Go to ...
RSS Feed

चुनाव

टटका खबर, 8 मार्च 2017, बुध

यूपी विधानसभा चुनाव के सतवां आ आखिरी दौर के चुनावो शान्ति का साथे पूरा हो गइल. पिछलका दौरन का मुकाबले एह दौर में सबले बेसी वोटिंग भइल. कुल्ह मिला के साठ फीसदी वोटर अपना वोटिंग अधिकार के इस्तेमाल कइले. पाँचो राज्यन के चुनाव पूरा होखे में यूपी के अलापुर आ उत्तराखंड के कर्णप्रयाग सीत प

टटका खबर, 27 फरवरी 2017, सोमार

सपा से फेंका के बसपा के आँचर के छाँह लिहले बाहुबली मुस्लिम नेता मुख्तार अंसारी के पैरोल प रिहाई के आदेश के आजु दिल्ली उच्च न्यायालय रद्द क दिहलसि आ अब उनुका जेल का भितरे से चुनाव लड़े के पड़ी. मुख्तार अंसारी के मिलल पैरोल का खिलाफ चुनाव आयोग दिल्ली उच्च न्यायालय में गोहार लगवले

टटका खबर, 22 फरवरी 2017, बुध

21 फरवरी का दिने माई भासा दिवस का मौका प भोजपुरी के संवैधानिक मान्यता दिआवे ला भोजपुरी जन-जागरण अभियान का बैनर तरे जंतर मंतर पर धरना दीहल लोग. साहित्य अकादमिओ दू दिन चले वाला मातृभाषा संरछन दिवस मनवलसि. एह मौका प राज्यसभा सांसद अनवर अली कहलन कि जब बहुते कम कम लोगन के भासा के

टटका खबर, 20 फरवरी 2017, सोमार

पडरौना आइल श्रीरामजन्म भूमि न्यास के अध्यक्ष महंत नृत्यगोपाल दास जी आजु कहनी कि विधानसभा चुनाव का बाद राम मंदिर बनवावे खाति धर्माचार्य लोग प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी से बतियावे दिल्ली जाई. बिहार विधानपरिषद के चार सीट प 9 मार्च का दिने होखे जात चुनाव ला परचा दाखिल करे के आजु आखिरी दिन रहुवे. मंगल का

टटका खबर, 17 फरवरी 2017, शुक

(शनिचर सबेरे 10 बजे के अपडेट) घन कुहा आ खराब मौसम का चलते पूर्वोत्तर रेलवे के गाडी संख्या 15204 लखनऊ जं.-बरौनी एक्सप्रेस 24 फरवरी आ 3 मार्च के, अउर गाडी संख्या 15205 लखनऊ जं.-जबलपुर एक्सप्रेस 22 फरवरी आ 1 मार्च का दिने ना चलावल जइहें स. सोनभद्र जिला के शक्तिनगर इलाके में पीडब्लूडी मोड़ का

टटका खबर, 16 फरवरी 2017, बियफे

तमिलनाडु में शशिकला के चुनल नेता इके पलानीसामी के मुख्‍यमंत्री पद के किरिया धरा दीहल गइल. उनुका साथे 30 गो मंत्रियनो के किरिया घरावल गइल. पलानीसामी शनिचर का दिने आपन बहुमत साबित करा के देखइहें. ओने स्वर्गीय जयललिता के बनावल मुख्यमंत्री पन्‍नीरसेल्‍वम के कहना बा कि ऊ कवनो ना कवनो तरह पलानीसामी के पलानी उजाड़िये

टटका खबर, 15 फरवरी 2017, बुध

सिवान के बाहुबली नेता आ सिवान से राजद सांसद रहल शहाबुद्दीन के सिवान जेल से हटा के तिहाड़ जेल भेजे के आदेश सुप्रीम कोर्ट दे दिहलसि आ इहो कहलस कि उनुका प चलत सगरी मामिला के सुनवाई वीडियो कान्प्फ्रेंसिंग से करावल जाव. एह फैसला के स्वागत करत भाजपा के बड़ नेता आ केन्द्रीय मंत्री रहल

