलसि कि अब देश के 18 बरीस से उपर के सगरी नागरिकन के केन्द्र का खरचा पर कोरोना वैक्सिन लगावल जाई. कोरोना वैक्सिन बनावे वाली कंपनियन के 75 प्रतिशत उत्पाद केन्द्र सरकार खरीद ली

टटका खबर, सोमार, वैशाख अन्हरिया सप्तमी, 2078 विक्रमी

देश अब संतोष कर सकेला कि चुनावन का बाद टूलकिट गिरोह कुछ दिन ले आराम करी. जइसन सफलता ऊ चहले रहुवे ओकरा के हासिल कर लिहलसि. अब देश में आक्सीजन के कमी, अस्पतालन में बेड के कमी, कोरोना के कहर, दवा खातिर गिड़गिड़ात लोगन के सोशल मीडिया पर लागल गोहार, शमशानन आ कब्रिस्तानन में मुर्दन

टटका खबर, सोमार, चतुर्दशी, चईत अँजोरिया, 2078 विक्रमी

काल्हु अपना मन का बात कार्यक्रम में प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी कहलन कि कोरोना के पहिलका लहर के हरवला का बाद हौसला से भरल देश दुसरको लहर के तूफान से पार पा ली. कहलन कि कोरोना के दुसरका लहर हमनी के धीरज आजमावत बा. कहलन कि लोग अफवाहन पर ध्यान ना दे के एकरा से निपटे

टटका खबर, मंगल, चईत अँजोरिया अष्टमी, 2078 विक्रमी

बिहार के उप मुख्यमंत्री रहल आ अबहीं भाजपा के राज्यसभा सांसद सुशील कुमार मोदी राजद नेता शिवानंद तिवारी पर तंज कसत कहले बाड़न कि जवन आदमी लालू के जेल भिजवावे के काम कइलसि ऊ एह घरी अपना पुत्र मोह में लालू चालीसा पढे लागल बा. कहलन कि अगर शिवानन्द में समाजवाद ले के ईमानदारी रहीत

टटका खबर, शुक, चईत अँजोरिया चतुर्थी, 2078 विक्रमी

चुनाव के चार डेग चल चुकला आ पाँचवा उठे जा रहल डेग का बादो तृणमूल कांग्रेस खेला होबे के उमेद नइखे छोड़ले. जइसे एगो हैदराबादी मुस्लिम नेता के बयान आइल रहुवे कि पन्द्रह मिनट ला पुलिस हटा लीहल जाव त ऊ हिन्दुवन के सफाया करवा दीहें. कुछ वइसने गलतफहमी पलले ममता बनर्जी सोचत बाड़ी कि

टटका खबर, शनिचर, 27 मार्च 2021

बांग्लादेश के यात्रा पर गइल प्रधानमंत्री नरेन्‍द्र मोदी कहनी कि भारत आ बांग्‍लादेश दुनु का सोझा व्‍यापार-वाणिज्‍य के एके जइसन अवसर बा. दुनु देश आतंकवादो के खतरा झेलत बा. बांग्‍लादेश के आजादी के स्‍वर्ण जयंती पर ओहिजा के छात्रन ला छात्रवृत्ति के घोषणा कइनी प्रधानमंत्री आ ओहिजा के 50 गो उद्यमियन के भारत में स्‍टार्ट-अप

बिहार का साथही देशभर के उपचुनाव में केसरिया लहर

बिहार में भाजपा गठबन्हन के जीत आ पूरा देश में भइल उपचुनाव में भाजपा के मिलल शानदार सफलता का खबर का बीच शेयर बाजार के बड़हन आ ऐतिहासिक उछाल के खबर दबा गइल. काल्हु देश के शेयर बाजार एगो नया इतिहास बनावत अबले के सबले ऊँच निशाना लगा दिहलसि. बीएसई सेंसेक्स पहिला बेत 43277 अंक

तातल धीकल टटका खबर, शनिचर, 7 नवम्बर 2020

अब बिहारो में महाराष्ट्र राज आवे के संकेत मिल गइल बा. एक्जिट पोल में करीब करीब हर चैनल पर राग तेजस्वी सुने के मिलत बा. एगो अकेला चैनल सुदर्शन टीवी बावे जवन अबहियों कहत बा कि बिहार में राजग के सरकार फेर बने जा रहल बा. अब सही खबर त दस तारीख का पहिले मिले

मानसून सत्र का पहिलके दिने ठनका गिरी का ?

आजु से संसद के मानसून सत्र शुरु होखे जा रहल बा आ पहिलके दिन राज्यसभा में उपसभापति पद खातिर वोट डलिहें राज्यसभा सांसद. राज्यसभा में सत्तारुढ़ गठबन्हन का लगे कम सांसद बाड़ें बाकिर ओकर फ्लोर मैनेजर बीजू जनता दल, वाईएसआर कांग्रेस, आ तेलंगाना राष्ट्र समिति के सांसदन के वोट हासिल करे में सफल हो जइहें

