Go to ...
RSS Feed

चुनाव

आजु सोमार के ईवीएम मे बंद हो जाई मध्यप्रदेश के फैसला

भोपाल 24 नवंबर (वार्ता) मध्यप्रदेश में विधानसभा चुनाव खातिर वोट डलवावे के सगरी काम पूरा क लीहल गइल बा. सोमार का दिने चौकस सुरक्षा का बीच सबेरे साते बजे से वोट पड़ल शुरू हो जाई आ साँझ पाँच बजे ले चली. एह चुनाव में अढ़ाई हजार से अधिका उम्मीदवारन के भाग्य के फैसला हो जाई.

नेपाल के चुनाव में नेपाली कांग्रेस के बढ़त बरकरार

काठमांडू 23 नवंबर (वार्ता) नेपाल के संविधानसभा खातिर भइल चुनाव के वोट गिनाइल चालू बा. अबही ले 98 गो सीट जीत चुकल नेपाली कांग्रेस सबले आगे बिया, दुसरका जगहा प 88 सीट जीते वाली नेपाल कम्युनिस्ट पार्टी .ए.मा.ले. बिया आ तिसरका जगहा प एकीकृत नेपाल कम्युनिस्ट पार्टी माओवादी बिया जवना के अबले 24 गो सीट

नेपाल में संविधान सभा के चुनाव ला वोटिंग चालू

नेपाल में संविधान सभा के चुनाव खातिर नेपाल के सवा करोड़ मतदाता आजु अपना वोट के इस्तेमाल करीहें. आजु मंगल 19 नवंबर से वोटिंग के शुरूआत हो गइल बा. एह वोटिंग में देश के कुल 122 गो राजनीतिक गोल आपन उम्मीदवार संविधान सभा के 601 गो सीटन ला खड़ा कइले बाड़े. जीतल प्रतिनिधि देश के

राजनीति छोड सकीले तमीज ना, कहलन हर्षवर्धन

नयी दिल्ली।3 नवंबर (वार्ता) दिल्ली ला भाजपा के मुख्यमंत्री पद के उम्मीदवार हर्षावर्धन दिल्ली के मुख्यमंत्री शीला दीक्षित के भद्र आ सौम्य महिला बतावत कहलन कि उ शीला के सम्मान करेलें आ अगर केहू कहे कि राजनीति करे ला उ आपन तमीज छोड देस त ई उनका मंजूर नइखे. हर्षवर्धन इ बात तब कहलन जब

भाजपा के मुकाबला कांग्रेस से बा एएपी कतहीं नइखे एह बीच, कहले हर्षवर्धन

नयी दिल्ली. 13 नवम्बर (वार्ता) भाजपा के दिल्ली मे मुख्यमंत्री पद के उम्मीदवार हर्षवर्धन कहले बाड़न कि विधानसभा चुनाव मे भाजपा के मुकाबला कांग्रेस से बा आ एएपी के कवनो असर नइखे. डा. हर्षवर्धन “काफी एट यूएनआई” कार्यक्रम मे कहले कि दिल्ली मे हमेशा से चुनावी मुकाबला भाजपा आ कांग्रेस का बीचे रहल बा आ

राजस्थान विधानसभा चुनाव ला करीब तीन हजार परचा दाखिल

जयपुर 12 नवम्बर (वार्ता) चुनाव विभाग से मिलल जानकारी बा कि विधानसभा चुनाव ला अबही ले 2979 उम्मीदवारो 4026 गो परचा दाखिल कइले बाड़े. परचा दाखिल कर के आजु आखिरी दिन रहुवे. परचा दाखिल करे वाला उम्मीदवार 16 नवम्बर ले आपन नाम वापस ले सकीहें. वोट एक दिसम्बर के पड़ी आ आठ दिसम्बर के गिनाई.

भाजपा दिल्ली का चुनाव प्रचार में बहुते आधुनिक 3डी प्रचार शुरु कइलसि

नयी दिल्ली. 11 नवम्बर (वार्ता) दिल्ली मे 15 साल से सत्ता से दूर रहल भाजपा अबकी बेर जीते ला बड़हन अभियान चलावत बिया. एह ला नया से नया तरीका इस्तेमाल करत बिया. सोमार का दिने एही क्रम मे दिल्ली प्रदेश भाजपा के कार्यालय से 3 डी वर्चुअल लाइव रथ के रवाना कइल गइल. एह रथ

राहुल के दीहल फार्मूले पर अमल ना भइल राजस्थान में

जयपुर 10 नवम्बर (वार्ता) राजस्थान मे अगिला एक दिसम्बर के होखे वाला विधानसभा चुनाव ला पैराशूट उम्मीदवार ना उतारे के राहुल के फार्मूला पर अमल नइखे होखत. काल्हु जारी सूची में मालपुरा से दू बेर हारल प्रदेश कांग्रेस अध्यक्ष डा.चन्द्रभान के मौजूदा विधायक रीटा चौधरी के टिकट काट के मंडावा से टिकट दीहल गइल बा.