टटका खबर, 14 फरवरी 2017, मंगल

बिहार बोर्ड का इंटर परीक्षा आजु मंगल का दिन से शुरु भइल आ पहिलके दिने च्र दर्जन से अधिका नकलचियन के निष्कासित करे पड़ गइल. दरभंगा साइंस कॉलेज के प्राचार्य के अधीक्षक पद से हटा दीहल गइल. पटना हाई कोर्ट से रिटायर हो चुकल न्यायाधीश श्याम किशोर शर्मा के बिहार लोकायुक्त के अध्यक्ष बनावल गइल

टटका खबर, 13 फरवरी 2017, सोमार

बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार साफ क दिहलन कि नोटबंदी प प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के फैसला के दीहल उनुकर समर्थन अबहियों जारी बा आ ओकरा वापसी के बात कइल बेकार बा. कहलन कि अब बेनामी संपति का खिलाफ कार्रवाई होखल चाहीं. यूपी विधानसभा चुनाव के आखिरी दौर के चुनाव ला परचा दाखिला के तिसरका दिने

टटका खबर, 12 फरवरी 2017, अतवार

जम्‍मू कश्‍मीर में आजु भोरे कुलगाम जिला में सुरक्षाबल आ लश्‍कर-ए-तैयबा के आतंकवादियन का बीचे भइल मुठभेड़ में चार गो आतंकवादी मारल गइलें. सेना के दू गो जवानो शहीद हो गइलें. गोलीबारी में तीन गो अफरो सैनिक घाहिलो बाड़ें. बस्ती जिला के कोतवाली इलाका से गैरकानूनी असलहा बनावे वाले अड्डा के भंडाफोड़ करत पुलिस बावरिया

टटका खबर, 11 फरवरी 2017, शनिचर

सोशल मीडिया पर प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के आपत्तिजनक फोटो पोस्ट करे वाला मोबाइल दूकानदार के गाजीपुर पुलिस गिरफ्तार क के जेल भेज दिहलसि. कासिमाबाद में मोबाइल के दुकान चलावे वाला सोनबरसा गांव के बरक्कत राईनी अपना मोबाइल से सोशल मीडिया पर प्रधानमंत्री के आपत्तिजनक तस्वीर पोस्ट कइले रहल. एकरा खिलाफ संघ के ब्रजभूषण सिंह आ

कोई लाख करे चतुराई, करम के लेख मिटे ना रे भाई

काल्हु भइल यूपी विधान परिषद का चुनाव में बेंग एने से ओने कुदलें स जरुर बाकिर आखिर में उहे भइल जवन होखे के रहे. भाजपा दोसरा दल के विधायकन के तूड़े में सफल त जरुरे रहल बाकिर ओकरो कुछ विधायक पलटी मार दिहलें. परिणाम इहे रहल कि ओकरा 8 गो वोट के फायदा होखला का

यूपी विधान परिषद के चुनाव में सपा के जलवा कायम रहल

आजु यूपी विधान परिषद के स्थानीय निकाय वाला 28 गो सीटन पर पड़ल वोट गिनला का बाद 23 गो पर सपा के जीत भइल बा. भाजपा के एको सीट नइखे मिलल बाकिर सबले अधिका लड़ाई ओकरे से लउकत बा. 8 गो पर सपा पहिलहीं निर्विरोध जीतल रहे. इलाहाबाद सीट से वासुदेव यादव (सपा), आजमगढ़ से

यूपी विधान परिषद चुनाव ला परचा दाखिला जारी

यूपी विधान परिषद के निकाय खण्ड से चुनाए वाला 36 गो सीट से चुनाए बदे परचा दाखिला क काम आजुओ जारी रहल. 15 फरवरी ले ई काम हो सकी आ दाखिल परचन के जाँचे के काम 16 फरवरी का के कइल जाई. 18 फरवरी ले नाम वापिस लीहल जा सकी. 3 मार्च के वोटिंग होखी