सरयू राय अब बिहारो राजनीति में फच्चर फँसइहें

झारखंड में भाजपा के हरवावे वाला सरयू राय अब बिहारो का राजनीति में फच्चर फँसइहें. बिहार के भोजपुर के मूल निवासी आ अब जमशेदपुर में डेरा जमवले सरयू राय के गोल भारतीय जनता मोर्चा बिहारो चुनाव में आपन प्रत्याशी उतारी. भाजमो के केंद्रीय अध्यक्ष धर्मेंद्र तिवारी शुक का दिने अपना गोल के पहिलका उमीदवार के

टटका खबर, अतवार 6 सितम्बर 2020 के

बिहार विधानसभा चुनाव के घोषणा से पहिलहीं छरपा-छरपी के दौर चालू हो गइल बा. एह दौरान विरोधियन के नाथे के कोशिश त होखते बा अपना संघतियनो के जगहा देखावे के कोशिश हो रहल बा. नीतीश आ पासवान में कबो पटल ना बाकिर एह घरी भाजपा नीत राजग में दुनू गोल शामिल बा. एकरा बावजूद एक

शेयर मार्केट में बिकवाली के दौर नउवों दिने जारी

पिछला आठ सत्र से बिकवाली के दौर झेलत देश के शेयर बाजार सोमारो का दिने जारी रहल. बाजार बन्द होखे का बारे जोरदार गिरावट देखे के मिलल आ सेंसेक्स 372 अंक का गिरावट का साथे 37091 पर आ निफ्टी 131 अंक के गिरावट का साथ 11148 पर बन्द भइल. जानकारन के कहना बा कि चुनावी

राज्यसभा उपसभापति पद ला हरि के मुकाबला हरि से

नयी दिल्ली 08 अगस्त. आखिरकार विपक्ष राज्यसभा उपसभापति पद ला आपन उमीदवार एकमत से नाहिए चुन सकल आ आखिर में कांग्रेस के एगो पुरान नेता बी के हरिप्रसाद एह पद ला आपन परचा दाखिल करा दीहलन. अब उनुके के विपक्ष के साझा उम्मीदवार बतावल जा रहल बा. हरिप्रसाद के सीधा मुकाबला अब राजग के साझा

राज्यसभा के उप सभापति ला चुनाव नौ अगस्त के

नयी दिल्ली 06 अगस्त (वार्ता). राज्यसभा के उप सभापति के चुनाव एही हप्ता नौ अगस्त, बियफे का दिने करावल जाई. एह पद खातिर बुध ले परचा दाखिल हो सकी. एह बाति के एलान आजु सदन के सभापति एम. वेंकैया नायडु राज्यसभा में इस कइलन आ कहलन कि सदन के उप सभापति के चुनाव नौ अगस्त

बिहार विधान परिषद के चुनाव करावे के जरुरत ना पड़ी

पटना 15 अप्रैल (वार्ता). बिहार विधान परिषद के 11 सीटन ला होखे वाला चुनाव में अबहीं ले एगारहे गो उमीदवार मैदान में ताल ठोकले बाड़े जवना से लागत बा कि सभे के निर्विरोध चुनाव हो जाई. राजद का तरफ से चार जने पहिलहीं परचा दाखिल करा चुकल बाड़ें. आजु भाजपा का तरफ से तीन गो

विधान परिषद चुनाव खातिर भाजपा उमीदवारन के नाम घोषित

नयी दिल्ली, 15 अप्रैल (वार्ता). भारतीय जनता पार्टी (भाजपा) उत्तर प्रदेश अउर बिहार के विधान परिषद चुनाव खातिर अपना उमीदवारन के नाम आजु घोषित क दिहलसि. भाजपा का ओर से जारी विज्ञप्ति में एह उमीदवारन में बिहार के उपमुख्यमंत्री सुशील कुमार मोदी, आ मंत्री मंगल पांडेय अउर उत्तर प्रदेश सरकार में मंत्री महेंद्र सिंह आ

चुनावी होलिका में फेरू फुए जरली

उप्र से राज्यसभा ला भाजपा के नवो आ सपा के जया विजयी लखनऊ 23 मार्च, उत्तर प्रदेश से राज्यसभा के दस सीटन ला भइल चुनाव में भाजपा आपन नवो उमीदवारन के जीता ले गइल आ मायावती के उमीदवार हार गइलें. दसवाँ सीट ला मायावती के बसपा के उमीदवार भीमराव अम्बेदकर सपा, कांग्रेस, आ रालोद के

राज्यसभा के 58 सीटन पर 23 मार्च के चुनाव करावल जाई

नयी दिल्ली 23 फरवरी (वार्ता) दू दू बरीस पर होखे वाला राज्यसभा के चुनावन में 58 सीटन ला चुनाव 23 मार्च के करावल जाई. केरल से खाली भइल एगो सीटो के उप चुनाव संगही करावल जाई. शुक का दिने चुनाव आयोग के विज्ञप्ति जारी हो गइल. एहमें बतावल गइल बा कि 16 राज्यन से राज्यसभा

साल 2024 से पहिले संभव नइखे

पीएम मोदी के सपना कि देश में सगरी चुनाव एके साथे करा लीहल जाव, अबहीं पूरा होखे वाला नइखे. देश के मुख्य चनाव आयुक्त रहि चुकल टीएस कृषणमीर्ति के कहना बा कि कतनो कोशिश क लीहल जव बाकिर लोकसभा का साथे देश के हर विधानसभा के चुनाव साल 2024 का पहिले संभव नइखे.

Older Posts››