छत्तीसगढ के 18 विधानसभा क्षेत्रन मे प्रचार रुकल

रायपुर 09 नवम्बर (वार्ता) छत्तीसगढ के नक्सल प्रभावित बस्तर इलाका के बारह सीट समेत 18 सीट पर चुनाव प्रचार आजु खतम हो गइल. पहिला चरण के एह चुनाव में राष्ट्रीय दल के आला नेता प्रचार मे पहुंचले. भाजपा से लोकसभा मे विपक्ष के नेता सुषमा स्वराज, भाजपा के प्रधानमंत्री पद के उम्मीदवार नरेन्द्र मोदी, मुख्यमंत्री

मिजोरम ला कांग्रेस उम्मीदवारन के सूची जारी

नयी दिल्ली 02 नवम्बर (वार्ता) कांग्रेस मिजोरम विधानसभा के सगरी चालीस गो सीट पर आपन उम्मीदवारन के सूची जारी क दिहलसि. एह सूची में शामिल नामन के चुनाव कांग्रेस के केन्द्रीय चुनाव समिति कइलसि. दू गो मौजूदा विधायकन के टिकट काट लीहल गइल बा आ बाकी सगरी मौजूदा विधायकन के फेरू टिकट दे दीहल गइल

मध्यप्रदेश ला बसपा अपना अउरी 47 प्रत्याशियन के सूची जारी कइलसि.

भोपाल 02 नवंबर (वार्ता) मध्यप्रदेश विधानसभा चुनाव खातिर बसपा अपना अउरी 47 गो प्रत्याशियन के सूची जारी कइलसि. अबले कुल 200 प्रत्याशियन के सूची जारी हो चुकल बा बसपा का ओर से.

छत्तीसगढ मे कांग्रेस राजघरानन से किनारा करे लागल

रायपुर 31 अक्टूबर (वार्ता) छत्तीसगढ मे कांग्रेस के राजनीति मे कबो राजघरानन के रहल वर्चस्व अब खतम होखत बा आ पार्टी ओह लोग से अब किनारा करे लागल बिया. पुरनका मध्यप्रदेश मे छत्तीसगढ के लगभग डेढ दर्जन सीट प राजघरानन के वर्चस्व रहत रहे. एहनी से या त राजपरिवारे के कवनो सदस्य भा उनकर कवनो

मध्यप्रदेश मे एक नवंबर से परचा दाखिल होखे लागी

भोपाल 30 अक्टूबर (वार्ता) मध्यप्रदेश विधानसभा चुनाव ला परचा दाखिल करे के काम अधिसूचना जारी भइला का बाद एक नवंबर से शुरू होखी एकरा ला सगरी इंतजाम क लीहल गइल बा. अबकी 230 विधानसभा क्षेत्र खातिर रिटर्निंग आफिसर नियुक्त कइल गइल बा आ हर विधानसभा क्षेत्र में 2 गो असिस्टेंट रिटर्निंग आफिसरो तैनात भइल बाड़े.

जे॰ एन॰ यू॰ छात्र संघ के चारो सीट जीतलसि आइसा

नयी दिल्ली के जवाहरलाल नेहरू विश्वविद्यालय अपना वामपंथी रूझान ला जानल जाला आ ओहिजा के छात्र संघ चुनाव मे वामपंथिए संगठनन का बीच मुकाबिला रहेला. देश के माहौल से अलग चले वाला जेएनयू के छात्र संघ चुनाव में आइसा चारो सीट जीत लिहलसि. आइसा के कामयाबी पर भाकपा माले लिबरेशन के महासचिव दीपंकर भट्टाचार्य बयान

डूसू चुनाव मे अभाविप जीतल

दिल्ली विश्वविद्यालय छात्रसंघ, डूसू, का चुनाव मे अखिल भारतीय विद्यार्थी परिषद, अभाविप, विजयी भइल बिया. चार में से तीन गो मुख्य पद, अध्यक्ष, उपाध्यक्ष, आ संयुक्त सचिव, पर अभाविप जीतल जबकि सचिव सीट पर एनएसयूआई के जीत भइल बा. एकरा अलावे कोषाध्यक्ष पदो पर अभाविप जीतल बिया. अभाविप के अमन अवाना अध्यक्ष चुनइले जबकि एनएसयूआई

अमरेन्द्र प्रताप सिंह विधानसभा उपाध्यक्ष चुनइले

भाजपा नेता आ आरा से विधायक अमरेन्द्र प्रताप सिंह के आजु सर्वसम्मति से विधानसभा के उपाध्यक्ष चुन लिहल गइल. ओने विधानपरिषद सभापति के चुनाव खातिर अकेला परचा भाजपा के अवधेश नारायण सिंह के दाखिल भइल बा. दोसर कवनो उम्मीदवार के परचा दाखिल ना भइला का चलते इनकरो चुनाव निर्विरोध हो जाई.

बिहार के शहरी निकाय प्रमुखन के चुनाव भइल

काल्हु शनिचर का दिने राज्य के नगर परिषद, नगर निगम आ नगर पंचायत प्रमुखन के चुनाव शांति से करा लिहल गइल, पटना के मेयर आ डिप्टी मेयर के चुनाव आजु अतवार के होखत बा. बक्सर नगर परिषद में मीना दवी, डुमरांव में कमलेश प्रसाद, सासाराम में नाजिया बेगम, छपरा में शोभा देवी, सिवान में बबु

‹‹Newer Posts