खबर भोजपुरी में (मंगल, 23 दिसंबर 2014)

झारखण्ड आ जम्मू-कश्मीर विधानसभा चुनाव के वोट गिनती के रुझान बतावत बा कि झारखण्ड में त भाजपा के सरकार बन जाई बाकिर जम्मू-कश्मीर में त्रिशंकु वाला हाल हो जाई. चउतरफा लड़ाई में भाजपा आ पीडीपी आगे पीछे होत रहत बाड़े बाकिर नेशनल कांफ्रेंस आ कांग्रेस के वइसन हार नइखे मिलत जइसन एक्जिट पोल में बतावल

राज्यसभा के 55 गो सीट ला 7 फरवरी के वोट पड़ी

नयी दिल्ली।3 जनवरी (वार्ता) सोलह गो राज्यन से आवेवाला राज्यसभा के 55गो सीटन ला दुबरीसा चुनाव 07 फरवरी के करावल जाई. एहमे महाराष्ट्र से 07 गो, उडीसा से 04 गो, तमिलनाडु से 06 गो, पश्चिम बंगाल से 05 गो, असम से तीन गो, बिहार से 05 गो, छत्तीसगढ से दू गो, गुजरात से 04 गो,

लोकसभा चुनाव रणनीति के खुलासा कइले राहुल

नयी दिल्ली. 10 जनवरी (वार्ता आ दोसरो माध्यम) कांग्रेस उपाध्यक्ष राहुल गांधी लोकसभा चुनाव ला उम्मीदवार चुने के बारे में नया तरीका अपनावे के बात करत कहले कि उम्मीदवारन के एलान बहुते पहिले क दीहल जाई. एह खातिर बनावल पार्टी के छानबीन समिति के अध्यक्षन संगे बइठक करे से पहिले राहुल गाँधी बतवले कि अबकी

बंगलादेश के प्रधानमंत्री प फेरू से चुनाव करावे के दबाव

ढाका 07 जनवरी (वार्ता) बंगलादेश के चुनाव का बाद अब प्रधानमंत्री शेख हसीना प अमेरिका समेत अउरिओ देशन के दबाव बने लागल बा कि बंगला देश में फेरु से चुनाव करावल जाव जवना में सगरी मुख्य पार्टियन के भागीदारी रहे. बाकि शेख हसीना एहसे साफ इन्कार क दिहले बाड़ी आ कहले बाड़ी कि विपक्ष के

भाजपा में घुसे खातिर दलबदलुअन के दौड

लखनऊ 05 जनवरी (वार्ता) लोकसभा चुनाव नजदीक आवत देख दलबदलू नेता अपना ला नया आ सुरक्षित ठिकान खोजल शुरु क दिहले बाड़े. एही चलते भाजपा के पीएम उम्मीदवार नरेन्द्र मोदी के यूपी में सफल रैली देखि देखि के एह तरफ अधिका नेतवन के रुझान बन गइल बा. एह दलबदलू नेतवन में कुछ दागिओ नेता बाड़े

विधान सभा चुनाव २०१३ के खास खास खबर

वसुन्धरा राजे अपना जीत खातिर नरेन्द्र मोदी के धन्यवाद दिहली. शिवराज सिंह अपना जीत खातिर नरेन्द्र मोदी के नाम ना लिहले. छतीसगढ़ में भाजपा फेरू बहुमत में आइल. विजय कुमार मल्होत्रा के बेटा हार गइले. एएपी के मनीष सिसोदिया चुनाव जीतले. दिल्ली विढ़ानसभा अध्यक्ष योगानंद शास्त्री चुनाव हरलें. उनका के साहिब सिंह वर्मा के बेटा

Older Posts›› ‹‹Newer Posts